
बिहार के उप मुख्यमंत्री रहल आ अबहीं भाजपा के राज्यसभा सांसद सुशील कुमार मोदी राजद नेता शिवानंद तिवारी पर तंज कसत कहले बाड़न कि जवन आदमी लालू के जेल भिजवावे के काम कइलसि ऊ एह घरी अपना पुत्र मोह में लालू चालीसा पढे लागल बा. कहलन कि अगर शिवानन्द में समाजवाद ले के ईमानदारी रहीत त बेनामी सम्पत्ति के आरोपी तेजस्वी प्रसाद यादव के बचाव ना करतन, आ अगर सामाजिक न्याय ला निष्ठा रहीत त ऊंच जाति के गरीबन ला 10 फीसद आरक्षण देबे के समर्थन करतन.
यूपी के पांच गो शहर – लखनऊ, कानपुर, प्रयागराज, वाराणसी, अउर गोरखपुर – में पूरा लॉकडाउन लगावे के इलाहाबाद उच्च न्यायालय के निर्देश का बावजूद मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ तइयार नइखीं एकरा ला. कहनी कि जिनिगी बचवला का साथही गरीबन के जिविको बचावल जरुरी बा. जान जाईं कि गँवे-गँवे न्यायपालिका अपना मर्यादा रेखा के लाँघत अब प्रशासनिक आ राजनीतिक निर्जेश देबे लागल बाड़ी सँ. अगर सभकुछ के फैसला न्यायालये ले ली त देश में सरकारन के का जरुरत बा. पहिले त जज अपना बहाली के अघिकार हड़प ले के बइठल बाड़ें. दुनिया के कवनो देश में जज बहाली के अइसन व्यवस्था नइखे कि जजे तय करीहें कि केकरा के जज बनावल जाई केकरा के ना. आ बहाली के निरंकुश हथियार हथिया लिहला का बाद अब न्यायपालिका कार्यपालिका के अधिकार क्षेत्र में दखल दीहल शुरु कर दिहलें बाड़ें. देर सबेर देश के एहू दिशाईं सोचे के पड़ी.
उत्तर प्रदेश में हो रहल पंचायत चुनाव के दुसरका डेग में 20 गो जिलन में छिटपुट बवाल का साथे 73 प्रतिशत मतदान भइला के खबर बा. सबले बेसी 70 प्रतिशत मतदान गौतमबुद्धनगर में आ सबले कम 51 प्रतिशत मतदान गोंडा में होखे के खबर बा.
रोहतास जिला के बिक्रमगंज इलाका में बरुना गाँव का नियरा भइल सड़क हादसा में दू गो बाइकन के टक्कर में दू गो भाईयन के मौत हो गइल. चुर्ती गाँव के ई दुनु भाई बिक्रमगंज जात रहलें जब सामने से आवत एगो बेकाबू बाइक उनुका बाइक के धक्का मार दिहलसि.
काराकाट इलाका के चिल्हा गाँव में नवमी पूजा करे आइल एगो आदमी के ओकर भतीजा गोली मार के फरार हो गइल. गोली से घवाहिल आदमी के मौत हो गइल.
पश्चिम बंगाल में चुनाव के छठवां डेग में चार जिलन के 43 गो विधानसभा सीटन पर चुनाव प्रचार के काम काल्हु सोमार साँझ से थथम गइल. एहिजा 22 तारीख के वोट डालल जाई. पश्चिम बंगाल में असली टक्कर भाजपा आ तृणमूल का बीच बा बाकिर सभ छँवड़ी झूमर बाड़े त लंगड़ी कहे हमहूँ वाला अंदाज में बँवारा गोल के गठबन्हन आपन ढपली बजावल नइखे छोड़ले. ओकरा लागत बा कि बिलाइयन का झगड़ा में रोटी बनरा हड़प ली. एह बीच पूर्व वर्द्धमान जिला के पुलिस अधीक्षक भाष्कर मुखर्जी के हटा के चुनाव आयोग उनुका जगहा अजीत कुमार सिंह के तैनात क दिहले बावे.
आल राउंडर रवींद्र जडेजा (28 रन देके दू गो विकेट चटकावे आ चार गो कैच लीहलन) आ मोईन अली (सात रन दे के तीन गो विकेट लीहलन) का चलते आईपीएल मैच में चेन्नई सुपरकिंग्स 45 रन से राजस्थान रॉयल्स के हरा दिहलसि.
कोरोना महामारी का चलते घबराइल निवेशक शेयर बाजार में बिकवाली पर उतर गइलें आ सोमार का दिने सेंसेक्स में 883 अंक आ निफ्टी में 258 अंक के गिरावट दर्ज भइल. आजु बाजार सपाट खुले के उमेद बा बाकिर हाल फिलहाल तेजी आवे के उमेद नइखे देखल जात एशियाई आ अमेरिकी बाजारो से गिरावटे के खबर आ रहल बा.