web analytics

टटका खबर, शुक 28 अगस्त के

करीब बीस बरीस पहिले सारण जिला के मशरक से विधायक अशोक सिंह के भइल हत्या के दोषी मानल गइल बाहुबली आ सांसद रहल प्रभुनाथ सिंह अउर उनुका भाई दीनानाथ सिंह के हजारीबाग अदालत से सुनावल गइल उमिरकैद के सजा के राँची हाई कोर्ट बहाल रखलसि. ई लोग हाई कोर्ट से गोहार लगवले रहुवे कि एह मामिला में ओह लोग का खिलाफ कवनो सुबूत ना मिलला का बावजूद परिस्थितजन्य साक्ष्य का आधार पर सजा सुनावल गइळ बा जवना के रद्द कइल जाव.

आखिरी साल वाला इम्तिहान लिहले बिना स्नातक भा स्नाकोत्तर उपाधि ना दीहल जा सके. सुप्रीम कोर्ट में विद्यार्थियन के नाम पर गोहार लगावल गइल रहुवे कि कोरोना महामारी के हालात में ओह लोग के बिना इम्तिहान लिहले पिछला परिणाम का आधार पर उपाधि दे दीहल जाव. सुप्रीम कोर्ट के कहना बा कि अइसन कइले ना जा सके. इम्चिहान ट देबहीं के पड़ी. हँ राज्य सरकारन के सलाह दिहलसि कि ऊ लोग चाहे त विश्वविद्यालय आयोग से परीक्षा तिथि बढ़ावे के निहोरा कर सकेला.

कैमूर जिला के अधौरा इलाका के बड़वानकला गाँव में शुक का दिने छापा मारि के पुलिस बीस हजार लीटर देशी शराब आ असलहा का साथे नौ जने के मौका पर से गिरफ्तार कर लिहलसि.

गोट्टा जिला के ललमटिया इलाका के नीमाकला गाँव में एदो आदमी के लाश इनार में से निकालल गइल.

नमामि गंगा प्रोजेक्ट मैनेजर के धमकी देबे, रंगदारी माँगे, आ जान से मारे के धमकी देबे का आरोप में मई में गिरफ्तार भइल जौनपुर के सांसद रहल धनंजय सिंह के जमानत मिल गइल बा आ ऊ रिहा हो गइल बाड़ें.

बाहुबली विधायक आ माफिया सरगना मुख्तार अंसारी के नाजायज संपति का खिलाफ चलत अभियान में शुक का दिने मऊ के बंधारोट पर ग्रीनलैंच के जमीन पर बनल कसाई घर के मकान जेसीबी मशीन से ढाह गीहल गइल.

वाराणसी के जैतपुरा इलाका में भीड़ भरल सड़क पर गोली मार के दू आदमी के जान ले लिहले सँ आ एक जने के घवाहिल क दिहले सँ मोटरसाइकिल सवार अपराधी,

सोनभद्र के दुद्धी इलाका मे वाहन चोर गिरोह के जीन गो लूटेरन के गिरफ्तार कइल गइल. ओहनी का लगे से चार गो चोरावल मोटर साइकिल, एगो कार, आ असलहो बरामद भइल बा.

वाराणसी के दशाश्वमेध घाट इलाका के एगो गेस्ट हाउस में ठहरल अमेरिकी महिला के लाश बरामद भइल बा. ओकर मौत कइसे भइल एकर जाँच पुलिस करत बिया.

कुशीनगर के हाटा इलाका के महुवारी चौराहा का लगे सबेरे सबेरे सड़क का किनारे दउड़ लगावत दू गो नवहियन के कचारत एगो पिकअप वाहन कचारत भाग निकलल. दुनू जने के हालत गंभीर बा.

मिर्जापुर के अहरौरा इलाका के पटिहटा गाँव में एगो कच्चा मकान बरखा का चलते बियफे राति में ढह गइल आ ओहमें सूतल एगो औरत के मौत हो गइल.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: