web analytics

सब छँवड़ी झूमर पाड़े त लंगड़ी कहे हमहूं

कांग्रेस का माथ पर साँप का तरह कुण्डली मार के बइठल सोनिया परिवार के प्रियंका गाँधी देश में बढ़िया काम करत प्रदेश सरकारन में शामिल यूपी के योगि सरकार के सलाह दिहले बाड़ी कि कोरोना के जाँट में तेजी ले आवल जाय आ अधिका से अधिका लोगन के कोरोना जाँच करावल जाव. मकसद बा कि कोरोना संक्रमित मरीजन का गिनिती में तेज इजाफा होखत लउके आ ई लोग जनता में अफरातफरी मचवा सके.

आजु जब पूरा देश कोरोना बिपति से लड़े में जुटल बा त सोनिया गाँधी, राहुल गाँधी, आ प्रियंका वाड्रा गाँधी आपन मौजुदगी देखावे जतावे के कवनो मौका छोड़ल नइखन जाहत लोग.

बाकिर एह तीन गाँधियन के मकसद बिपति से लड़े में साथ दिहला से बेसी देश में अफरातफरी मचावे के बा. कवनो ना कवनो बहाने ई लोग चाहत बा कि देश में कोरोना पसरे आ अइसन पसरे कि मोदी सरकार ओकरा के सम्हार ना पावे. तब एह लोग के मौका मिली कहे कि हमनी का त शुरुए से जाँच में तेजी ले आवे के कहत रहीं जा. एह लोग के लागत बा कि अगर कोरोना के बिपति से लड़े में देश कामयाब हो गइल त कोरोना का साथही कांग्रेसो के भविष्य खतम हो जाई.

अगर एह गाँधियन के मकसद कोरोना से लड़े के रहीत त देश में कोरोना पसारे में सबले बड़हन जरिया बनल तबिलागी जमात के मरकज का खिलाफ बयान जरुरे दिहले रहीत लोग. बाकिर जमात का खिलाफ कुछ कहे के बेंवत नइखे एह लोग के.

बिना कवनो धंधा कइले दुनिया के कुछ सबले धनी परिवारन में शामिल सोनिया परिवार कोरोना के लड़ाई में देश के साथ देबे खातिर एगो फुटही कौड़ियो नइखे निकलले अबले. हँ कांग्रेस का तरफ से कुछ पैकेट जरुर बँटववले बा लोग आ रह पैकेट पर सोनिया राहुल प्रियंका के फोटो का साथ.

देश के जनता देख रहल बिया कि कोरोना में कांग्रेस आ सोनिया गाँधी परिवार का करत बावे. आ ई राय आगे कांग्रेस के मुखाग्नि देबे में जरुरे काम आई.

साथ में दिहल फोटो में देखल जा सकेला कि कोरोना के पसार में लॉकआउट का शुरुआत का बाद से गिरावट आ रहल बा. कुल मरीजन के गिनिती त जरुर बढ़ रहल बा बाकिर ओकर पसरे के रफ्तार में कमी आइल बा. अगर बीच में तबलीगी जमात के मरकज का चलते कोरोना के बड़हन पसार ना भइल रहीत त अबले देश कोरोना पर काबू करे में बहुते आगे बढ़ि गइल रहीत. अबहियों एह जमात के लोग सरकरा आ प्रशासन से सहजोग नइखे करत.

 168 total views,  1 views today

%d bloggers like this: