web analytics

टटका खबर, अतवार, वैशाख अँजोरिया चतुर्थी बाकी, 2078 विक्रमी

संघचालक मोहन भागवत के पुरान फोटो

देश में कोरोना के हालात पर राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ के संघचालक मोहन भागवत शनीचर का दिने एगो व्याखानमाला में बोलत कहनी कि ई परीक्षा के घड़ी बा आ हमनी के आपन सकारत्मकता बचवले राखे के जरुरत बा. कोरोना के पहिलका दौर के खतम भइला का बाद सरकार आ जनता सभे बेपरवाह हो गइल रहुवे जवना चलते कोरोना के लहर वापिस आ गइल. कहनी कि सफलता भा विफलता आखिरी ना होखे, कोशिश जारी राखे के साहस के मायने होला.

गाजा पट्टी में सात दिन से चलत इजराइल फिलीस्तीनी युद्ध थथमे के कवनो आसार नइखे लउकत. हालांकि अमेरिका, संयुक्त राष्ट्र संघ, आ कुछ इस्लामिक मुल्क एह युद्ध के रोकवावे का कोशिश में लागल बाड़न. दिक्कत ई होखत बा कि राष्ट्र संघ आतंकी संघटन हमास के मान्यता ना देव आ ओकरा से बतिया ना सके. आ हमास पर केहू दोसरा के चले ना. एही बीच काल्हु पहिले से चेता के एगो बारह मंजिला इमारत के भसा दिहलसि. एही इमारत में एसोसिएटेड प्रेस आ अल जजीरा के कार्यालयो रहुवे. मीडिया संस्थानन का आड़ में एही इमारत से हमास के आतंकी संचालनो होखे के जानकारी रहुवे इजरायल के. चेतावनी मिलला का बाद इमारत के आदमियन से खाली करा लीहल गइल रहुवे. इजरायल आ हमास दुनु के कहना बा कि एह युद्ध के आखिरी परिणाम मिले ले जारी राखल जाई.

काल्हु शनीचर का भोर में करीब सवा सात बजे चीन पहिला बेर आपन एगो अंतरिक्ष यान मंगल ग्रह पर उतरलसि. जान जाईं कि एहसे पहिले भारत आपन यान मंगल ग्रह पर बरीस 2014 में उतार लिहले रहुवे. अब सात बरीस बाद चीनो के सफलता मिल गइल. भारत से पहिले अमेरिका, रूस, अउर यूरोपीय संघ आपन आपन यान मंगल ग्रह पर उतार चुकल बाड़ें.

भारतीय मौसम विभाग के कहना बा कि एह साल के पहिलका चक्रवाती तूफान – ताउ ते – बहुते भीषण रुप ले के मंगल तक गुजरात तट से टकरा सकेला. तटीय इलाकन पर नजर राखल जा रहल बा. मछुआरन से कहल गइल बा कि मंगल ले अरब सागर में मत घुसस. राष्ट्रीय आपदा प्रबंधन बल के पचासन टीम केरल, कर्नाटक, तमिलनाडु, गुजरात अउर महाराष्ट्र में लोग के सुरक्षित जगहा चहुँपावे में लागल बावे. लक्षद्वीप में पर्यटन गतिविधियन पर रोक लगा दीहल गइल बा.

पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के छोट भाई असीम बनर्जी के मौत शनीचर का दिने कोरोना का चलते हो गइल. ऊ कोलकाता के मेडिका सुपरस्पेशलिटी अस्पताल में भरती रहलन.

मऊ के सहादतपुरा में चलत शारदा नारायण अप्सताल का खिलाफ जिला प्रशासन कड़ा कार्रवाई करे जा रहल बा. एह अस्पताल का बारे में शिकायत मिलल रहुवे कि अस्पताल मरीजन से जायज से अधिका रुपिया वसूल रहल बा. सीएमओ आ नगर मजिस्ट्रेट का जाँच में आरोप सही मिलला का बाद कार्रवाई कइल जा रहल बा. जान जाईं कि मुख्यमंत्री यागी आदित्यनाथ पहिलहीं धीरा चुकल बानी कि कोविड मरीजन से निर्धारित दर से अधिका वसूली करे वाला अस्पताल प्रबंधनन के खैर ना रही आ ओह असपताल के तुरते सीज क के मरीजन के दोसरा अस्पतालन में भेज दीहल जाई. ओह अस्पताल के लाइसेंसो निरस्त कर दीहल जाई.

यूपी में एक बेर फेरु कोरोना कर्फ्यू एक हफ्ता ले बढ़ा दीहल गइल बा. अब 24 मई के सबेरे सात बजे ले ई कर्फ्यू बरकरार राखल जाई.

मिर्जापुर जिला में अलग अलग जगहा पर भइल घटनन में दू लोग के मौत के खबर बा. कछवा इलाका के जमुआ गाँव में एक आदमी पोखरा में डूब गइल. पडरी इलाका के चौहान पट्टी गांव का सिवान में कछवा इलाका के गोवर्धनपुर गांव के एगो आदमी के लाश बरामद भइल बा.

सारण जिला के मांझी इलाका के रामघाट पर नदी में नहाए गइल एगो आदमी के डूबला से मौत हो गइल.

जौनपुर जिला के मडियाहू कोतवाली इलाका के दादरा बाईपास का नियरा भइल सड़क हादसा में ट्रक से धक्का लगला का चलते बाइक सवार किशुनपुर गांव के एगो नवही के मौत ठाँवे पर हो गइल.

सारण जिला के नगर इलाका के मठिया गाँव का नि.रा एगो अनजान नवही के लाश बरामद भइल बा.

प्रयागराज संगम के बड़का हनुमान मंदिर के छोटका महंत स्वामी आनन्द गिरी के सं. परम्परा के निर्वाह ना कइला का आरोप में पंचायती अखाड़ा श्री निरंजनी से निकाल बाहर क दीहल गइल बा. हालांकि स्वामी आनन्द गिरी के कहना बा कि अखाड़ा के जमीन आ सम्पत्ति हथियावे का फेर में उनुका खिलाफ ई कार्रवाई भइल बा. अनेसा जतवले बाड़न कि उनुकर हत्यो हो सकेला.

गाजीपुर जिला के दिलदारनगर इलाका के उसिया गाँव के रहे वाला एगो सिपाही पहिले त अपना मेहरारु आ सात गो लइकन के गरदन रेत दिहलसि आ ओकरा बाद ट्रेन का सोझा कूद के आपनो जान दे दिहलसि. एह बारदात में अबहीं तीन गो लइकन के इलाज चल रहल बा.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: