
छरपू कुशवाहा के गोल से विधायक छरपलें
May 26, 2019

मोदी सरकार में मंत्री रहल बिहार के रालोसपा अध्यक्ष उपेन्द्र कुशवाहा अउरी मलाई काटे का लालच में एनडीए से छरप के बिहार के महागठबन्हन में शामिल हो गइल रहलें. उनुका अपना ओकात से बेसी सीट चाहत रहुवे लोकसभा चुनाव लड़े खातिर.
दमड़ी के चाम गइल, कुकुर के जाति चिन्हाइल वाला कहाउत के साँच करत लोकसभा चुनाव में उपेन्द्र कुशवाहा के हार हो गइल आ अब हालत अइसन पाचर हो गइल बा कि उनुका गोल के विधायक अब छरप के एनडीए में शामिल जदयू में शामिल हो गइल बाड़ें.
दू गो विधायक – ललन पासवान आ सुधांशु शेखर – विधानसभा अध्यक्ष विजय कुमार चौधरी के पाती पठवले बाड़ें कि ऊ लोग अब जदयू में शामिल हो गइल बा. विधानो परिषद में कुशवाहा के पार्षद संजीव सिंह श्याम अइसने एगो पाती परिषद के सभापति हारुन रशीद के पठवले बाड़न.