Go to ...
RSS Feed

टटका खबर, बियफे 27 अगस्त 2020 के


तजिया निकाले के इजाजत देबे से मना कर दिहलसि सुप्रीम कोर्ट. यूपी के शिया नेता सैयद कल्बे जव्वाद अदालत से गोहार लगवले रहलें कि मोहर्रम पर तजिया जुलूस निकाले के इजाजत दीहल जाव जइसे कि पुरी रथयात्रा के दीहल गइल रहुवे. अदालत कहलसि कि पुरी रथ यात्रा से तजिया के तुलना ना कइल जा सके. अगर तजिया निकाले दीहल गइल त पूरा देश में अराजकता पसर सकेला आ जनमानस में एगो मजहब का खिलाफ आक्रोश बढ़ावे के मौका मिल सकेला.

कांग्रेस के पंजा आपने अंगुरी ममोड़ल शुरु कर दिहलसि. सोनिया गाँधी के चिट्ठी लिख के कांग्रेस में लोकतंत्र के मांग करे वाला 23 जने का खिलाफ कनफुसकी आ तरह तरह के कार्रवाई शुरु हो गइल बा. संसद के आगामी सत्र में मुद्दा तय करे खातिर बनल समिति में शशि थरुर आ मनीष तिवारी के औकात देखावत सोनिया परिवार के चारणन के शामिल कइल गइल बा. तबहियों गुलाम नबी अपना बाति पर कायम बाड़ें कि कार्यसमिति के सदस्य के चुनाव करावल जाव.

गोरखपुर शहर विधायक डॉ राधा मोहन अग्रवाल के नोटिस जारी क के भाजपा जानल चाहत बिया कि सरकार का खिलाफ बयानबाजी कइला का चलते उनुका खिलाफ कार्रवाई काहे ना कइल जाव. ओने भाजपा सांसद रविकिशन के कहना बा कि अगर विधायक के भाजपा के रीति नीति मजूर नइखे त बाहर निकल जासु.

महागठबंधन में रहल हिन्दुस्तानी आवाम मोर्चा के अध्यक्ष जीतन राम माँझी बियफे का दिने मुख्यमंत्री नीतीश कुमार से भेंट करे गइलन जवना का बाद से अंदाज लगावल जात बा कि उनुकर गोल राजग में शामिल हो सकेला.

सारण जिला के मशरक इलाका के हनुमानगंज गाँव के मैदाने गइल एगो आदमी के साँप काट लिहलसि. घर के लोग उनुका के मशरक स्वास्थ्य केन्द्र पर ले गइलें जहाँ डॉक्टर उनुका के मरल बता दिहलें.

वाराणसी से कांग्रेसी सांसद रहल राजेश मिश्रा बियफे का दिने जौनपुर के बदलापुर इलाका में भइल सड़क हादसा में घवाहिल हो गइल बाड़न.

जौनपुर के बक्सा इलाका के सुभाक पुरवा गाँव के एगो नवही पता ना कवना कारण से फाँसी लगा के जान दे दिहलसि.

पश्चिम चंपारण जीला के भीतहा इलाका के मछहा गाँव के एगो नवही के बुध का साँझे जहर खिया के जान ले लीहल गइल बा. बेहोश पड़ल मिलल ओह नवही के परिवार के लोग कुशीनगर जाला अस्पताल ले गइल जहाँ इलाज का दौरान ऊ जहर खियावे के बाति बतवलसि. बाद में ओकर मौत हो गइल.

सारण जिला के दरियापुर इलाका में लालू टोला गाँव का लगे मोटर साइकिल से जात दू गो नवहियन के मौत ठावे पर हो गइल जब एगो तेज रफ्तार ट्रक ओकनी के धक्का मारत भाग गइल,

Tags: , , , , , , , , , , ,

More Stories From देश-दुनिया

%d bloggers like this: