
कश्मीर के बडगाम में दू गो आतंकी जहन्नुम भेजइलें
February 13, 2019

कश्ंमीर में आतंकियन के नेस्तनाबूद करे में लागल सुरक्षा बल आजुओ दू गो आतंकियन के जहन्नुम रवाना करवा दिहलें.
लश्करे तोएबा के एह दुनु आतंकियन के बडगान का वथुरा चित्तरगाम नवगाम इलाका में दुतरफा फायरिंग में सुरक्षाबल माल गिरवलेंय
सुरक्षा बलन के एह बाति के जानकारी मिलल रहुवे कि कुछ आतंकी एह इलाका में लुकाइल बाड़ें जवना का बाद इलाका के घेराबन्दी क दीहल गइल. अपना के घेराइल देखि ई आतंकी फायरिंग करत भागे चहलें बाकिर सुरक्षाबलन के जवाबी कार्रवाई में मरा गइलें.