Go to ...
RSS Feed

टटका खबर, सोमार, वैशाख अन्हरिया चतुर्दशी, 2078 विक्रमी


भारतीय जनता पार्टी के अड़ियल हिन्दू नेता हिमंत बिस्व सरमा आजु असम के मुख्यमंत्री के पद के किरिया धरीहें. एह मौका पर देश के गृह मंत्री अमित शाह आ पूर्वोत्तर क्षेत्र के राज्यन के कुछ मुख्यमंत्रियन के उपस्थित रहे के उमेद बा. निवर्तमान मुख्यमंत्री सर्बानंद सोनोवाल के अब केन्द्र सरकार में मंत्री बनावल जाए के उमेद बा. जान जाईं कि हिमन्त सरमा कुछ मामिलन में अपना अड़ीयल रुख खातिर हिन्दू समर्थकन के पसन्द बन गइल बाड़ें. उनुका सबका साथ सबका विश्वास वाली बीमारी नइखे आ गलत के गलत कहे में उनुका कवनो परहेज ना रहेला. पश्चिम बंगाल में भाजपा समर्थकन पर हो रहल अत्याचार का दौरान केन्द्र के चुप्पी से नाराज समर्थकन के घाव पर मरहम के काम करी सरमा के मुख्यमंत्री बनल.

यूपी में पहिलहीं से चलत कोरोना कर्फ्यू खतम होखे से पहिलहीं फेर सात दिन ला बढ़ा दीहल गइल. सरकार के एह कदम के आलोचना एह चलते कइल जा सकेला कि पहिलहीं बता दिहले रहीत कि अनिश्चिय काल खातिर कर्फ्यू लगावल जा रहल बा. अबहियों तय नइखे कि 17 मई के ई कोरोना लॉकडाउन खतम होइए जाई. बाकिर जनता के त सरकारी हुकिम मानहीं के पड़ी. अब इहो कहल जा रहल बा कि एक जिला से दोसरा जिला में आवे जाए से पहिले अनुमति लेबे के पड़ी.
देश के राजधानी दिल्लिओ के इहे हाल बा. ओहिजो लॉकडाउन 17 मई ले बढ़ा दीहल गइल बा. अबकी दिल्ली के मेट्रो सेवा एह दौरान बन्द राखल जाई. दिल्ली के ल़क डाउन 19 अप्रैले से जारी बा.

लगातार दू हफ्ता तेजी के बाजार बनल रहला का बादो आजुओ विदेशी बाजारन के संकेत बतावत कि तेजी के बाजार बनल रही. एह हफ्ता मंगल का दिने मार्च महीना के औद्योगिक उत्पादन के आंकड़ा आ शुक का दिने खुदरा अउर थोक महंगाई के अप्रैल महीना के आंकड़ी जारी होखे वाला बा. एकरो असर बाजार पर पड़हीं के बा. देखल जाव कि शेयर बाजार के खिलाड़ी एकरा के कवना तरह देखत बाड़ें. कोरोना कहर के असर त एह लोग पर इचिको नइखे लउकत.

जेल में बंद रहला का दौराने कोरोना छूताह हो चुकल समाजवादी गोल के सांसद मोहम्मद आजम खान आ उनुका बेटा के तबियत बिगड़ला का बाद दुनु जने के सीतापुर जेल से लखनऊ के मेंदाता अस्पताल में भरती करावल गइल बा.

सिद्धार्थनगर पुलिस ढेबरूआ इलाका के लुटेरा गिरोह के सात गो बदमाशन के गिरफ्तार क लिहलसि. रोजा रखले एह बदमाशन का लगे से लूटल कार, मोटर साइकिल, असलहा वगैरह बरामद भइल बा.

बलिया जिले के मनियर इलाका के शाहपुर गाँव के एगो नवही के लाश अतवार का दिने सुर्यपुरा गाँव का बहरी टिकरी बाबा स्थान का लगे नीम का फेंड़ पर लटकल मिलल बा.

सारण जिला के बनियापुर इलाका के पूछरी बाजार में आपन दुकान बंद कर के गाँवे लवटत मझवलिया गाँव के आ हरिहरपुर गाँव के दू गो दूकानदारन के मझवलिया गाँव का लगे पुल पर गरदन रेत के हत्या हो गइल बा.

सोनभद्र के रॉबर्ट्सगंज कोतवाली इलाका के फ्लाईओवर पर एगो बेकाबू पिकप डिवाइडर से टकरा के पलटि मार गइल. एह हादसा में ओकरा चालत समेत दू लोग के मौत हो गइल.

Tags: , , , , , , , ,

More Stories From देश-दुनिया

%d bloggers like this: