web analytics

टटका खबर, सोमार, 12 अप्रैल 2021

वरिष्ठ साहित्यकार नरेंद्र कोहली कोरोना छूताह भइला का बाद दिल्ली के सेंट स्टीफन अस्पताल में भर्ती करावल गइल बाड़ें. 81 बरीस के नरेन्द्र कोहली होल ही में भइल एगो संघ कार्यक्रम में शामिल भइल रहलें. ओही कार्यक्रम में संघचालक मोहन भागवतो कोरोना छूताह भइल रहलें. कोहली के हालत गंभीर बा आ उनुका के वोंटिलेटर पर … Read more

 27 total views

टटका खबर, अतवार, 11 अप्रैल 2021

पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव के चउथका डेग पाँच गो अनेरियन के जान ले के बीतल. कुछ दिन पहिले ममता बनर्जी अपना गोल के सहकवले रहली कि अगर सुरक्षा बलन का चलते कवनो दिक्कत होखत होखे त सुरक्षा बल के घेरा बान्ह द लोग. एही सहकावा में आ के कूचबिहार जिला के शीतलकुची के पागलपीर में … Read more

 25 total views

टटका खबर, शनीचर, 10 अप्रैल 2021

ब्रिटेन के महारानी एलिजाबेथ द्वितीय के पति प्रिन्स फिलिप के मौत काल्हु 99 बरीस का उमिर में हो गइल. एलिजाबेथ से उनुकर बियाह 1947 में तब भइल रहुवे जब ऊ महारानी ना बनल रहली. ब्रिटेन का इतिहास में सबले अधिका समय ले कवनो महारानी के कन्सॉर्ट रहल प्रिंन्स फिलिप चार बरीस पहिले 2017 में सार्वजनिक … Read more

 22 total views

टटका खबर, शुक, 9 अप्रैल 2021

वाराणसी के काशी विश्वनाथ परिसर में बनल ज्ञानवापी मस्जिद के पुरातात्विक सर्वेक्षण करावे के आदेश सिविल जज (सीनियर डिवीजन फास्टट्रैक) आशुतोष तिवारी दे दिहलन. ई पुरातात्विक सर्वेक्षण करवावे के गोहार वादमित्र विजय शंकर रस्तोगी कऩले रहलें जवना के अदालत सकार लिहलसि. अब विश्वनाथ मंदिरो के मुगल अत्यातार से मुक्ति के राह मिले के उमेद हो … Read more

 19 total views

टटका खबर, बियफे. 8 अप्रैल 2021

आखिरकार चुनाव आयोग के ममता बनर्जी के नोटिस भेजहीं के पड़ल. काल्हु बुध का दिने आयोग नोटिस भेजि के पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री आ तृणमूल कांग्रेस के मलकिनी ममता बनर्जी से पूछलसि कि ऊ आपन सफाई मे का कहल चाहत बाड़ी से 48 घंटा का भितरे बतावसु. चुनाव आयोग के कहना बा के शुरुआती जाँच … Read more

 16 total views

टटका खबर, बुध, 7 अप्रैल 2021

लोग के उमेद तूड़त मुख्तार अंसारी के जियतं बाँदा जेल चहुँपवलसि यूपी पुलिस. 900 किलोमीटर के सफर 16 घंटा में तय करे में पुलिस आपन रुट तून बेर बदललसि. जान जाईं कि एह पूरा सफर में मीडिया मुख्तार के ले आवत एंबुलेंस का साथे लागल रहली सँ. ओहू लोग के उमेद रहल होखी कि कुछ … Read more

 12 total views

टटका खबर, मंगल, 6 अप्रैल 2021

एक दिन में कोविड के सरीज बढ़े के गिनिती काल्हु आपन पुरान निशान पार करत एगो नया चोजी छू लिहलसि. काल्हु 5 अपेरैल के देश में कोरोना के एक लाख तीन हजार 558 नया मरीज मिललें. एकरा साथही देश भर में कोरोना छूताह हो चुकल लोगन के गिनिती सवा करोड़ पार हो गइल. अब ले … Read more

 19 total views

टटका खबर, सोमार, 5 अप्रैल 2021

हिंदू धर्म के ग्रंथन के जन-जन ले चहुँपावे में लागल गोरखपुर के गीता प्रेस के अध्यक्ष अउर बरीसन से ‘कल्याण’ पत्रिका के संपादक रहल राधेश्याम खेमका के निधन वाराणसी में अतवार का दिने हो गइल. 86 बरीस के खेमका जी कई दिन से बीमार रहनी. वाराणसी के केदारनाथ घाट पर अपना निवास पर उहाँ के … Read more

 24 total views

टटका खबर, अतवार, 4 अप्रैल 2021

विधानसभा चुनाव में अपना गोल तृणमूल कांग्रेस के संभावित हार के अनेसा से परेशान पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी अब मुसलमानन से एकजुट हो के उनुका गोल के वोट देबे के गोहोर लगवले बाड़ी. शा्डिल्य गोत्र के ब्राह्मण होखे के एलान उनुका अपने खिलाफ जात लउकत बा. जान गइल बाड़ी कि अबकी हिन्दू समाज … Read more

 25 total views

टटका खबर, शनिचर, 3 अप्रैल 2021

बदनाम बाहुबली विधायक मुख्तार अंसारी का सेवा में लागल पंजाब के कांग्रेसी सरकार के एगो चूक मुख्तार का खिलाफ एगो अउरी मुकदमा के माहौल बना दिहलसि. मुख्तार के रोपड़ जेल ले जाए वाला एंबुलेंस जाँच अधिकारिन का निगाह में आ गइल बा. बुलेट प्रूफ एह एंहुलेंस के तहकीकात नया नया मामिला सोझा ले आवे लागल … Read more

 31 total views,  1 views today

टटका खबर, शुक, 2 अप्रैल 2021

मशहूर अभिनेता रजनीकांत के साल 2019 के दादासाहेब फाल्‍के पुरस्‍कार से सम्‍मानित करे के एलान सूचना आ प्रसारण मंत्री प्रकाश जावडेकर कइले. उनुका के ई पुरस्कार अगिला महीना के 3 तारीख के दीहल जाई. घोषणा करत जावडेकर कहलन कि पचास बरीस से रजीकांत फिल्‍मी दुनिया के बेताज बादशाह बाड़न. उनुकर काम सूरज जइसन दमकेला. अपना … Read more

 31 total views,  1 views today

टटका खबर, बियफे, 1 अप्रैल 2021

सतरह बरीस लागल बाकिर अहमदाबाद के विशेष सीबीआई अदालत फैसला सुना दिहलसि कि इशरत जहाँ आतंकवादी रहुवे आ ओकरा के मार गिरावल कवनो तरह से अपराध ना मानल जा सके. एह मामिला में आरोपी बनावल गइल तीनो पुलिस अधिकारियन के अदालत निर्दोष मान लिहलसि, जान जाईं कि जून 2014 में गुजरात के तब मुख्यमंत्री रहल … Read more

 29 total views