Go to ...
RSS Feed

टटका खबर, शनीचर, द्वादशी, चईत अँजोरिया, 2078 विक्रमी


प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी काल्हु शुक का दिने कोरोना प्रभावित राज्यन के मुख्यमंत्रियन का साथे ऑनलाइन बइठक क के हालात से निपटे के चरचा कइलन. कहलन कि सगरी राज्यन के एकजुट होके कोरोना से लड़े के बा. करनी ना धरनी धियवा होंठ बिदोरनी वाला अरविन्द केजरीवाल एह बइठक के लाइव प्रसारण करवा के सोशल मीडिया पर थूथू के निशाना बन गइल. हालांकि अपना गैर जिम्मेदाराना हरकत खातिर ऊ पीएम से माफी मँगलस. ओकर आदते हो गइल बा कुछ ना कुछ कहत रहे के आ बाद में माफी मांग लेबे के.

महाराष्ट्र के विरार शहर के विजय वल्लभ अस्पताल के आईसीयू वार्ड में शुक का भोरे लागल आग का चलते नाहियो त 15 मरीजन के मौत हो गइल.

पटना जिला के अकीलपुर गाँव के एगो वैवाहिक कार्यक्रम में शामिल होखे ला शुक का भोरे पिकअप वान से पीपापुल पार करत घरी वान नदी में गिर गइला का चलते नाहियो त नौ आदमी के मौत हो गइल. कुछ लोग पँवड़ के आपन जान बचा लीहल.

सारण जिला के रिविलगंज इलाका मे गौतम स्थान टीसन का लगे अपना ट्रक पर गिट्टी लदवावत एगो आदमी के हाईवा से कचार के उनुकर जान ले लीहल गइल.

मिर्जापुर जिला के बिन्ध्याचल इलाका के गैपुरा गाँव के एगो औरत अपना मरद के कोरोना से मौत का दुख में पगला के आग लगा के मर गइल. बाद में दुनु के अंतिम संस्कार एको साथ कइल गइल.

जौनपुर जिला के मुंगराबादशाहपुर इलाका के मुड़ाव गाँव का लगे कान में इयरफोन लगवले रेल लाइन पर घूमत एगो नवही ट्रेन से कटा गइल.

पश्चिम चंपारण जिला के चौतरवा इलाका के परसौनी-धरमकता चौक का लगे बियफे अधरतिया भइल एगो सड़क हादसा में बाइक सवार दू गो नवहियन के मौत हो गइल. दुनु एगो बारात में शामिल भइला का बाद अपना घरे लवटत रहलें.

आईपीएल मैच में काल्हु पंजाब किंग्स नौ विकेट से मुंबई इंडियंस के हरा दिहलसि.

शुक का दिने देश के शेयर बाजार फेरु बिकवाली का चलते गिरावट का साथे बंद भइलें. सेंसेक्स 202 अंक गिर के आ निफ़्टी 65 अंक गिर के बन्द भइल.

Tags: , , , , , , , ,

More Stories From देश-दुनिया

%d bloggers like this: