Go to ...
RSS Feed

टटका खबर, शुक, चईत अँजोरिया चतुर्थी, 2078 विक्रमी


चुनाव के चार डेग चल चुकला आ पाँचवा उठे जा रहल डेग का बादो तृणमूल कांग्रेस खेला होबे के उमेद नइखे छोड़ले. जइसे एगो हैदराबादी मुस्लिम नेता के बयान आइल रहुवे कि पन्द्रह मिनट ला पुलिस हटा लीहल जाव त ऊ हिन्दुवन के सफाया करवा दीहें. कुछ वइसने गलतफहमी पलले ममता बनर्जी सोचत बाड़ी कि अबहियों चुनाव आयोग एगो मौका दे देव त पिछला सगरी डेग के हिसाब बराबर करा लीहें. कहत बाड़ी कि चुनाव आयोग बाकी के तीनो डेग एके डेग में नाप लेव. आ एकही दिन तीनो डेग के चुनाव करवावे. अलग बाति बा कि आयोग उनुका के मौका नइखे देबे वाला. पाँचवा डेग के चुनाव काल्हु शनीचर का दिने होखे जा रहल बा.

चइती छठ महापर्व आजु से शुरु हो रहल बा. बाकिर बिहार में लगातार बढ़त कोरोना छूत का चलते एह साल प्रशासन सख्त हिदायत दिहले बावे कि सार्वजनिक जगहन आ घाटन पर अर्घ्य ना दे के अपना घरहीं दीहल जाव. आँगन भा छत पर पानी के छोट-छोट हौज बना के ई काम कइल जा सकेला.

हिन्दू पर्व आ मुस्लिम पर्व पर प्रशासन के दोगला रुख आजादी का बादे से देखे के मिलत आइल बा. रमजान का महीना में सार्वजनिक जगहन पर सामूहिक नमाज पर ओतना कड़ा रुख ना ले पाई प्रशासन जतना कड़ा रुख ऊ हिन्दुवन पर ले लेला. दिल्ली उच्च न्यायालय रमज़ान का दौरान निजामुद्दीन मरकज मस्जिद में नमाज करे के इजाजत दे दीहले बा. जान जाईं कि पर साल कोरोना का शुरुआत में एह मरकज पर जमा भीड़ आ कोविड प्रोटोकॉल के उल्लंघन का बाद मरकज के बंद कर दीहल गइल रहुवे. बाकिर अब अदालत एकरा के खोले के इजाजत दे दिहलसि. कहलसि कि ऊ लोग दिल्ली पुलिस के गोहार लगा के अउरी सहूलियत पावे के कोशिश कर सकेला.

सुप्रीम कोर्ट भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन के वैज्ञानिक नम्बी नारायणन पर 1994 में लगवल जासूसी के अछरंग आ ओकरा बाद भइल उनुकर प्रताड़ना के जाँच सीबीआई से करावे के आदेश दिहले बावे. श्री नारायणन के फर्जी जासूरी कांड में फंसावे वाला अधिकारियन का खिलाफ अब सीबीआई जांच करी.

आईपीएल नीलामी में सबले महँग बेचाइल खिलाड़ी क्रिस मौरिस काल्हु महज 18 गेंद पर नाबाद 36 रन के जबरदस्त पारी खेलत राजस्थान रॉयल्स के जीतवा दिहलन. दिल्ली कैपिटल्स मैच हार गइल.

जौनपुर भारतीय जनता पार्टी के जिला अध्यक्ष रहल आ तिलकधारी महाविद्यालय के प्रबंधक अशोक कुमार सिंह चौहान के निधन बियफे का दिने वाराणसी में हो गइल.

वायदा कारोबार के साप्ताहिक निपटान का दिने काल्हु बियफे के शेयर बाजार में आखिरी घंटा में आइल जोरदार लिवाली का चलते बाजार बढ़त ले के बंद भइली सँ. सेंसेक्स में 260 अंक के आ निफ्टी में करीब 77 अंक के तेजी दर्ज भइल.

सारण जिला के तरैया इलाका के डुमरी छपिया गांव के आदमी साइकिल से टीका लगवावे जात घरी मोटरसाइकिल का धक्का से घवाहिल हो गइलें आ उऩुकर मौत हो गइल.

यूपी पंचायत चुनाव के पहिलका डेग में काल्हु प्रदेश के 18 जिलन में मतदाल करावल गइल. एह डेग में गोरखपुर, जौनपुर, प्रयागराज, भदोही, झांसी, बरेली, अयोध्या, आगरा, कानपुर, गाजियाबाद, महोबा, रामपुर, रायबरेली, श्रावस्ती, संत कबीर नगर, सहारनपुर, हरदोई अउर हाथरस में मतदान करावल गइल. कवनो जगहा से बड़हल बवाल के खबर नइखे.

बिहारो में पंचायत चुनाव करावे के तारीखन के एलान दू तीन दिन में हो जाए के उमेद बा. प्रशासनिक तइयारी हो चुकल बा आ अब एलाने भर बाकी बा.

Tags: , , , , , , ,

More Stories From चुनाव

%d bloggers like this: