web analytics

राहुल के नौटंकी के समर्थन कइलें नॉटी राउत

काल्हु हाथरस के विवादित मामला पर विवाद बढ़ावे के नौटंकी करत कांग्रेसी नेता राहुल आ प्रियंका पीआर एजेन्सी का इशारा पर एगो अइसन नौटंकी कर बइठलें जवना से राहुल गाँधी के बचकानापन सभका सोझा आ गइल.

पहिले त ई लोग देश में गैर भाजपा शासित राज्यन में होखे वाला बलात्कारन पर चुप्पी साध लेलें आ भाजपो शासित राज्य में अगर बलात्कारी मुसलमान रही त ओकर नामो ना लेन लोग. कुछ भाँड़ मीडियो एह तरह के हिन्दू विरोधी मानसिकता का तहत एह साजिश में शामिल रहेलें. बलात्कार का घटना में पहिले ई देखल जाला कि बलात्कार कवना राज्य में भइल बा. फेर देखल जाला कि केकर बलात्कार भइल. तब नम्बर आवेला ई जाने के कि बलात्कारी के रहुवे. एकरा बादे शुरु कइल जाला हुआँ-हुआँ.

अगर बलात्कार गहलोत सरकार के राजस्थान में भइल होखे त ओकर चरचा कइल भाँड़ मीडिया आ विरोधी नेतवन ला पाप जइसन होखेला. अगर बलात्कारी कवनो मुसलमान निकलल त ओकर नामो सामने ना आवे दीहल जाई. कवनो पीर मौलवी कुकर्म करत पकड़ाई त मीडिया में ओकरा के बाबा कहि के भा धर्मगुरु कहि के देखावल जाई. लइकी अगर हिन्दू सवर्ण रहल तबो ओकर चरचा ना होखी. बाकिर अगर जे कहीं लइकी दलित हिन्दू निकलल आ आरोपी हिन्दू सवर्ण रहल त ओकरा के एहतरे पेश कइल जाई जइसे कि देश में अइसनका घिनावन पार अउर कहीं होखबे ना करे. आ सोना पर सोहागा तब हो जाई जे राज्य में भाजपा के सरकार रही.

मोदी आ भाजपा सरकार में कवनो घोटाला भेटात नइखे. एहु चलते खोज-खोज के अइसन मुद्दा निकालल जात बा जवना से भाजपा के घेरल जा सके भा जवना के मुद्दा बना के हिन्दुवन के आपस में लड़वावल जा सके.

रउरो याद करे के कोशिश करीं जब ई नौटंकी कवनो मुसलमान आरोपी भा सवर्ण हिन्दू भुक्तभोगी ला भइल होखे. भाजपा के कमजोरी कहीं भा सोझबउकपन कि ऊ एह तरह के मामिलन के उभारे भा देश में आग लगावे वाली कोशिश ना कर पावे. आ एह चलते विरोधियन के बवाल अउरी धारदार लागे लागेला.

राहुल गाँधी अपना सलाहकारन का योजना मुताबिक गिरे के नौटंकी जरुर कइलें बाकिर ढंग से ऊ नौटंकिओ ना कर पावसु. हो सकेला कि निर्देशन कमजोर होखे भा कोरियोग्राफर बाकिर नाम बदनाम त कलाकारे के होखे वाला बा.

पहिला फोटा देखीं जवना में साफ लउकत बा कि पुलिस वाला राहुल गाँधी के रोके के कोशिश कर रहल बा.

दोसरका फोटो में देखीं त ऊ राहुल के गिरे से रोके के कोशिश कइले बा.

बाकिर राहुल सोझ-समुझ के, चिकन जमीन देखि के गिरत एह नीचे वाला विडियो में साफे देखत जा सकेलें.

बाकिर महाराष्ट के मशहूर नॉटी संजय राउत के कहना बा कि पुलिस वाला राहुल के कॉलर पकड़ि के धक्का देके गिरा दिहलसि. एकरे के कहल जाला नौटंकी के समर्थन में नॉटी.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: