
हक्कानी हत्यारा जलील जलालुद्दीन के मौत
September 4, 2018
अफगानिस्तान के हक्कानी नेटवर्क के वालिद जलालुद्दीन हक्कानी के मुअला के खबर आजु मंगल का दिने जारी भइल बा।

बतावल जात बा कि ऊ ढेएर दिन से बेमार रहुवे आ अपना खूनी गिरोह के जिम्मेदारी अपना बेटा सिराजुद्दीन के दे के रखले रहुवे।
वइसे सोशल साइट ट्वीटर पर @DrGPradhan के कहना बा कि ई सब कुछ झूठ बाति ह. अगर जलालुद्दीन सचहूँ मू गइल बा त ओकर लाश के का भइल ? कब दफनावल गइल? कहाँ दफनावल गइल एह बारे में जानकारी काहे नइखे दीहल जात ? उनुकर कहना बा कि ई सगरी झूठ एह चलते पसारल जात बा कि अमेरिका के विदेश मंत्री माइक पोम्पिओ हिन्दुस्तान पाकिस्तान के यात्रा पर आवे वाला बाड़न आ उनुका सोझा पाकिस्तान आपन साफ चेहरा देखावल चाहत बा.