web analytics

सिनेमाघर खोले के खबर महज अफवाहे बा

गृह मंत्रालय के प्रेस सूचना विभाग का तरफ से खंडन आ गइल बा कि पहिला अक्टूबर से देश भर के सिनेमा ह़ल खुले जा रहल बाड़ी सँ.
हालही में कुछ अभिनेता, फिल्मकर्मी, आ राजनेता मांग कइले रहलें कि देश भर में सिनेमाघरन के जल्दी से खोल दीहल जाव ना त फिलिम उद्योग से जुड़ल लोग भुखमरी का कगार पर आ जइहें. सिन्माघरन के कर्मचारियनो पर आर्थिक संकट आ गइल बा.
इहे देखत-सुनत अफवाह पसर गइल कि पहिला अक्टूबर से देश भर के सिनेमाघरन के खोल दीहल जाई आ दैहिक दूरी बनावल लोग फिलिमन के आनन्द लीहल फेरु शुरु कर पाई.
बाकिर केन्द्रीय गृह मंत्रालय के तरफ से कहल गइल बा कि अइसनका कवनो प्रस्ताव पर विचार नइखे होखत आ अबहीं सिनेमाघर खोले के कवनो योजना नइखे.

 59 total views,  1 views today

%d bloggers like this: