web analytics

टटका खबर, अतवार 23 अगस्त 2020 के

कांग्रेस में अध्यक्ष पद पर गाँधिए परिवार के कवनो बेकत के बनवले राखे ला परिवार सेवक जोर लगवलें. नइखन चाहत कि कांग्रेस में कवनो दोसर आदमी अध्यक्ष बन जाव.

कांग्रेस के आगरा जिला अध्यक्षा के एगो स्चिंग मीडिया में सामने आइल बा जवना में पार्टी चलावे के नाम पर एगो बिजली कंपनी से खुलेआम चन्दा मांगल जा रहल बा. अगर चेदा ना मिली त ओह कंपनी का खिलाफ धरना प्रदर्शन करी कांग्रेस.

भोजपुर के उदवंत नगर इलाका में एगो नवही अपना के गोली मार के जान दे दिहलसि.

रोहतास के दिनारा इलाका में नहर में एगो टोटो गिर गइल जवना चलते एगो औरत के मौत हो गइल आ पाँच जने घवाहिल हो गइलें.

गाछ बाँटे का झगड़ा का चलते गोरखपुर के गगहा इलाका में एगो औरत आ ओकरा बेटा के हथियार से काट के मार दीहल गइल.

बिहार में होखे वाला विधानसभा चुनाव का पहिले 39गो अनुंडल पदाधिकारियन के दस गो आईएएस अधिकारियनो के एने से ओने कइल गइल.

पश्चिम चंपारण के बगहा के नरईपुर मोहल्ला में एगो घर से रोजी खातून नाम के दाई लाखों के गहना सामान चोरा ले भागल.

भदोही के औराई इलाका के खमरिया चौकी के दरोगा का पिटाई से घवाहिल अपना बाप के इलाज ला ओकर माटी भीख मांगे ला मजबूर हो गइली सँ.

पश्चिम चंपारण के शिकारपुर ईलाका के नरकटियागंज में हरबोड़ा नदी में नहाए गइल 14-15 बरीस के दू गो लइका डूब गइले सँ.

सारण जिला के तरौया इलाका के चकिया गाँव में साँप कटला का चलते 45 बरीस के एगो औरत के मौत हो गइल.

जौनपुर जिला पुलिस तीन गो अपराधियन के करोड़ों के संपति जब्त कइलसि. तीनो गिरोह बना के लूट मार क के ई संपति बनवले रहले सँ.

देवरिया के दीवानी कचहरी दू दिन ला बंद क दीहल गइल बा. ओहिजा के एसीजीएम कोरोना के मरीज हो गइल बाड़ें आ एगो लिपिक के मौत हो गइल बा.

बस्ती जिला के सोनहाँ इलाका के शिवा घाट का नियरा से पुलिस एगो इनामी बदमाश के सवा किलो गाँजा का साथे ध लिहलसि.

जौनपुर जिला के खुटहन इलाका के फिरोजपुर गाँव में दू गो फरीकन का बीच संपति बँटवारा का झगड़ा में तीन आदमी के मौत हो गइल बा जबकि नव जने घवाहिल हो गइल बाँड़े.

बिहार चुनाव में राजग के तीनो घटक – भाजपा, जदयू, आ लोजपा – नीतीश कुमार का अगुवई में चुनाव लड़ीहे. ई बाति भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष जोपी नड्ढा साफ क दिहलें.

झारखंड के गोड्डा जिला का बेलबड्डा इलाका के एगो मीडिल स्कूल से 13 बरीस के एगो लड़की के लाश बरामद भइल बा. लाश पोय्टमार्टम ला भेजाइल बा. ओकरा बादे पता चली कि ओकर मौत कइसे भइल होखी.

गोपालगंज के श्रीपुर चौकी इलाका में भूतनाथ क़लेज का नियरा भइळ एगो सड़क हादसा में 65 बरीस के एगो बाइक चालक के मौत हो गइल आ पीछे बइठल बच्ची बहुते घवाहल हो गइल.

सारण जिला के डोरीगंज इलाका में चिरांद गाव के बंगाली बाबा घाट पर नदी में नहाए गइल जाँच गो नवहू डूबे लगलें त मल्लाह ओहमें से चार गो के त बचा पवलें बाकिर एगो नवही बह गइल. ऊ भोजपुर जिला के राजापुर गाँव के रहुवे.

बक्सर जिला के धनसोई इलाका के खरहना गाँव में 16 बरीस के एगो लडिकी के मौत गड़हा में डूब गइला से हो गइल. मैदाने गइल ऊ लडिकी गोड़ बिछलइला से पानी भरल गड़ही में गिर गइल रहुवे.

सारण जिला के सोनपुर इलाका में एगो स्कूल का नियरा से जहाँगीरपुर गाँव के 22 बरीस के एगो नवही के लाश बरामद भइल. ओकरो के गोली मारल गइल बा आ लगहीं ओकर मोटरसाइकिलो गिरल पड़ल बा.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: