Go to ...
RSS Feed

Archives for April 2021

टटका खबर, शुक, वैशाख अन्हरिया चतुर्थी, 2078 विक्रमी

पश्चिम बंगाल समेत चार राज्य आ एगो केंद्र शासित प्रदेश पुड्डुचेरी में भइल विधानसभा चुनावन के एक्जिट पोल में भाजपा के तीन विधानसभा में मिलल बढ़त सामने आइल बा. करीब करीब सगरी पोलहा अंदाज लगवले बाड़ें कि ओहिजा भाजपा के बड़हन बढ़त मिलल बा. पिछला बेर तीने सीट जीत पावे वाली भाजपा अबकी सरकार बनावे

टटका खबर, बियफे, वैशाख अन्हरिया तृतिया, 2078 विक्रमी

कोविड महामारी के बहुते खराब दौर से गुजरत हालात में पूरा दुनिया से भारत के सहायता के प्रसाताव आइल बा. बाकिर भारत सरकार ओहि देशन के सहायता प्रस्ताव पर विचार करत बा जिनका से भारत के विकास साझेदारी चलत बा. चीन आ पाकिस्तान का तरफ से आइल प्रस्तावन पर सरकार कुछुओ बोले से परहेज करत

टटका खबर, बुध, वैशाख अन्हरिया प्रतिपदा, 2078 विक्रमी

कोलकाता उच्च न्यायालय काल्हु मंगल का दिने चुनाव आयोग से कहलसि कि कोरोना का चलते बनल हालात काबू में राखे खातिर आयोग मद्रास उच्च न्यायालय के एह बारे मे दीहल फैसला के सटीक तरीका से आ सख्ती का साथ पूरा के पूरा लागू करे. ओने मद्रास उच्च न्यायालय आयोग के चेतवले बा कि अगर 30

टटका खबर, मंगल, चईत पूर्णिमा, 2078 विक्रमी

रउरा सभे के हनुमान जयंती पर हार्दिक शुभकामना. रउरा सभका आशीर्वाद से भोजपुरी के पहिलका वेबसाइट अँजोरिया के विश्वव्यापी रैंक आजु अबहीं 3 लाख 30 हजार 877 आ देश में रैंक 23 हजार 746 के बा. पश्चिम बंगाल विधानसभा के सतवां डेग के मतदान काल्हु सोमार का दिने छोटमोट हिंसा का साथे करा लीहल गइल.

टटका खबर, सोमार, चतुर्दशी, चईत अँजोरिया, 2078 विक्रमी

काल्हु अपना मन का बात कार्यक्रम में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहलन कि कोरोना के पहिलका लहर के हरवला का बाद हौसला से भरल देश दुसरको लहर के तूफान से पार पा ली. कहलन कि कोरोना के दुसरका लहर हमनी के धीरज आजमावत बा. कहलन कि लोग अफवाहन पर ध्यान ना दे के एकरा से निपटे

टटका खबर, अतवार, त्रयोदशी. चईत अँजोरिया 2078 विक्रमी

राष्ट्रपति भवन में काल्हु भइल एगो सादा समारोह में न्यायमूर्ति एन. वेंकट रमणा के भारत के प्रधान न्यायाधीश के किरिया धरावल गइल. ऊ देश के 48वां प्रधान न्यायाधीश होइहें. 16 महीना ले अपना पद पर रहला का बाद न्यायमूर्ति रमणा अगिला साल 26 अगस्त के सेवानिवृत हो जइहें. एह किरिया धराई समारोह में राष्ट्रपति रामनाथ

टटका खबर, शनीचर, द्वादशी, चईत अँजोरिया, 2078 विक्रमी

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी काल्हु शुक का दिने कोरोना प्रभावित राज्यन के मुख्यमंत्रियन का साथे ऑनलाइन बइठक क के हालात से निपटे के चरचा कइलन. कहलन कि सगरी राज्यन के एकजुट होके कोरोना से लड़े के बा. करनी ना धरनी धियवा होंठ बिदोरनी वाला अरविन्द केजरीवाल एह बइठक के लाइव प्रसारण करवा के सोशल मीडिया पर

टटका खबर, शुक, एकादशी, चईत अँजोरिया, 2078 विक्रमी

पश्चिम बंगाल के 43 गो विधानसभा सीटन पर करावल गइल मतदान में करीब 79 फीसदी मतदान के खबर बा. एकरा साथही पश्चिम बंगाल चुनाव के छह डेग पूरा हो गइल आ अब दू चेग अउर रहि गइल बा. एही बीच निर्वाचन आयोग अबसे पश्चिम बंगाल में रोड शो, पदयात्रा, साइकिल भा वाहन रैलियन पर काल्हु

टटका खबर, बियफे, दशमी, चईत अँजोरिया, 2078 विक्रमी

देश के विरोधी गोल चाहे ऊ राजनीति में होखो, मीडिया में होखो, प्रशासन में होखो, सरकार चलावत होखो, भा पंचइति करे में लागल होखो बुझात बा कि बाकायदा एगो टूल किट बना के देश के माहौल बिगाड़े में लागल बा. अपना देश के लोग त कउवा कान ले गइल सुनते कउवा का पाछा भागे लागेला

टटका खबर, बुध, नवमी. चईत अँजोरिया, 2078 विक्रमी

रउरा सभे के श्रीरामनवमी के पावन पर्व पर हार्दिक अभिनन्दन आ शुभकामना. बिना कवनो पूर्व सूचना प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी काल्हु सँझिया में राष्ट्र का नामे आपन संदेश देत संत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहनी कि तूफान बनिके आइल कोरोना महामारी के दुसरकी लहर एगो बड़हन चुनोती बनल बा बाकिर हमनी का एकजुट हो के धीरज, अनुशासन,

टटका खबर, मंगल, चईत अँजोरिया अष्टमी, 2078 विक्रमी

बिहार के उप मुख्यमंत्री रहल आ अबहीं भाजपा के राज्यसभा सांसद सुशील कुमार मोदी राजद नेता शिवानंद तिवारी पर तंज कसत कहले बाड़न कि जवन आदमी लालू के जेल भिजवावे के काम कइलसि ऊ एह घरी अपना पुत्र मोह में लालू चालीसा पढे लागल बा. कहलन कि अगर शिवानन्द में समाजवाद ले के ईमानदारी रहीत

पप्पू अबहियों टीका ना लगवा पाई

जिन्दा पूर्व प्रधानमंत्रियन में से पचास प्रतिशत पूर्व प्रधानमंत्रियन के कोरोना छूताह भइला का चलते दिल्ली के एम्स में भरती करावल गइल बा. छूताह भइल पूर्व प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह कतना प्रतिशत छूताह बाड़ें से नइखे मालूम. वइसे मानल जा सकेला कि शतप्रतिशत छूताह भइल होखीहन. मनमोहन सिंह हालही में मौजूदा पीएम नरेन्द्र मोदी के सलाह

टटका खबर, सोमार, चईत अँजोरिया सप्तमी, 2078 वि.

साथ में दीहल चित्र का बाद कोरोना महामारी के एह दुसरका छलांग का बारे में कुछ अउर कहे के जरुरत नइखे बाकिर जान लीं कि एह बीमारी से दुनिया में अबले 30 लाख से अधिका लोग के मौत हो चुकल बा आ रोजे हजारों लोगन के मौत के सिलसिला बरकरार बा. काल्हु अपना देश में

टटका खबर, अतवार, चईत अँजोरिया षष्ठी, 2078 विक्रमी

ना चाहतो बतावहीं के बा कि देश में कोरोना के पसार में आईल तेजी थथमे के नाम नइखे लेत. काल्हु शनीचर का दिने देश में कोरोना के 2 लाख 34 हजार 692 नया मरीज मिलला का साथही छूताह हो गइल लोगन के गिनिती 1 करोड़ 45 लाख 26 हजार 609 हो गइल. तोस के बाति

ट्वीटर के परीक्षण सफल रहल

इयाद बा, कइसे कई बरीस पहिले एक दिन पूरा देश में गणेश जी के मूर्ति दूध पिये लागल रहली सँ ? उहो एगो परीक्षण रहुवे. कबो एह बाति के पक्का प्रमाण त सामने ना आइल बाकिर कहे वाला आजुओ कहेलें, मानेलें कि ऊ एगो सफल परीक्षण रहुवे. ओहमें परीक्षण करे वाला गोल ई देखल चहले

टटका खबर, शनीचर, चईत अँजोरिया पंचमी, 2078 विक्रमी

कोरोना महामारी का चलते परीक्षा टारल जाए के क्रम में अब सीआईएससीई बोर्डो आपन दसवीं आ बारहवीं के परीक्षा टारे के एलान क दिहलसि. बाकिर सीबीएसई का तरह ऊ आपन परीक्षा रद्द नइखे कइले आ कहले बा कि जून के पहिला हफ्ता में एह बारे में फैसला लीहल जाई. रउआ सभ के ई जान के

टटका खबर, शुक, चईत अँजोरिया चतुर्थी, 2078 विक्रमी

चुनाव के चार डेग चल चुकला आ पाँचवा उठे जा रहल डेग का बादो तृणमूल कांग्रेस खेला होबे के उमेद नइखे छोड़ले. जइसे एगो हैदराबादी मुस्लिम नेता के बयान आइल रहुवे कि पन्द्रह मिनट ला पुलिस हटा लीहल जाव त ऊ हिन्दुवन के सफाया करवा दीहें. कुछ वइसने गलतफहमी पलले ममता बनर्जी सोचत बाड़ी कि

टटका खबर, बियफे, चईत अँजोरिया तृतिया 2078 विक्रमी

कोरोना महामारी का हाहाकार का बीच बेबस सरकार आखिरकार सीबीएसई के 10वीं के परीक्षा रद्द क के एगो नियत पैमाना का हिसाब से परिणाम तय कर दी. अगर कवनो विद्यार्थी एबसे सहमत ना होखी त ऊ बाद में होखे वाला परीक्षा देके आपन परिणाम सुधरवावे के मौका पा सकी. 12वीं का परीक्षा अबहीं टारल गइल

टटका खबर, बुध, चईत अँजोरिया दूज, 2078 विक्रमी

काल्हु मंगल का दिने वीडियो कांफ्रेंसिंग का जरिए रायसीना संवाद के उद्घाटन करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहनी कि आर्थिक विकास ला आन्हर दौड़ में आदमी अइसन अझूराइल कि मानवता के कल्याण पीछे छूट गइल. कहलन कि एही आपाधापी के परिणाम बा कि सगरी दुनिया आजु महामारी का गिरफ्त में आ गइल बा. कहलन कि दू

टटका खबर, मंगल, चईत अँजोरिया एकम, 2078 विक्रमी

आजु से अपना देश में नया संवत के शुरुआत हो रहल बा. एह मौका पर राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद आ उप राष्ट्रपति वेंकैया नायडू चैत्र शुक्लादि, उगादी, गुड़ी पड़ा अउऱ वैशाखी समेत अनेक रुप में मनावल जाए वाला त्योहारन पर देशवासियन के बधाई आ शुभकामना दीहले बानी. अखिल भारतीय आयुर्विज्ञान संस्थान, नयी दिल्ली में भइल सफल

Older Posts››