web analytics

जर्मनी के वित्त मंत्री खुदकुशी कइलें ?

क्रिश्चियन डेमोक्रेटिक यूनियन ऑफ जर्मनी के एगो नेता आ जर्मनी के वित्त मंत्री थामस शेफर के लाश रेल लाइन का किनारे मिलल का बाद ओहिजा के सरकार अनेसा जतवले बिया कि कोरोना वायरस से उपजल हालात से परेशान रहलन शेफर आ हो सकेला कि एही अवसाद का चलते ऊ आपन जान दे दिहलन.

22 फरवरी 1966 के जनमन थामस शेफर वकील रहलन आ सरकार में 1999 से मंत्री रहलन.

एही 27 मार्च का दिने ऊ कोरोना प्रभावित लघु उद्यमियन ला आर्थिक सहायता के एलान करत कहले रहलन कि कोरोना का खिलाफ लड़ाई पर धन के तंगी के असर ना पड़े दीहल जाई.

थामस शेफर अपना पीछे एगो बेटी आ एगो बेटा छोड़ गइल बाड़न. उनुकर लाश 28 मार्च का दिने कोलान फ्रैंकफर्ट हाई स्पीड रेल लाइन का किनारे मिलल.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: