web analytics

टटका खबर, सोमार, जेठ अन्हरिया पंचमी, 2078 विक्रमी

देश में कोरोना का कहर में कमी लउके लागल बा. रोज मिले वाला नया कोरोना के मरीजन के संख्या 7 मई का दिने 4 लाख 14 हजार से बेसी रहुवे बाकिर काल्हु ई संख्या घट के 1 लाख 65 हजार 553 पर आ गइल. रोज ठीक होखे वाला मरीतन के संख्या नया मरीजन से अधिका होखला का चलते देण में कोरोना छूताह मरीजन के संख्या घट के काल्हु 21 लाख 14 हजार 508 रह गइल बा. ई गिनिती 10 मई का दिने 37 लाख 45 हजार 237 ले चहुँपल रहुवे. एह तरह बीस दिन में कोरोना मरीजन के संख्या में 16 लाख से अधिका के कमी आइल बा. वइशे दुख के बात बा कि अवले देश में कोरोना से नाहियो त सवा तीन लाख लोग के जान जा चुकल बा.

अपना सरकार के सात बरीस पूरा होखला का दिने काल्हु प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहलन कि एह सात बरीस में देश आ देशवासी बहुते उपलब्धि हासिल कइलें आ बहुते पुरान मामिलन के शांति से सलटावल गइल बा. कश्मीर समस्या के मूल में रहल संवैधानिक धारा 370 के हटावल गइल, श्रीराममन्दिर के मामला सलटा के अब मन्दिर बने के काम शुरु हो गइल बा. आम आदमी ले बैंकिंग सेवा चहुँपला से देश में डिजिटल क्रांति आ गइल बा. देश बड़हन संख्या में आपन सेटालाइट अन्तरिक्ष में भेज रहल बा. कहलन कि ई सब संभव एहसे भइल कि एह सात बरीसन में हमनी का एगो देश का रुप में काम कइनी जा सरकार आ जनता का रुप में ना. एह सात बरीसन में देश का सोझा कुछ संकटो आइल बाकिर ओकरो से हमनी के सहजता से निपटे में सफल रहनी जा. सदी के सबले बड़हन आफत कोरोना से देश मजबूती से लड़ रहल बा. एकरा से बड़हन बड़हन संपन्न आ सक्षम देशो परेशान भइल बाड़ें. बाकिर भारत ओह देशनो से नीमन रहल बा कोरोना से निपटे में.

छह बार विश्व चैंपियन बन चुकल एमसी मैरीकोम दुबई में होखत 2021 एएसबीसी एशियाई महिला अउर पुरुष मुक्केबाजी चैंपियनशिप के फाइनल में काल्हु अतनार का दिने दू बेर विश्व चैंपियन रहल नाज़िम काज़ैबे 3-2 से हरा दिहली. एह चलते मैरीकोम के सपना पूरा ना हो सकल कि ऊ छह बेर स्वर्ण पदक जीत के रिकार्ड बना पावसु. जानो जोग इहो बा कि एह चैंपियनशिप में भारत, उज्बेकिस्तान, मंगोलिया, फिलीपींस, आ कजाकिस्तान समात 17 गो देश शामिल भइल बाड़ें.

कुशीनगर के नेबुआ नौरंगिया इलाका में कप्तानगंज रोड पर खैरटिया का नियरा एगो पुलिया पर शनीचर देर रात एगो बेकाबू कार रेलिंग से टकरा के सड़क किनारे खेत में जा गिरल. एह हादसा का बाद कार में आग लाग गइल आ ओहमें सवार चार जने के मौत हो गइल आ एगो आदमी घवाहिल हो गइल.

अलीगढ़ में जहरीली शराब भइल मौतन का बाद देवरिया पुलिस कई जगहा कच्चा शराब बनावे वाला भट्ठियन पर छापा मार के नाजायज शराब बनावे वाला सामान जब्त करत पाँच दर्जन से अधिका लोग के गिरफ्तार कर लिहलसि.

वीर बहादुर सिंह पूर्वांचल विश्वविद्यालय, जौनपुर में काल्हु राज्य के मुख्यमंत्री रहल वीर बहादुर सिंह के पुण्यतिथि मनावल गइल. कुलपति प्रोफेसर निर्मला एस. मौर्य परिसर में लगावल उनुका महर्ती पर माला चढ़वली. जान जाईं कि वीर बहादुर सिंग का कार्यकाल में रामगढ़ ताल परियोजना, बौद्ध परिपथ, सर्किट हाउस, सड़क चौड़ीकरण, विकास नगर, राप्तीनगर में आवासीय भवनन के निर्माण, पर्यटन विकास केंद्र के स्थापना, तारामंडल के निर्माण भइल, ऊ राज्य के पर्यटन स्थल का साथही देश के औद्योगिक केंद्रो बनावे के सपना देखत रहलें आ एही चलते उनुका के प्रदेश के विकास पुरुष कहल जात रहुवे.

जौनपुर के सरायख्वाजा इलाका के एगो गाँव से गायब दू गो नाबालिग लइकियन के बिहार के पूर्णिया से बरामद क लिहलसि आ गाँव के मदरसा में पढ़ावे वाला मौलवी के गिरफ्तार कर लिहलसि. जान जाईं कि मौलवी पूर्णिया के हउवे आ लइकियन के भगा के अपना गाँवे ले गइल रहुवे.

जौनपुर के बरसठी इलाका के सोतीपुर गांव में मुम्बई पुलिस छापा मारके एगो दुराचारी के गिरफ्तार कर ले गइल. ओह नवही पर मुम्बई के ओशिवारा इलाका के एगो लइका साथे कुकर्म करे के आरोप बा.

सोनभद्र के राबर्ट्सगंज कोतवाली इलाका में अतवार का दिने एगो आरपीएफ जवान के लाश पेड़ से लटकत बरामद भइल. ई जवान चन्दौली जिला के बबुरी इलाका के भास्करपुर गांव के रहलन आ सोनभद्र आरपीएफ में चोपन टीसन पर तैनात रहलन.

बस्ती शहर कोतवाली इलाका के कटोश्वर पार्क का लगे अपना घर का सोझा खेलत एगो तीन बरीस के बच्ची के कचारत एगो चार पहिया वाहन भाग निकलल. बचिया के ओहिजे मौत हो गइल.

रोहतास के दिनारा इलाका में काल्हु सड़क किनारे खड़ा सवारी के इंतजार करत रेहीं गाँव के एगो औरत के दू गो बच्चा खेले में लागल रहुवें जब एगो मोटरसाइकिल वाला ओहनी के कचारत भाग गइल. दूनू बचवन के मौत ओहिजे हो गइल.

सारण के मशरक इलाका में बनसोहीं गाँन का लगे यूपी से आवत दू गो वाहन से ढेरहन विदेशी शराब बरामद भइला का बाद उत्पाद विभाग के टीम का साथे आइल मशरक थाना पुलिस दू जने के गिरफ्तार कर लिहलसि.

सारण के जलालपुर इलाका में अनवल गाँव के एगो आदमी के मौत शनीचर का रात में कवनो वाहन से कचरइला का बाद हो गइल.

पूर्वोत्तर रेलवे के छपरा-वाराणसी रेलखंड के गौतम स्थान टीसन का लगे भदपा गांव का सोझा अतवार का दिने एगो औरत के ट्रेन से कटाइल लाश बरामद भइल. लाश के पहचान नइखे होखत.

सारण के दाउदपुर इलाका के जोतपुर गाँव के साईं टोला में जमीन का झगड़ा में अतवार के देर साँझ एगो नवही के मौत हो गइल आ आधा दर्जन लोग घवाहिल हो गइलें.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: