Go to ...
RSS Feed

Archives for September 2020

भोजपुरी पट्टी से शुक 4 सितम्बर 2020 के खबर भोजपुरी में

बिहार विधान सभा चुनाव ला चुनाव अभियान के शुरुआत जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार सोमार का दिने ऑनलाइल रैली क के करीहें. एकर जानकारी देत जदयू के आधिकारिक बोलतुआ रंजन प्रसाद यादव देत बजवलें कि जगहे जगह एकर प्रसारण कइल जाई जहाँ बिटोराइल लोग उनुकर भाषण सुनीहें. प्रदेश महासचिव शम्भूनाथ

भोजपुरी पट्टी के टटका खबर, बियफे 3 सितम्बर 2020 के

वाराणसी जिला के मंडुवाडीह इलाका के नैपुरवां गाँव में एगो डेढ़ बरीस के लड़िका के मौत घर में राखल पानी के टब में गिरला का चलते हो गइल. चार गो बहिन का बाद ओकर जनम भइल रहुवे. रोहतास जिला के भानस पुलिस चौकी इलाका में कटियारा गाँव का लगे बियफे का दिन एगो संदिग्ध कार

बुध 2 सितम्बर 2020 के टटका खबर भोजपुरी में

लालू प्रसाद के राजद वाला गठबन्हन में शामिल रहल हिन्दुस्तानी आवाम मोर्चा अब राजग में आ गइल बा. बुध का दिने जीतन राम माँझी राजग में शामिल हो गइलें. सुशील मोदी उनुकर स्वागत करत कहलन कि लालू के भाव खतम हो गइल बा आ एही चलते उनुका गठबन्हन में भगदड़ मच गइल बा. पहिले ऊ

टटका खबर, 1 सितम्बर 2020, मंगल के

गोरखपुर के बाल चिकित्सक डॉ कफील खान के इलाहाबाद उच्च न्यायालय रिहा कर दिहलसि. अदालत के कहना बा कि अलीगढ़ मुस्लिम निश्वविद्यालत का सामने जवना भाषण का चलते कफील पर रासुका लगावल गइल ऊ भाषण त एकता आ सद्भाव फैलावे वाला रहुवे. ओह भाषण का चलते खान पर रासुका लगावल गलत रहुवे.बाद में मंगल बुध

देश भर के सिनेमाघरन के दैहिक दूरी बनवले राखत खोले के अनुमति मिले : रवि किशन

गोरखपुर के सांसद आ अभिनेता रवि किशन आजु केन्द्रीय सूचना अउऱ प्रसारण मंत्री प्रकाश जावड़ेकर के पाती भेजि के निहोरा कइलन कि देशभर के सिनेमाघरन के दैहिक दूरी बनवले राखत खोले के अनुमति दीहल जाव. अपना पाती में रवि किशन लिखले बाड़न कि लॉकडाउन शुरू भइला का समये से पूरा देश के सगरी सिनेमाघर बन्द

प्रणव दा के निधन पर सात दिन के राजकीय शोक

पिछला 10 अगस्त के भइल ऑपरेशन का बाद बिगड़त गइल तबियत का चलते वेंटिलेटर पर राखल राष्ट्रपति रहल प्रणव मुखर्जी जी के सोमार का दिने निधन हो गइल. उनुका शोक में देश के सम्मान देखावत 6 सितम्बर ले सात दिन के राजकीय शोक के घोषणा कइल गइल बा. प्रणव दा के समर्थक हर गोल में

‹‹Newer Posts