Go to ...
RSS Feed

टटका खबर, बियफे. जेठ अन्हरिया प्रतिपदा, 2078 विक्रमी


(प्रतीक फोटो)

काल्हु आइल भयंकर समुद्री तूफान यास उत्‍तर-पश्चिम ओर बढ़त कमजोर हो गइल. भारतीय मौसम विभाग के कहना बा कि एह तूफान से अंडमान निकोबार द्वीप समूह, ओडिशा, अउर पश्चिम बंगाल में सबले बेसी नुकसान भइल बा. घनघोर बरखा आ आन्ही से किनाते के कई एक गाँव में बाढ़ आ गइल आ कई जगहा तटबंध टूट गइल. समुद्री लहर दू से चार मीठर ले उँच उठल रहे. समुद्र किनारे एकर रफ्तार कई जगहा 190 किलोमीटर प्रतिघंटा के रहल. राज्य सरकार नुकसान के आकलन करे में लागल बाड़ी सँ. ममता बनर्जी के कहना बा कि उनुका राज्य में नाहियो त एक करोड़ लोग एह तूफान से प्रभावित भइल बा.

सपा सांसद मोहम्मद आजम खां के तबीयत फेरु बिगड़ गइल बा आ उनुका के फेरु आईसीयू में भेज दीहल गइल बा.

शेयर बाजार में काल्हु लिवालन के दिन रहल. शुरुआत में गिरावट देखल गइल बाकिर गँवे गँवे लिवाल हावी होत गइलें. सेंसेक्स कल्हु फेर 51000 के निशान पार क लिहलसि त निफ्टी 15300 का उपर बंद भइल. आजु दुनिया के बाजार से मिलत संकेत कमजोरी के बा. दोसरे आजु वायदा बाजार के साप्ताहिक आ मासिक निपटान के दिन होखला का चलते लिवाल-बिकवाल दुनु आपन हिसाब-किताब बराबर करे में जुटीहें त बाजार कवनो करवट बइठ सकेला.

टोक्यो ओलंपिक खातिर चुना चुकल भारत के पुरुष मुक्केबाज अमित पंघल काल्हु दुबई में होखत 2021 एएसबीसी महिला अउऱ पुरुष एशियाई मुक्केबाजी चैंपियनशिप के तिसरका दिने सेमीफाइनल में जगह बना लिहलें आ एकरा साथही एह प्रतियोगिता में भारत के 13 गो पदक मिलल तय हो गइल.

भोजपुर जिला के नगर थाना के भलुहीपुर में एगो वार्ड पार्षद का घर पर शराब की पार्टी मनावत डेढ़ दर्जन लोग के काल्हु पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि आ मौका से एगो राइफल, ढेरे कारतूस, साढ़े सात लाख रुपिया नगद आ 15 गो मोबाइल फोन जब्त कइलसि.

सारण जिला के मशरक इलाका में बंगरा पेट्रोल पंप का लगे ट्रैक्टर से धक्का लगला का चलते बाइक सवार दू गो नवहियन में से एगो मौत ओहिजो हो गइल आ दुसरका गभीराह घवाहिल हो गइल. हादसा का बाद चालक ट्रैक्टर छोड़ के सरक गइल. दोसर हादसा कोपा इलाका के मुसेहरी गाँव का नियरा भइल जहवाँ अचके में सामने नीलगाय आ गइला से बाइक पलटि गइल आ अपना बाप का साथे बाइक पर बइठल सात बरीस के लइकी के ठाँवे पर मौत हो गइल जबकि बाप बहुते घवाहिल हो गइल बाड़ें. सारण से तिसर खबर कोपा इलाका के कुमना गाँव के बा जहवाँ निकाह समारोह पर गाँवे के लोग के कइल हमला में एक आदमी के मौत हो गइल आ कई जने घवाहिल हो गइलें.

गोपालगंज जिला के बरौली इलाका में प्यारेपुर गाँव का नियरा भइल बस आ ट्रक के टक्कर में दू आदमी के मौत हो गइल आ नाहियो त एक दर्जन लोग घवाहिल हो गउवे.

रोहतास जिला के काराकाट इलाका के करुप इंग्लिश गाँव में पारिवारिक विवाद में एगो आदमी अपना बाप आ छोट भाई के खून कर दिहलसि आ फरार हो गइल बा.

पश्चिम चंपारण जिला के चौतरवा इलाका में लक्ष्मीपुर गांव का नियरा एगो बस से कचरा के गाँवे के एगो सात बरीस के लइका के मौत हो गइल.

Tags: , , , , , , , , ,

More Stories From देश-दुनिया

%d bloggers like this: