web analytics

कश्मीर पर कांग्रेसी रुख से नाराज भुवनेश्‍वर भाजपा में

कश्मीर विधेयक पर कांग्रेसी रुख से नाराज ओकर राज्‍यसभा सांसद भुवनेश्‍वर कलिता काल्हु भाजपा आ गइलन. जान जाईं कि भुवनेश्‍वर कलिता राज्य सभा में कांग्रेस के ह्विप रहलन आ एह मुद्दा पर ह्विप जारी करे मना कर दिहलन. नैतिकता का चलते ऊ आपन सांसदी तज दिहले रहलन.

अब उड़ीसा के एह कद्दावार नेता के भाजपा आपन बना लिहलसि आ केंद्रीय मंत्री पियूष गोयल अउर भाजपा के बड़का नेता भूपेंद्र यादव के मौजूदगी में भाजपा में अइला का बाद भुवनेश्‍वर कलिता के कहना बा कि भाजपा में आ के उनुका बड़हन खुशी मिलल बा.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: