Go to ...
RSS Feed

Archives for December 2018

टटका खबर, बियफे, 27 दिसम्बर 2018

राजस्थान में बाँट-बखरा के काम सलटा लिहलसि कांग्रेस राजस्थान में सत्ता के मलाई बाँटे में तीन दिन से अझूराइल कांग्रेस मामिला सलटा लिहलसि. अब मुख्यमंत्री अशोक गहलोत का लगे वित्त आ गृह विभाग रही जबकि उनुका डिप्टी साहब सचिन पायलट लोक निर्माण विभाग से आपन भावी निर्माण करीहें. तीन तलाक पर आजु लोकसभा में चरचा

इस्लामिक कानून के जानकार मुफ्ती सुहेल समेत 10 गो आतंकी धरइलें

काल्हु बुध का दिने एनआईए यूपी आ दिल्ली में 17 जगहा छापा मार के देश के बम धमाकन से दहलावे के साजिश में लागल मुफ्ती सुहेल समेत 10 गो आतंकियन के गिरफ्तार क लिहलसि. एहनी का लगे से बहुते सारा विस्फोटक सामान, असलहा वगैरह बरामद भइल बा. ई मुसलमान गिरोह अंतर्राष्ट्रिय इस्लामी आतंकी संगठन इस्लामिक

यूपी आ बिहार वालन का खिलाफ कांग्रेसी सरकार

मध्य प्रदेश के नयका कांग्रेसी सरकार के मुख्यमंत्री कमलनाथ पद के किरिया लिहला का बाद पहिलके दिने खुलेआम कहलन कि बिहार आ यूपी के लोग आ के एहिजा के नौकरियन पर काबिज हो जात बा आ मध्य प्रदेश के लोग बेरोजगार रह जात बा. एहसे उनकर सरकार फैसला कइले बिया कि जवन उद्योग भा व्यवसाय

भाजपा के हारते रंग बान्हे लगलें मुसलमान

हाल के विधानसभा चुनावन में तीन गो राज्यन – मध्य प्रदेश, राजस्थान, आ छतीसगढ़ – में भाजपा के मिलल हार से देश के हिन्दू विरोधी ताकतन के बल मिलल बा.आजु मुस्लिम बोर्ड के बइठका का बाद एलान कइल गइल बा कि अगर केन्द्र के भाजपा सरकार श्रीराम मन्दिर बनवावे ला संसद में कवनो कानून बनावे