web analytics

टटका खबर, शनीचर, वैशाख अन्हरिया पंचमी, 2078 विक्रमी

काल्हु शुक का दिने टीवी चैनल ‘आज तक’ के बड़का एंकर रोहित सरदाना के मौत कोरोना छूताह भइला का बाद अचानक आइल हृदयाघात का चलते हो गइल. जान जाईं कि पिछला 24 अप्रैल के सरदाना के कोरोना रिपोर्ट छूताह आइल रहुवे. ओकरा बाद उऩुका के अस्पताल में भरती करावल गइल बाकिर 42 बरीस के रोहित सरदाना के बचावल ना जा सकल. उनुका मौत पर कुछ इस्लामियन के निर्लज्ज बयान आइल. ऊ सब सरदाना के राष्ट्रवादी बेवहार का चलते उनुका से आपन नाराजगी देखावत उनुका मौत पर खुशी जाहिर कइलें. बहुते त एगो सूची देके बतवलें कि अब एह लोग के मौत के इंतजार रही. जे लोग के सेकूलराइटिस के बीमारी होखे ऊ लोग एह प्रकरण से जान जाव कि सामने वाला खातिर उनुकर कवनो मोल नइखे आ अपना मतलब के साथी का तरह उनुकर इस्तेमाल कइल जा रहल बा.
रोहित सरदाना के निधन पर राष्ट्रपति राम नाथ कोविंद, प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी, गृह मंत्री अमित शाह आ भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा समेत कई नेता आपन शोक जतवलें. बाकिर कांग्रेसी अउर बँवारा खेमा के लोग या त चुप्पी सधले रहल या एह मौत पर खुशी जाहिर कइल.

काल्हुवे देश के एटर्नी जनरल रह चुकस कानूनविद सोली सोराबजी के कोरोना का चलते 91 बरीस का उमिर में निधन हो गइल. जाने जोग बा कि अभिव्यक्ति के आजादी के समर्थक रहल सोराबजी के देश के दुसरका सबले बड़ सम्मान पद्म विभूषण से साल 2002 में सम्मानित कइल गइल रहुवे.

दुनिया में कोरोना के कहर थथमे के नाम नइखे लेत. सबले खराब हालत अमेरिका के बा जहाँ एह बीमारी से अबले पौने छह लाख लोग के मौत हो चुकल बा आ नाहियो त तीन करोड़ 22 लाख से अधिका लोग कोरोना छूताह हो चुकल बा. छूताह होखे का मामिला में भारत दुनिया में दुसरका नंबर पर बा बाकिर मौत का मामिला में चउथका नंबर पर.

काल्हुवे बिहार के मुख्य सचिव अरुण कुमार सिंह के मौत कोरोना से हो गइल. साल 1985 बैच के आईएएस अधिकारी अरुण कुमार सिंह के अंतिम संस्कार राजकीय सम्मान का साथे करे के तय कइले बिया बिहार सरकार.

कोरोना के कहर के चलते राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ एह साल देश के सगरी प्रांतन में चले वाला प्रशिक्षण वर्ग आ कार्यक्रम जुलाई ले टार दिहले बावे. अखिल भारतीय स्तर से लगायत प्रांत, विभाग आ जिला स्तर के सगरी बइठक ऑनलाइन करावल जाई. हालांकि एही बीच देश भर में चलत कोरोना राहत के कार्यक्रम चलत रही. स्वयंसेवक आपन पूरा मनोयोग से देश में कई जगहा कोरोना राहत में जुटल बाड़ें. कई जगहा कोविड केयर केन्द्रन के संचालन संघ कर रहल बा.

मुंबई के पुलिस कमिश्नर पद से हटावल गइल परमबीर सिंह अब सीबीआई के पाती भेज के मौजूदा डीजीपी पर आरोप लगवले बाड़न कि ऊ उनुका पर दबाव बनावत बाड़न कि अनिल देशमुख का खिलाफ लिखल आपन चिट्ठी वापिस ले लेसु ना त महाराष्ट्र सरकार उनुका पर आपराधिको जाँच करवा सकेले.

करोड़ों के चारा घोटाला करे वाला लालू प्रसाद के अदालत से एह आधार पर जमानत मिल गइल कि ऊ आपन आधा सजा काट चुकल बाड़न. गरीब आ छोटमोट अपराधियन के एह तरह के राहत कबहियों ना मिल पावे काहें कि ओह गरीबन के बेंवत ना होखे मँहग वकीलन के खड़ा कर पावें अदातल में. जमानत मिलला के खबर वइसे प्रचारित कइल जा रहल बा मानो लालू के रिहाई मिल गइल होखे सजाय से. उनुकर सजाय बदस्तूर जारी रही बाकिर उनुकर खराब स्वास्थ्य का चलते अदालत उऩुका के जमानत दे दिहलसि. लालू के घर परिवार के कहना बा कि लालू अबहीं बिहार ना अइहें आ उनुकर ईलाज दिल्लिए में जारी रही.

जौनपुर के खुटहन इलाका के शाहपुरसानी गांव में बियफे अधरतिया आग लगला से लाखों रुपिया के संपति का साथे अनेके मँड़ई राख हो गइली सँ.

सोनभद्र के बभनी इलाका में शुक का दिने एगो तेज रफ्तार ट्रक मोटरसाइकिल के धक्का मारत भाग गइल. एह हादसा में मोटर साइकिल सवार दू गो नविहयन के मौत हो गइल. आ एक आदमी घवाहिलो हो गइल.

पश्चिम चंपारण जिला के बगहा नगर इलाका के चखनी गाँव के तीन गो लइका गंडक नदी में डूब गइलें.

गोपालगंज जिला के मांझा इलाका में एगो बस पलट गइल जवना से एक दर्जन सवारी घवाहिल हो गइलें.

देश के शेयर बाजार काल्हु जम के ढिमलइलें. चौतरफा बिकवाली के दबाव में सेंसेक्स 984 अंक आ निफ्टी 264 अंक गिर के बंद भइल.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: