web analytics

तातल धीकल टटका खबर, शनिचर, 7 नवम्बर 2020

अब बिहारो में महाराष्ट्र राज आवे के संकेत मिल गइल बा. एक्जिट पोल में करीब करीब हर चैनल पर राग तेजस्वी सुने के मिलत बा. एगो अकेला चैनल सुदर्शन टीवी बावे जवन अबहियों कहत बा कि बिहार में राजग के सरकार फेर बने जा रहल बा. अब सही खबर त दस तारीख का पहिले मिले वाला नइखे, तबले अपना-अपना पसन्द के चैनल देखत रहीं. रउरा मनोभाव से मोदी @narendramodi पर कवनो अन्तर नइखे पड़े वाला.

जइसन उमीद रहुवे वइसने भइल. बम्बे हाई कोर्ट आखिरकार अर्नव गोस्वामी के जमानत नाहिए दिहलसि. एकर इशारा माननीय न्यायाधीश पहिलहीं कई बेर दे चुकल रहलें बाकिर अर्नव समर्थक ओह इशारा के समुझे से इन्कार करत रहलें.

कोरोना लॉकडाउन का बावजूद इसरो आजु आपन पीएसएलवी 49 ईओएस-01 मिशन के सफल प्रक्षेपण कइलसि. एह रॉकेट से अंतरिक्ष में दस गो उपग्रह प्रक्षेपित कइल गइल. एहमें से चार-चार गो उपग्रह अमेरिका आ लक्जमबर्ग के आ एगो लिथुआनिया के रहुवे. साथ ही हिन्दुस्तानो के एगो उपग्रह भेजल गइल बा जवन बर मौसम में धरती के तस्वीर खींच के भेजल करी.

बिहार विधानसभा चुनाव के आखिरी दौर आजु खतम होखे जा रहल बा. अब उहे लोग वोट देबे से बाकी बा जे बूथ पर आ चुकल बा आ अपना बारी के प्रतीक्षा करत बा. जान जाईं कि साँझ चार बजे ले करीब 54 फीसदी मतदान हो चुकल बा. सबले बेसी मतजान दुसरका दौर में 56 फीसदी भइल रहुवे.

आजु बिहार विधानसभा चुनाव के तिसरका आ आखिरी दौर के मतदान चालू बा. 78 सीटन पर हो रहल आजु के चुनाव मे दुपहरिया ले करीब 20 फीसदी मतदान हो गइल बा. पीएम मोदी बिहारियन के गोहार कइले बाड़न कि वोटिंग के रिकार्ड बने के चाहीं.

आजु भौतिक विज्ञान में नोबेल पुरस्कार से सम्मानित वैज्ञानिक भारत रत्न सी. वी. रमन के आ लाल-बाल-पॉल के क्रांतिकारी तिकड़ी के महान स्वतंत्रता सेनानी बिपिन चंद्र पाल के जंयती ह. आजु रमन साहेब के 132 वीं जयन्ती आ पॉल साहब के 162वीं जयन्ती हवे.पर उन्हें नमन किया. देश आजु अपना एह सपूतन के सागर नमन करत बा.

डोनाल्ड ट्रंप के बयान आइल बा कि अमेरिका के राष्ट्रपति चुनाव में भइल आ हो रहल धांधली का खिलाफ उनुका तरफ से कानूनी कार्यवाही शुरू हो गइल बा. कहलन कि गलत तरीका से जो बाइडेन अपना जीते के दावा मत करसु.

जापान में भूकंप के तेज झटका आवे के खबर आइल बा. टोक्यो के दक्खिन पूरब दिशाईं 960 किलोमीटर का दूरी पर ओगासावारा द्वीपसमूह के चिचीजीमा द्वीप पर एकर केन्द्र रहुवे. जान माल के मुकसान के खबर अबहीं विस्तार में नइखे आइल.

केन्द्र सरकार अगिला साल एक जनवरी से सगरी चरपहियन ला टोल प्लाजा पर फास्ट टैग से भुगतान कइल अनिवार्य क दिहलसि. सड़क परिवहन मंत्रालय आजु शनिचर के जारी अपना विज्ञप्ति में कहलसि कि एह बारे में अधिसूचना 6 नवम्बर के जारी हो गइल बा. राष्ट्रीय परमिट वाला गाड़ियन खातिर त ई पहिलहीं से जरूरी रहुवे.

अफगानिस्तान के दक्खिनी प्रांत जाबुल में प्रांतीय परिषद के कार्यालय का नियरा शनिचर के सबेरे एगो बम विस्फोट कइल गउवे, एह हमला में दू जने के जान चलि गइल बा आ चउदह जने घाहिल बाड़ें.

रउरा अगल बगल कवनो कांग्रेसी के वजूद होखे त जान जाईं कि काल्हु ऊ अपना नोटन के बरखी मनाई. ओही दिने चार बरीस पहिले बड़का नोटन के बन्द कइल गइल रहुवे.

 233 total views,  3 views today

%d bloggers like this: