web analytics

घरे बोला के रवि किशन बँटले राशन

पहिलहीं एक महीना के सांसदी के तनखाह पीएम राहत कोष में दे चुकल रविकिशन अब ओह लोग के सहायता ला आगे अइलें जे एह घरी भोजन के संकट झोलत बाड़ें.

फिल्‍म इंडस्‍ट्री के तकनिशियनन के अपना घरे बोला के राहत सामग्री के रूप में राशन बँटले. साथही एगो फोन नंबर 9161606666 जारी कइलन आ कहलन कि अगर मुंबई महानगर में रहे वाला कवनो परिवार का सोझा भोजन के संकट आ गइल होखे त उनुका के बतावे. कहलन कि केहू के भूखे ना रहे दीहल जाई.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: