Go to ...
RSS Feed

टटका खबर, शुक, एकादशी, चईत अँजोरिया, 2078 विक्रमी


File photo

पश्चिम बंगाल के 43 गो विधानसभा सीटन पर करावल गइल मतदान में करीब 79 फीसदी मतदान के खबर बा. एकरा साथही पश्चिम बंगाल चुनाव के छह डेग पूरा हो गइल आ अब दू चेग अउर रहि गइल बा. एही बीच निर्वाचन आयोग अबसे पश्चिम बंगाल में रोड शो, पदयात्रा, साइकिल भा वाहन रैलियन पर काल्हु बियफे साँझ से कोरोना महामारी का चलते रोक लगा दिहले बा. अब पाँचौ से अधिका लोग जुटे वाला कवनो रैलियो ना होखी. बजलऽ ए शंख बाकिर बहुते गँवा के.

देश में काल्हु करीब 1 लाख 36 हजार लोग कोरोना छूताह भइला का बाद ठीक हो गइलन. अबहीं ले 1 करोड़ 34 लाख से अधिका लोग कोरोना भइला का बाद ठीक हो गइल बाड़ें. अहसे घबरइला के जरुरत नइखे. बेमतलब अपना घर में आक्सीजन सिलिण्डर मत जोगाड़ीं. रेमसेडेविर इंजेक्शनो का पीछे मत पड़ीं. ई कोरोना के कवनो रामवाण इलाज ना हवे.

यूपी के शाहजहाँपुर में भइल एगो रेल हादसा में पाँच जने के मौत हो गइल आ आधा दर्जन लोग घवाहिल हो गइल. कटरा इलाका में नेशनल हाईवे 24 पर बनल हुल्लासनगरा रेलवे क्रॉसिंग फाटक पर ई हादसा भइल जब लाइन पार करे का होड़ में दू गो ट्रक, एगो वान, अउर एगो बाइक लखनऊ चंडीगढ़ सुपरफास्ट एक्सप्रेस का चपेटा में आ गइले.

मार्क्सवादी कम्युनिस्ट पार्टी के महासचिव सीताराम येचुरी के बेटा आशीष येचुरी के काल्हु कोरोना का चलते मौत हो गइल. देश के सगरी नेता आपन शोक जतवले बाड़ें.

बक्सर जिला के राजपुर इलाका के रसेन गाँव में एगो ट्रैक्टर पलटला से एगो नवही के मौत हो गइल आ एक आदमी गभीराहे घवाहिल हो गइल.

सासाराम के मशहूर चिकित्सक डॉ उपेन्द्र वर्मा के कोरोना से मौत हो गइल बा.

बॉलीवुड के नदीम श्रवण जोड़ी के लोकप्रिय संगीत निदेशक श्रवण राठौड़ के मौत काल्हु बियफे का दिने कोरोना से हो गइल.

पश्चिम चंपारण जिला के भंगहा इलाका में सशस्त्र सीमा बल के जवान एगो तस्कर के पांच किलो चरस का साथे गिरफ्तार क लिहले.

सारण जिला के गड़खा इलाका में शिवहरियां चंवर से 45 बरीस उमिर का लगभग के एगो अनजान आदमी के लाश मिलल बा.

मिर्जापुर के चील्ह इलाका के सारीपट्टी गांव में बियफे सबेरे एगो ट्रक से कचरा के एगो औरत के मौत हो गइल.

जौनपुर के सरायख्वाजा इलाका के धौरईल गांव के एगो डाक्टर के बाइक से आइल बदमाश गोली मारके भाग गइलें. घवाहिल डाक्टर के खराब हालत देखत वाराणसी रेफर क दीहल गइल.

गोण्डा जिला के मोतीगंज इलाका के तरगांव में तेज आंधी में गिरल दीवाल का नीचे दबइला से एक आदमी के मौत हो गइल आ दू जने घवाहिल हो गइलें.

झारखंड के पलामू जिला के लेस्लीगंज में पेट्रोलिंग पर निकलल वाहन पलटला से एगो पुलिस सब इंस्पेक्टर के मौत हो गइल आ तीन गो पुलिसकर्मी घवाहिल हो गइलें.

बक्सर जिला के राजपुर इलाका में बियफे का भोरे एगो ट्रैक्टर पलट गइल आ रसेन गांव के एगो आदमी के मौत हो गइल आ एक आदमी घवाहिल हो गइल.

दुनिया का शेयर बाजारन से मिलल संकेतन के असर भारतो के शेयर बाजार पर पड़ल आ साप्ताहिक वायदा बाजार के समापन का दिने बाजार तेजा में लवटि आइल. आजु शुक का दिने विदेशी बाजारन के संकेत गिरावट के बा.

आईपीएल क्रिकेट में काल्हु रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु दस विकेट से राजस्थान रॉयल्स के हरा दिहलसि.

Tags: , , , , , , , , , , , , , , ,

More Stories From चुनाव

%d bloggers like this: