
यशी फिल्म्स के बनावल टीवी के ई होली पार्टी सबले शानदार रहल. सुपर स्टार मीका के मौजूदगी का बादो बिग गंगा के होली पार्टी रह गइल फीका.
हर साल का तरह एहु साल यशी फिल्म्स होली के सबसे बड़हन पार्टी जोगीरा सा रा रा रा के आयोजन खूब धूमधाम से कइलसि. एकरा के टीवी चैनल बी4यू भोजपुरी पर कइल गइल. दर्शक एकरा के अतना पसन्द कइलें कि ई 453 रेटिंग का साथे टीआरपी चार्ट का माथ पर बइठ गइल.
यशी फिल्म्स के एह होली पार्टी में दिनेशलाल यादव निरहुआ, पवन सिंह, खेसारीलाल यादव, प्रदीप पांडेय चिंटू अउर रितेश पांडेय वगैरह कलाकार जमके धमाल मचवलें एह खाँटी भोजपुरिया कार्यक्रम के दर्शक सहजे लकार लिहलें. टीवी चैनल बिग गंगा अबकी अपना होली पार्टी में बॉलीवुड के मशहूर सिंगर मीका के बोलवले रहुवे बाकिर मीका के जादू फीका रहु गइल. जबकि उनुका साथे एह पार्टी में कई गो भोजपुरी अदाकारा शामिल रहली. बिग गंगा के महज 421 रेटिंग प्वाइंट मिलल जबकि टीवी चैनल ढिसूम के महज 105 रेटिंग.
एह बारे में यशी फिल्म्स के मालिक अभय सिन्हा कहलन कि यशी फिल्म्स हमेशा वइसने कार्यक्रम बनावेले जवन दर्शकन के मनरंजन कइला का साथो ओह लोग के अपना सोरो से जोड़े. एहीसे यशी फिल्म्स हमेशा दर्शकन के भावेला. कहलन कि हम भरोसा देत बानी कि आगहूँ अइसने नायाब कार्यक्रम ले आवत रहब.
यशी फिल्म्स, अभय सिन्हा, होली पार्टी, टीवी चैनल, बी4यू भोजपुरी,