Archives for April 2020
एहसे पहिले कि कवनो सरकार के कारिन्दा अपना मलकिनी का हुकुम पर हमरा खिलाफ पुलिसिया भा कानूनी कार्रवाई करे के सोचे हम बता दीहल चाहत बानी कि एह साइट पर के कवनो खबर साँच ना होखे. कवनो खबर के कवनो आधार ना होखे. हमरा इचिको मालूम नइखे कि एंटोनियो माइनो केकर नाम ह आ ऊ
पालघाट में हिन्दू साधुवन के मॉब लिचिंग भइला का बाद तीन दिन ले एह खबर के पता केहू के ना भउवे. प्रशासन के कोशिश सफल हो गइल रहीत अगर सोशल मीडिया पर ओह घटना के विडियो वायरल ना हो गइल रहीत. मौकाएवारदात पर मौजूद कवनो आदमी एह विडियो के शूट कइलसि आ ओकरा बाद एकरा
शिवसेना के सरकार वाला महाराष्ट्र में मुम्बई से चंद घंटा के दूरी पर एगो कस्बा पालघर में जूना अखाड़ा के दू गो साधुवन आ उनुका गाड़ी के ड्राइवर के शांतिदूतन के भीड़ पुलिस का सोझा मार मार के मुआ दिहलसि. एक तरह से कहीं त पुलिस वाला आह लोगन के घर का भितरी से बाहर
कोरोना जइसन महामारियो भारत के लोगन ला कुछ काम के बाति क गइल बावे. सवाल इहे बा कि देश को लोग ओकर बाति समुझल कि ना. पहिला बाति कि कोरोना का चलते लोग अपना दुश्मनन के अब आसानी से चीन्ह सकेला. दुश्मन नम्बर एक – ऊ झुँड जवन जमात के नाम लिहला पर आपन नाराजगी
आजु भोरे दस बजे देशवासियन के संबोधित करत पीएम मोदी लॉकडाउन 3 मई ले बढ़ावे के एलान करत कहलें कि राज्य सरकारन से आ विशेषज्ञन से बाति करि के सरकार इहे सही समुझलसि कि ल़ॉकडाउन 3 मई ले बढ़ा दीहल जाव. पीएम मोदी इहो कहलन कि समय के माँग बा कि सगरी देशवासी एह लॉकडाउन
कांग्रेस का माथ पर साँप का तरह कुण्डली मार के बइठल सोनिया परिवार के प्रियंका गाँधी देश में बढ़िया काम करत प्रदेश सरकारन में शामिल यूपी के योगि सरकार के सलाह दिहले बाड़ी कि कोरोना के जाँट में तेजी ले आवल जाय आ अधिका से अधिका लोगन के कोरोना जाँच करावल जाव. मकसद बा कि
लात के भूत बाति से ना माने वाला कहाउत के साँच करत जमातियन के जिद से आजिज योगी सरकार राज्य के करीब 104 इलाकन पर भिलवाड़ा मॉडल के सख्ती आजु राति से लागू कर दिहलसि. अब एह इलाकन में ना त केहू बाहर से भीतर जा सकी ना केहू कवनो बहाना से भीतर से बाहर
केन्द्र सरकार का तरफ से इशारा दीहल गइल बा कि लगातार तीन दिन ले अगर कोरोना के नया मरीजन के गिनिती घटत जाई तबहिए लॉकडाउन हटावल जाई. जान जाईं कि जस जस 14 अप्रेल नियरात जात बा तस तस लोग के बेचैनी बढ़ल जात बा. लोग जानल चाहत बा कि लॉकडाउन कहिया हटावल जाई. एही
तबलीगी जमातियन का चलते पूरा देश त्राहिमाम कइले बा. अकेले यूपी में डेढ़ हजार से बेसी जमाती चिन्हाइल बाड़ें जवनन में से साढ़े बारह हजार से बेसी जमातियन के कोरोना छूताह होखे का अनेसा का चलते क्वेरेन्टाइन कइल गइल बा. आजु मंगल के दुपहरिया ले यूपी में कोरोना छुआइल 314 गो मरीज मिल चुकल बाड़ें
उपेंद्र फिल्म्स के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिलिम ‘पारो’ के शूटिंग 15 अप्रैल से बिहार के सिवान जिला में होखे वाला रहुवे. अब एह शेड्यूल में बदलाव कइला के जानकारी फिलिम के हीरो स्टाइलिस स्टार यश कुमार दिहले बाड़न. कहलन कि कोरोना से बचे ला सभका लॉकडाउन माने के चाहीं. आ हमनी कलाकारो एह
भोजपुरी बी टाउन में जोरदार कनफुसकी चलत बा कि फ़िल्म ‘दिल तुझ पर क़ुर्बान’ से सिल्वर स्क्रीन पर डेब्यू ला तइयार नयका अभिनेता अभय तिवारी इंडस्ट्री के खूबसूरत अभिनेत्री आयुषी तिवारी पर लाइन मारत बाड़ें. सुने में आवत बा कि एह जोड़ी के फिलिम के सेटो पर से अधिका दोसरो जगहा पर देखल जा रहल
उत्तराखंड के पुलिस महानिदेशक अनिल रतूड़ी कड़ाई से कहले रहलें कि तमात के मरकज में शामिल हो के लवटल लोग अपने से सोझा आ जाव ना त बाद में ओह लोग के मालूम हो जाई कि सरकार कइसे ओह लोग से निबटी. कहलन कि एह लोग पर जान मारे के कोशिश के मुकदमा कइल जाई
आजु मोदी कैबिनेट फैसला कइललि कि सगरी सांसदन के मूल तनखाह में 30 फीसदी के कटौती एही पहिला अप्रेल से लागू क दीहल गइल बा. बाकिर ओह लोग के भत्ता में कवनो कटौती नइखे कइल गइल. एकरा के आसानी से समुझे के होखे त जान जाईँ कि सरकारी कर्मचारियन के तनखाह में कटौती जरुर भइल
आरएसएस से जुड़ल भारतीय मजदूर संघ के ईकाई दिल्ली परिवहन मजदूर संघ डीटीसी बसन के ड्राइवर आ कंडक्टरन पर एफआईआर दर्ज कइला के विरोध कइले बावे. दिपमसंघ के कहना बा कि एहसे कर्मचारियन के मनबल टूटी. एहसे ड्राइवर आ कंडक्टरन का खिलाफ दर्ज मुकदमा रद्द कइल जाव. जाने जोग बा कि साजिशन अफवाह फैला के
दिल्ली के निजामुद्दीन इलाका में तबलीगी जमात के मरकज देश भर में कोरोना पसारे के जरिया साबित हो गइल बा. एह जमात में शामिल भइल मुसलमानन में कोरोना बीमारी तेजी से पसरे लागल बा आ लोग के मौत के सिलसिला अचानक तेज हो गइल बा. तबलीगी जमात के अमीर मौलाना साद अबहियों फरार बा आ
हर साल श्रीरामनवमी का मौका पर हिन्दू मंदिर जा के श्रीरामजन्मोत्सव मनावत आइल बाड़ें. बाकिर अबकी कोरोना का चलते देश में ल़ॉकडाउन लगा दीहल गइल बा. एह हालात में बाहर निकल के मंदिरन में सामूहिक आयोजन ना कइल जा सकी. श्रीराम जन्मभूमि तीर्थक्षेत्र न्यास के अध्यक्ष महंत नृत्यगोपाल दास रामभक्तों से निहोरा कइले बानी कि
कोरोना संकट का चलते आम आदमी के राहत देबे ला रिजर्व बैंक कहले रहुवे कि बैंक के कर्ज अदायगी में तीन महीना ले छूट दिहल जाई. ओकरा ला बैंक कर्जदारन के परेशान ना करी आ नाही ओह लोग के क्रेडिट साख खराब कइल जाई. सरकारी बैंक त पहिलहीं एकर एलान क दिहले रहुवें. बाकिर आजु
लखनऊ में कोरोना के आगम करावे वाली गायिका पिछला 20 मार्च से लखनऊ के एसजीपीजीआई में भरती बाड़ी. पता ना कोरोना के उनुका से कइसन नाता जुड़ गइल बा कि डॉक्टरन के लाख कोशिश का बावजूद कनिका के छोड़ल नइखे चाहत. पँचवो बेर उनकर टेस्ट कोरोना पॉजिटिवे आइल बा. एह चलते कुछ लोग कहे लागल
दिल्ली के निजामुद्दीन इलाका के एगो तबलीगी मरकज में हजारन मुसलमानन के शामिल भइला का बाद कई जने के कोरोना ध लिहले बा. सरकार आ प्रशासन के मनाही का बावजूद तबलीगी जमात ई मजमा जुटवले रहुवे. मामिला सामने अइला का बाद एह मजमा में शामिल अनेके लोगन के कोरोना का चपेट में अइला के खबर
बे सबसिडी वाला गैस सिलिण्डर के दाम में आजु से साढ़े एकसठ रुपिया के कटौती कइल गइल बा. दुनिया भर में तेल आ गैस के दाम में आ रहल गिरावट का चलते ई करे के पड़ल बा. पिछलो महीना पहिला मार्च के एकर दाम में 53 रुपिया के कमी कइल गइल रहुवे. जाने जोग बा