Kanika Kapoor

लखनऊ में कोरोना के आगम करावे वाली गायिका पिछला 20 मार्च से लखनऊ के एसजीपीजीआई में भरती बाड़ी. पता ना कोरोना के उनुका से कइसन नाता जुड़ गइल बा कि डॉक्टरन के लाख कोशिश का बावजूद कनिका के छोड़ल नइखे चाहत. पँचवो बेर उनकर टेस्ट कोरोना पॉजिटिवे आइल बा.

एह चलते कुछ लोग कहे लागल बा कि कनिका के इलाज में कुछ कमी बा बाकिर संजय गांधी स्नातकोत्तर आयुर्विज्ञान संस्थान के निदेशक डॉ. आरके धीमान
एह तरह के खबरन के खंडन करत कहत बाड़न कि कनिका के सेहत थिरा गइल बा आ ऊ आम आदमी का तरह खात पियत बाड़ी. आ चिन्ता के कवनो बाति नइखे.

जानो जोग बा कि कोरोना वार्ड में भर्ती बाकी तीन गो मरीजन के रिपोर्ट निगेटिव अइला का बाद ओह लोगन के अस्पताल से छुट्टी मिल गइल बा. अलग बाति बा कि सोमार का दिने तीन गो दोसर मरीजन के भरती करावल गइल बा एह वार्ड में.

याद करीं कनिका कपूर लन्दन से अइला का बाद कुछ बड़का लोगन के पार्टी में शामिल भइल रही जवना का बाद अनेके नेता आ अफसरानन के कुछ दिन ले सूतक मनावे के पड़ल रहुवे.

%d bloggers like this: