web analytics

टटका खबर, शुक, 9 अप्रैल 2021

वाराणसी के काशी विश्वनाथ परिसर में बनल ज्ञानवापी मस्जिद के पुरातात्विक सर्वेक्षण करावे के आदेश सिविल जज (सीनियर डिवीजन फास्टट्रैक) आशुतोष तिवारी दे दिहलन. ई पुरातात्विक सर्वेक्षण करवावे के गोहार वादमित्र विजय शंकर रस्तोगी कऩले रहलें जवना के अदालत सकार लिहलसि. अब विश्वनाथ मंदिरो के मुगल अत्यातार से मुक्ति के राह मिले के उमेद हो गइल बा. जान जाईं कि मथुरा के श्रीकृष्ण मंदिरो के इदगाह से मुक्त करावे के मामिला ओहिजा के अदालत में चल रहल बा.

भठियरपन के आरोप के सीबीआई जाँच करवावे के पाई कोर्ट का आदेश का खिलाफ सुप्रीम कोर्ट में गोहोर लगावे चहुँपल महाराष्ट्र सरकार आ ओकर गृह मंत्री रहल अनिल देशमुख के याचिका बियफे का दिने खारिज हो गइल. सुप्रीम कोर्टो मनलसि कि आरोप गंभीर बा आ एकर जांच होखे के जरुरत बा. बॉम्बे हाई कोर्ट अबहीं एह मामिला के प्रारम्भिके जांच करवावे के कहले बा एहसे एहमें कवनो हस्तक्षेप नइखे कइल चाहत सुप्रीम कोर्ट. ओने सीबीआई के टीम मुंबई चहुँप के काम शुरु कर दिहले बिया. जान जाईं कि पालघर में भइल साधुवन के निर्मम हत्या के पाप एह सरकार के ले डूबी.

काल्हुवे एगो अउर मामिला में सुप्रीम कोर्ट आदेश दे दिहलसि कि जरुरी प्रक्रिया के पालन करत रोहिंग्यन के वापिस कइल जा सकेला, जान जाईं कि जम्मू से धराइल रोहिंग्यन के समर्थन में प्रशांत भूषण नाम के एगो वकील सुप्रीम कोर्ट में गोहार लगवले रहुवे जवना पर अदालत के ई फैसला आइल बा. अदालत ओहनी के कवनो तरह के राहत ना दिहलसि आ कहलसि कि ओहनी के पूरा प्रक्रिया के पालन करत म्यांमार भेजल जाव.

वायदा कारोबार के साप्ताहिक समाप्ति का दिने बियफे के शेयर बाजार में तेजी दर्ज भइल. सेंसेक्स में 84 अंक के आ निफ्टी में 55 अंक के बढ़त भइल.

जौनपुर के कोतवाली इलाका में मंगल से गायब शंभूगंज के गहना व्यवसायी के लाश एगो टायर दुकान का बगल में पंचर बनावे वाला का गुमटी का लगे मिल गइल.

काल्हु बियफे का दिने कौशांबी के शीतला धाम कड़ा इलाका के फरीदगंज गांव में ट्रैक्टर से कचरा के एगो लइका के ठाँवे पर मौत हो गइल.

देवरिया के मईल इलाका में बुधवार के देर रात भोज खा के घरे आवत एगो आदमी के पीट-पीटके मुआ दीहल गइल.

गोण्डा जिला के नगर कोतवाली इलाका के खैरा खास गांव मे चुनावी रंजिश मे प्रधान प्रत्याशी के विरोधी उनुका भाई के पीट पीट के मुआ दिहले सँ. एह हमला में तीन जने अउर घवाहिलो भइल बाड़ें.

सोनभद्र जिला के रायपुर इलाका के वैनी गांव के एगो आदमी के हत्या मामिला के जाँच का बाद पुलिस ओकरा मेहरारु आ मेहरारु के आशिक के गिरफ्तार कर लिहलसि.

बस्ती जिला के मुण्डेरवा इलाका में हाल ही में भइल एगो हत्या का मामिला में दस गो आरोपियन के गिरफ्तार कइल गइल बा.

सारण जिला के रसूलपुर इलाका में काल्हु बियफे का दिने चपरैठा गाँव का लगे ट्रक का धक्का से एगो बाइक सवार नवही के मौत हो गइल. मरे वाला नवही सीवान जिला के जलालपुर मठिया गांव के रहुवे.

बस्तर में नक्सलियान का गिरफ्त में 3 अप्रैल से पड़ल सुरक्षा बल के जवान राकेश्वर सिंह के बियफे का साँझ में छोड़ दिहलन स नक्सली. एह मामिला में बिचवनियन से का समझौता भइल से सामने नइखे आइल. प्रशासन के कहना बा कि बिना शर्त छोड़ले बाड़न स. हालांकि एह दावा पर भरोसा करे के मन नइखे करत.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: