web analytics

टटका खबर, बुध, वैशाख अँजोरिया प्रतिपदा, 2078 विक्रमी

जन अधिकार पार्टी के अध्यक्ष सांसद रह चुकल राजेश रंजन उर्फ पप्पू यादव के काल्हु मंगल का दिने पुलिस लॉकडाउन के नियम ना माने का आरोप में गिरफ्चार कर लिहलसि. एकर जानकारी ऊ खुद ट्वीट क के दिहलें. बाकिर पुलिस के कहना बा कि अबहीं उनुका के रोकल गइल बा गिरफ्तारी नइखे भइल. अब खबर … Read more

 23 total views

टटका खबर, मंगल, वैशाख अमावस्या, 2078 विक्रमी

पश्चिम बंगाल के नंदीग्राम विधानसभा सीट पर मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के पटखनिया देबे वाला भाजपा विधायक सुवेंदु अधिकारी के सभका एकमत राय से काल्ह सोमार का दिने भाजपा विधायक दल के नेता चुन लीहल गइल. एकरा साथही इहो तय हो गइल कि ऊ राज्य विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष रहीहें.विधायक दल के बइठक में उनुका नाम … Read more

 23 total views,  1 views today

टटका खबर, सोमार, वैशाख अन्हरिया चतुर्दशी, 2078 विक्रमी

भारतीय जनता पार्टी के अड़ियल हिन्दू नेता हिमंत बिस्व सरमा आजु असम के मुख्यमंत्री के पद के किरिया धरीहें. एह मौका पर देश के गृह मंत्री अमित शाह आ पूर्वोत्तर क्षेत्र के राज्यन के कुछ मुख्यमंत्रियन के उपस्थित रहे के उमेद बा. निवर्तमान मुख्यमंत्री सर्बानंद सोनोवाल के अब केन्द्र सरकार में मंत्री बनावल जाए के … Read more

 18 total views

टटका खबर, अतवार, वैशाख अन्हरिया त्रयोदशी, 2078 विक्रमी

काल्हु केन्द्रीय गृहमंत्री डॉ हर्षवर्धन देश में कोरोना के हालात बतावत कहलन कि देश के 180 जिलन में पिछला सात दिन से कोरोना के एकहू नया मरीज नइखे मिलल. काल्हु भाजपा के केन्द्रीय नेतृत्व असम के नयका मुख्यमंत्री तय करे खातिर जम के चरचा कइलसि. जान जाईं कि असम के पिछलका चुनाव में भाजपा पहिलहीं … Read more

 26 total views

टटका खबर, शनीचर, वैशाख अन्हरिया द्वादशी, 2078 विक्रमी

पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव के परिणाम अइला का बाद से जारी हिंसा में नाहियो त 16 लोग के मारल जाए के खबर बा बाकिर राज्य सरकार एह बारे में हर जाँच आ कार्रवाई रोके पर आमादा बिया. अब एगो अधिवक्ता अनिंद्य सुन्दर दास का गोहार पर सुनवाई करत कोलकाता हाई कोर्ट के पाँच गो न्यायमूर्तियन … Read more

 22 total views

सब छँवड़ी झूमर पाड़े त लंगड़ी कहे हमहूं

देश में कोरोना कहर के दुसरका लहर देखत कांग्रेस के सोच बा कि एह समय अइसन कुछ होखे के चाहीं जवना से देश में असन्तोष भड़क सको. अपना से त ऊ कुछ उठा नइखे रखले बाकिर जनता अस पटाइल बिया कि खोरलो पर खदबदात नइखे.अब माई-बेटा प्रधानमंत्री के चिट्ठी लिख के कहले बा लोग कि … Read more

 14 total views

टटका खबर, शुक, वैशाख अन्हरिया एकादशी, 2078 विक्रमी

आगे पढ़े से पहिले जान लीं कि भोजपुरी के पहिलका वेबसाइट अंजोरिया डॉटकॉम के ट्राफिक रैंक हिन्दुस्तान में आजु अबहीं 19 हजार 656 पर बा. एहमें हर भाषा के वेबसाइट शामिल बा. दुनिया में एकर रैंक 2 लाख 66 हजार 291 बा. करीब 200 करोड़ वेबसाइटन का बीच भोजपुरी वेबसाइट के एह रैंकिग से भोजपुरियन … Read more

 27 total views,  1 views today

चौधरी अजीत सिंह के निधन

किसान नेता चौधरी चरण सिंह के बेटा चौधरी अजीत सिंह के हरियाणा के गुरुग्राम के एगो निजी अस्पताल में आजु सबेरे कोरोना से निधन हो गइल. 82 बरीस के अजीत सिंह राष्ट्रीय लोक दल के संस्थापक अध्यक्ष रहलन. उनुकर बेटा जयंत चौधरी अपना ट्वीट में लोग के ई जानकारी दिहलन. बतवलन कि चौधरी अजीत सिंह … Read more

 28 total views

टटका खबर, बियफे, वैशाख अन्हरिया दशमी, 2078 विक्रमी

नंदीग्राम में ममता के हरा के विधायक बनल सुवेंदु अधिकारी काल्हु कहलन कि साफ हो गइल बा कि तृणमूल कांग्रेस प्राइवेट लिमिटेड कंपनी हउवे. 213 गो विधायक जीतला का बादो ओहमें से केहू के नेता ना बना के चुनाव हारल ममता के मुख्यमंत्री बनावल एकरा के साबित करत बा.जान जाईं कि ममता के हरा के … Read more

 19 total views

मराठा आरक्षण के असंवैधानिक करार दिहलसि सुप्रीम कोर्ट

सरकारी नौकरी आ शिक्षण संस्थानन में दाखिला खातिर महाराष्ट्र में मराठा समुदाय खातिर दीहल गइल 16 फीसदी आरक्षण के अंसैवाधिनक मानत सुप्रीम कोर्ट कह दिहलसि कि ई आरक्षण खातिर पहिले से तय कइल जा चुकल पचास फीसदी सीमा से अधिका हो जात बा. अइसन कवनो आधार नइखे लउकत जवना का आधार पर मराठा समुदाय के … Read more

 34 total views

बंगाल में कानून व्यवस्था बहाल कइल पहिल प्राथमिकता नइखे

पश्चिम बंगाल के नन्दीग्राम विधानसभा सीट से चुनाव हार चुकल ममता बनर्जी आजु तिसरा बेर मुख्यमंत्री के पद सम्हार लिहली. पद सम्हरला का बाद ऊ साफ कह दिहली कि राज्य में हो रहल हिंसा रोकल ओतना जरुरी नइखे जतना कोरोना पर काबू पावल. एहसे उनुकर पहिल प्राथमिकता रही कोरोना पर काबू पावल. अब कहे वाला … Read more

 57 total views

टटका खबर, बुध, वैशाख अन्हरिया नवमी, 2078 विक्रमी

भारत आ ब्रिटेन अब एक दोसरा के रणनीतिक साझेदार बनि के रहिहें. काल्हु प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आ ब्रिटेन के प्रधानमंत्री बोरिस जॉनसन का बीच भइल ऑनलाइन शिखर बईठक में एकरा साथही आठ गो अउर समझौतो पर दस्तखत भइल. सुप्रीम कोर्ट पश्चिम बंगाल आवास उद्योग नियमन कानून 2017 के असंवैधानिक बतावत रद्द कर दिहलसि. राज्य द्वारा … Read more

 15 total views

टटका खबर, मंगल, वैशाख अन्हरिया अष्टमी, 2078 विक्रमी

उत्तर प्रदेश में भइल तीन तल्ला पंचायत चुनाव के मतन के गिनिती के काम अबहियों जारी बा. देर रात ले 232612 सदस्य ग्राम पंचायत, 38317 प्रधान ग्राम पंचायत, 55926 सदस्य क्षेत्र पंचायत एवं 181 सदस्य जिला पंचायत के परिणाम घोषित हो चुकल बा. भाजपा के दावा बा कि घोषित 2008 परिणामन में से 918 पर … Read more

 24 total views

टटका खबर, सोमार, वैशाख अन्हरिया सप्तमी, 2078 विक्रमी

देश अब संतोष कर सकेला कि चुनावन का बाद टूलकिट गिरोह कुछ दिन ले आराम करी. जइसन सफलता ऊ चहले रहुवे ओकरा के हासिल कर लिहलसि. अब देश में आक्सीजन के कमी, अस्पतालन में बेड के कमी, कोरोना के कहर, दवा खातिर गिड़गिड़ात लोगन के सोशल मीडिया पर लागल गोहार, शमशानन आ कब्रिस्तानन में मुर्दन … Read more

 38 total views

भतरा मरे त मरे, सउतिनिया राँड़ होखे के चाहीं

देश के चार गो राज्यन आ एगो केन्द्र शासित प्रदेश के विधानसभन के चुनाव परिणाम आवल जारी बा. अबहीं आखिरी परिणाम नइखे आइल बाकिर कांग्रेस के खुशी के ढिकाना नइखे. ओकरा लागत बा कि भाजपा के हार हो गइल एहसे बड़हन खुशी का हो सकेला.असम में भाजपा दुबारा सरकार बनाई, पुड्डुचेरी में कांग्रेस के हरा … Read more

 15 total views

टटका खबर, अतवार, वैशाख अन्हरिया षष्ठी, 2078 विक्रमी

आजु कुछ देर बाद चार गो राज्य विधानसभा आ एगो केन्द्र शासित प्रदेश पुड्डुचेरी विधानसभा चुनाव में पड़ल मतन के गिनिती शुरु होखे जा रहल बा. अनुमान बा कि असम, पश्चिम बंगाल आ पुड्डुचेरी में भाजपा नीत गठबन्हन के जीत होखी. केरल में अब तक के इतिहास पलटत बँवारा गोल फेरु सत्ता में आ जाई … Read more

 35 total views

टटका खबर, शनीचर, वैशाख अन्हरिया पंचमी, 2078 विक्रमी

काल्हु शुक का दिने टीवी चैनल ‘आज तक’ के बड़का एंकर रोहित सरदाना के मौत कोरोना छूताह भइला का बाद अचानक आइल हृदयाघात का चलते हो गइल. जान जाईं कि पिछला 24 अप्रैल के सरदाना के कोरोना रिपोर्ट छूताह आइल रहुवे. ओकरा बाद उऩुका के अस्पताल में भरती करावल गइल बाकिर 42 बरीस के रोहित … Read more

 23 total views