web analytics

टटका खबर, बियफे, 27 दिसम्बर 2018

राजस्थान में बाँट-बखरा के काम सलटा लिहलसि कांग्रेस

राजस्थान में सत्ता के मलाई बाँटे में तीन दिन से अझूराइल कांग्रेस मामिला सलटा लिहलसि.
अब मुख्यमंत्री अशोक गहलोत का लगे वित्त आ गृह विभाग रही जबकि उनुका डिप्टी साहब सचिन पायलट लोक निर्माण विभाग से आपन भावी निर्माण करीहें.

तीन तलाक पर आजु लोकसभा में चरचा शुरु होखी

मुस्लिम समाज के एगो बड़हन कु-रीति – तीन तलाक – का खिलाफ कानून बनावे ला आजु लोकसभा में चरचा शुरु होखी. भाजपा अपना सगरी सांसदन के आजु सदन में हाजिर रहे के ह्विप जारी कइले बिया.
वइसे सदन में सुचारु चरचा हो पावे के उमेद कमही बा काहे कि अपना देश के विरोधी गोल इचिको ना चहिहें कि मुस्लिम समाज के ठिकेदारन का मरजी का खिलाफ कुछ हो पावे.

सरकारी बैंक के कर्मचारी बुधो का दिन हड़ताल पर रहलें

शनिचर आ अतवार के छुट्टी का संगही शुक के हड़ताल पर रहला का बाद एक दिन सोमार के थोड़ बहुत काम का बाद मंगल का दिने छुट्टी रहुवे. एह पर से बुध का दिने हड़ताल पर रहे के प्लान बना के बैंक वाले साल का आखिर में लमहर छुट्टी के आनन्द ले लिहलें. लोग के परेशानी जवन होखे के बा तवन होखल करे.
वइसे हड़ताल खाली सरकारिए बैंकन के रहुवे बाकिर हड़ताली गिरोह प्राइवेटो बैंकन में काम ना होखे दिहलें.

अगिला साल से आंध्र के आपन अलगा हाई कोर्ट

राज्य के बँटवारा का बादो आंध्र आ तेलंगाना के एके गो कोर्ट रहुवे. अब राष्ट्रपति के दस्तखत हो गइला का बाद अमरावती में एगो नया हाई कोर्ट 1ली जनवरी से काम करे लागी आ आंध्र के लोग के मामिलन के सुनवाई एही कोर्ट में होखल करी.

 163 total views,  1 views today

%d bloggers like this: