Go to ...
RSS Feed

बुध 2 सितम्बर 2020 के टटका खबर भोजपुरी में


लालू प्रसाद के राजद वाला गठबन्हन में शामिल रहल हिन्दुस्तानी आवाम मोर्चा अब राजग में आ गइल बा. बुध का दिने जीतन राम माँझी राजग में शामिल हो गइलें. सुशील मोदी उनुकर स्वागत करत कहलन कि लालू के भाव खतम हो गइल बा आ एही चलते उनुका गठबन्हन में भगदड़ मच गइल बा. पहिले ऊ आजु बियफे का दिने शामिल होखे वाला रहलन बाकिर बाद में अपना सरकारी आवास पर मीडिया बोला के बुधे का दिन एकर एलान कर दिहलन बिहार के मुख्यमंत्री रह चुकल जीतन राम माँझी. इहो कहलन कि अबहीं सीट बँटवारा पर कवनो बातचीत नइखे भइल.

संत कबीर नगर जिला के खलीलाबाद इलाका के कटबंध गाँव के एगो आदमी के लाश गाछ पर लटकल बरामद भइल बा. पुलिस के कहना बा कि पहिला नजर में ई आत्महत्या कइल लागत बा जबकि घरवालन के अनेसा बा कि ओकर हत्या कइल गइल बा.

बिना अनुमति लालू प्रसाद से भेंज करे राँची चहुँपल बाराचट्टी विधायक समता देवी के राँची प्रशासन 14 दिन ला क्वारंटाइन कर दिहलसि. जान जाईं कि सुशील मोदी आरोप लगा चुकल बाड़न कि लालू प्रसाद जेले से आपन राजनीति चलावत बाड़न आ ओहिजे से टिकट बाँटे में लागल बाड़न.

हिन्दुवन का बीच के एका तूड़े खातिर ओकर विरोधी जातिगत राजनीति करे में लाग गइल बाड़ें. कुछ लोग के लागत बा कि ब्राह्मण अतना बेवकूफ होखेलें कि ओह लोग के बहका के देश लूटे के अधिकार हासिल कइल जा सकेला. एह काम में तरह के तरह के लोग सोशल मीडिया में नाम बदलि बदलि के अफवाह आ जाति कलह पसारे में लागल बाड़ें. वइसनो अनेरिया हिन्दू नाम ले के एह विवाद के हवा देत बाड़ें जे हिन्दू ना हउवें.

सोनभद्र ब्लड बैंक के दू गो कर्मचारियन के कोरोना भइल मिलला का बाद ब्लड बैंक के दू दिन ला बन्द कर दीहल गइल बा.

बहराइच में एगो भोजपुरी फिलिम के शूटिंग बिना इजाजत करे में लागल हीरो हिरोइन समेत पाँच जने के गिरफ्तार कर लीहल गइल. एह लोग के शूटिंग देखे ला मजमा जुट गइल रहुवे आ लोग बिना मुँहजाबी लगवले आ दैहिक दूरी ना मानत मिलल लोग.

सारण जिला में छपरा सीवान रेलखंड पर एकमा का लगे के संकाय गाँव का नियरा बनल गेट नं 66 क्रासिंग पर तैनात गेटमैन के मौत साँपे कटला का चलते हो गइल. ओह समय ऊ ड्यूटी पर रहुवे. ओकरा के छपरा अस्पताल ले गइल जहाँ से ओकरा के पटना रेफर कर दीहल गइल जहाँ ओकर मौत हो गइल.

कुशीनगर में बनत अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा परिसर में पड़त चार गो मन्दिरन के मंगल का साँझे पूरा विधि-विधान से परिसर का बहरी स्थानान्तरित कर दीहल गइल.

सोनभद्र जिला के अनपरा इलाका में एगो आदमी के चोर बतावत लोग ओकरा के पीट पीट के मुआ दिहलें. पुलिस एह मामिला में चार जने के गिरफ्तार कर लिहलसि.

बलिया जिला के सुखपुरा इलाका में एगो इनार से एगो बूढ़ के सड़ल लाश बरामद भइल बा. ओकर पहचान पता करे के कोशिश हो रहल बा.

कुशीनगर जिला के हाटा पुलिस रामपुर सोहरौना के एगो इनामी अपराधी के गौरीबाजार मोड़ के लगे से गिरफ्तार कर लिहलसि. ओकरा गिरफ्तारी पर पन्द्रह हजार रुपिया के इनाम घोषित रहुवे.

पूर्णिया विश्वविद्यालय के कुलपति प्रोफेसर राजेश सिंह के गोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलपति बना दीहल गइल बा. आपन कार्यभार सम्हरला का दिन से तीन बरीस ले ऊ एह पद पर रहीहें.

जौनपुर जिला के मड़ियाहूं इलाका के सीर गाँव में एगो लड़िका नीचे गिरल 11 हजार के हाईटेशन बिजली तार से छुआ गइला का चलते झँउस गइल. बाद में इलाज का दौरान अस्पताल में ओकर मौत हो गइल. तार बिना उठवले ओहमें बिजली सप्लाई चालू कर दिहल रहे.

बुधो का दिने देश के शेयर बाजार बढ़ती देखवलें आ 185.23 अंक बढ़ि के सेंसेक्स आ 64.75 अंक चढ़ि के निफ्टी बन्द भइल. चार्ट पर बुलिश कैन्डल बनला का बावजूद आजु साप्ताहिक वायदा सीरिज बन्द होखे वाला दिन भइला का चलते उतार चढ़ाव देखे के मिल सकेला,

Tags: , , , , , , , , , , , , ,

More Stories From उत्तर प्रदेश

%d bloggers like this: