web analytics

कोरोना से जंग में आगे अइली अक्षरा सिंह

बँटली मास्‍क, ग्‍लव्‍स. अउर सेनेटाइजर

दुनिया पर आइल बिपति का बीच भोजपुरी सिनेमा के अदाकारा अक्षरा सिंह लॉक डाउन लागे से पहिले सड़क पर आ के आम लोग का बीच मुँहजाबी (मास्‍क) बँटली आ दस्ताना अउर सेनेटाइजरो दिहली.

अक्षरा कहली कि उनकर मकसद ओह लोग के जगावल बा जे अबहियों चाइनीज कोरोना वायरस के खतरा के अनदेखी करत बा. लोग जानत नइखे कि अइसन बेपरवाही देखा के उ लोग अपना साथही अपना परिवार. समाज, आ देशो के खतरा में डालत बा. समय के माँग बा कि अपनहूँ बाँची आ दोसरो के बचाईं.

अक्षरा इहो कहली कि आजु जे समरथ बा ओकरा चाहीं कि गरीब गुरबा के बढ़-चढ़़ के एह आफत से बचावे में सहायता करे. कहली कि आजु उ जवने बाड़ी तवन लोगे का नेह का चलते, एहिसे जतना कर सकत बाड़ी ओतना करे के कोशिश करत बाड़ी.

पीएम मोदी के लगावल लॉकडाउन के समर्थन करत अक्षरा कहली कि अगर हमनी का अपना आ अपना लोग-परिवार के बचा लेम त चीन से सगरी दुनिये में पसरल कोरोना हार जाई. एहसे प्रशासन का बाति मानीं आ घर में रह के एह कोरोना के भगावें में मदद करीं.

(स्रोत – टीम रंजन)

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: