Archives for August 2019
आजु अपना मंत्रिमंडल में पहिलका विस्तार करत मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अपना मंत्रीमंडल में 26 गो हिन्दू मंत्रियन के किरिया धरववलन. एह खबर के कुछ हिन्दू विरोधी मीडिया में जाति का आधार पर गिनल गइल बा एहीसे टटका खबर एकरा के एके साथ हिन्दू मंत्री बतावत बा. राज्यपाल आनन्दी बेन पटेल एह मंत्रियन के किरिया धरवली.
आर्थिक घोटाला के आरोपी पी चिदम्बरम 27 घंटा लुकाइल रहला का बाद आजु साँझ अचके कांग्रेस मुख्यालय पर सोझा भइलें. ओहिजा प्रेस बयान दिहला का बाद बिना कवनो सवाल के जवाब दिहले ऊ अपना घर ला रवाना हो गइलें. जब ले ईडी, सीबीआई के टीम ओहिजा चहुँपित पीचि अपना घर ला रवाना हो गइलें. पीचि
यूपीए 1 आ 2 का दौरान भइल आ कइल घोटालन का चलते सत्ता से बहराइल कांग्रेस जानत बिया कि चिदम्बरम वाला केस उनुके ले नइखे रहि जाए वाला. एक तरह से ई मोदी सरकार के टेस्ट बैलून हवे. सरकार देखल चाहत बिया कि पीचि के गिरफ्तारी का बाद कांग्रेस आ ओकरा समर्थकन के रवैया कइसन
कबो देश के गृह मंत्री आ वित्त मंत्री रहल, देश के बड़का वकीलन में शामिल, कांग्रेस के बड़का नेता पी चिदम्बरम काल्हु साँझ से कतहीं लुकाइल बाड़न आ सीबीआई आ ईडी उनुका के खोजे में लागल बा. अनेसा बा कि कानून के फंदा गरदन पर कसाइल देखि पीचि बाहर भागे के कोशिश मत करसु एह
जम्मू कश्मीर के धारा 370 से मिलल आजादी का बाद आजु सोमार का दिने सरकार आ प्रशासन के बड़का इम्तिहान रहुवे कि कइसे गुजरत बा ईद. बाकिर खुशी के बाति रहल कि सिकूलरन के बेचैन क के ईद चैन से गुजर गइल. जम्मू आ कश्मीरे ना, पूरा देश में मुसलमानन के ई बड़का पर्व अमन
देश के बड़का शिक्षा बोर्डन में शामिल सीबीएसई आपन परीक्षा शुल्क में बेतहासा बढ़ा दिहलसि. अब 10 वीं आ 12 वीं वोर्ड के परीक्षा देबे वाला विद्यार्थियन से 1500 रुपिया परीक्षा शुल्क लीही सीबीएसई बोर्ड. पहिले ई फीस 750 रुपिया लागत रहुवे. बोर्ड एलान कइले बावे कि जवन विद्यार्थी आपन पंजीयन करवा चुकल बाड़ें ओहू
विक्रम बैताल के मशहूर कहानी दोहरावत आजु कांग्रेसी डाढ पर बइठल गान्धी परिवार के बैताल फेरु छटक के डाढ़ पर जा बइठल. विक्रम का लगे एह बैताल से मुक्ति के कवनो राह ना मिलल आ कांग्रेसी डाढ़ पर फेरु बैताल सवार हो गइल. एह फैसला से देश भर में राहत के लहर पसर गइल काहे
कश्मीर विधेयक पर कांग्रेसी रुख से नाराज ओकर राज्यसभा सांसद भुवनेश्वर कलिता काल्हु भाजपा आ गइलन. जान जाईं कि भुवनेश्वर कलिता राज्य सभा में कांग्रेस के ह्विप रहलन आ एह मुद्दा पर ह्विप जारी करे मना कर दिहलन. नैतिकता का चलते ऊ आपन सांसदी तज दिहले रहलन. अब उड़ीसा के एह कद्दावार नेता के भाजपा
पिछला लोकसभा चुनाव में लगातार दुसरका बेर हार के राहुल गाँधी अध्यक्ष पद तज दिहलन बाकिर पावर इज ए प्वायजन के मोह ना छूटल. आजु कई महीना बाद कांग्रेस के कार्यसमिति एह बाति के चरचा करे में लागल बिया कि केकरा के पोसुआ अध्यक्ष बनावल जाय. असल में गन्धी परिवार नइखे चाहत कि कांग्रेस ओकरा
काल्हु जब देश एगो नया इतिहास बनावत रहुवे ओह समय बिहार के कुशासन बाबू नीतीश कुमार के गोल देशहित का खिलाफ जा के कश्मीर बिल का खिलाफ वोट दिहलसि. सुशील मोदी जइसन चाटुकार का सहारे नीतीश बाबू के भरम हो गइल बा कि भाजपा उनुका पिछाड़ का नीचे उचकुन लगावे के मजबूर बिया. उनुकरो भरम
एने दू तीन दिन से कश्मीर के नेता लोगन के हदासे हाल बेहाल हो गइल बा. तरह तरह के अफवाह फिज़ा में पसरल बाड़ी सँ. केहू कहत बा कि कश्मीर के तिन टुकड़ा करे जात बिया मोदी सरकार. जम्मू के त पूरा राज्य के दर्जा मिली बाकिर कश्मीर आ लद्दाख के केन्द्र शासित प्रदेश बना
बिहार के सरकारी स्वास्थ्य सेवा में डॉक्टरन के कमी देखत बिहार सरकार तय कइले बिया कि अगिला साल से सरकार के बहाली टीम कॉलेजे कॉलेज घूम का डॉक्टरन के बहाल क लीहल करी. काल्हु पटना में कार्डयोलोजिस्टन के सम्मेलन में बोलत बिहार के उप मुख्यमंत्री सुशील मोदी कहलन कि बिहार में डॉक्टरन आ अउरी स्वास्थ्यकर्मियन