Go to ...
RSS Feed

टटका खबर, सोमार 24 अगस्त 2020 के


सात घंटा ले चलल नौटंकी का बाद सोनिया गाँधी तय क लिहली कि ऊ आपन इस्तीफा ना सकरीहें आ तब ले कांग्रेस के अध्यक्ष बनल रहीहें जब ले कांग्रेस आपन नया अध्यक्ष नइखे चुन लेत. बाकिर इहो साफ हो गइल कि अब सोनिया गाँधी में अतना बेंवत नइखे रहि गइल कि कि ऊ पूरा पार्टी के अपना अंगुरी पर नचा सकीहें. कपिल सिब्बल आ कमलनाथ के मनावे खातिर राहुल गाँधी के सफाई देबे के पड़ल कि ऊ ओह लोग पर भाजपा से साँठगााँठ करे के दोस नइखन लगवले.

बलिया के फेफना में एगो टीवी चेनल के पत्रकार रतन सिंह के सोमार का राति उनुका घर का लगहीं गोली मार के हत्या क दीहल गइल. एह मामिला में तीन गो संदिग्ध गिरफ्चार कइल गइल बाड़ें. आजमगढ़ रेंज के डीआईजी के ट्वीट में बतावल गइल बा कि पटीदारी का झगड़ा में ई खून भइल बा. मामिला में छह गो अभियुक्त गिरफ्तार बाड़ें जबकि चार गो के खोजल जात बा. एकरा पहिले 26 दिसम्बर 2019 के मारपीट भइल रहे आ दुनु ओर से केस लिखवावल गइल रहे. ओहमें रतनो सिंह के नाम रहुवे. फेफना के प्रभारी निरीक्षक के निलंबित कर दीहल गइल बा.

सारण जिला के परसा उलाका के मिर्जापुर गाँव में तीन गो लड़िकन के बाढ़ का पानी में डूबला से मौत हा गइल.

सीवान जिला का नगर थाना इलाका के शास्त्रीनगर मुहल्ला मे एगो घर चलत कंप्यूटर सेंटर के ताला तूड़ के दू गो लैपटॉप. आ एगो डेस्कटॉप समेत नगदी आ दोसर सामान चोरा लीहल गइल बा.

सीवाने के बड़हरिया इलाका के तरवारा रोड पर चलत बेंक आफ इन्डिया के ग्राहक सेवा केन्द्र से अढ़ाई लाख रुपिया लूट ले गइलें सँ बदमाश. भागत घरी फायरो कइले सँ कि केहू चहेटा मत करे.

बलिया पुलिस जनेश्वर मिश्र पुल का लगे घेराबन्दी क के पचास हजार के इनामी अपराधी मंजीत के गिरफ्तार क लिहलसि. ओकरा लगे से तमंचा आ कारतूसो बरामद भइल बा.

रोहतास जिला के शिवसागर इलाका में बेंक से रुपिया निकाल के कार्यालय जात पंजाब नेशनल बैंक के एगो ग्राहक सेवा केन्द्र के कर्मचारी से भद्रशीला गाँव का नियरा सवा लाख रुपिया लूट लूहल गइल. तीन गो लूटेरा लूट का बाद अपना बाइक से भाग गइलें.

छपरा शहर के राजेन्द्र सरोवर से दहियांवा टोला के एगो आदमी के लाश मिलल. पुलिस मामिला के जाँच करत बिया.

पूर्वी चंपारण जिला के अरेराज इलाका में तीन गो लडि़कियन के मौत भैरव स्थान का लगे सरेह में एगो गड़हा में डूबला से हो गइल.

चंदौली जिला के बबुरी इलाका के बउरी गाँव में अपना खेत में पटवन करे अतवार का दिने गइल एगो आदमी के लाश सोमार का भोरे बरामद भइल.

Tags: , , , , , , , , ,

More Stories From टटका खबर

%d bloggers like this: