Go to ...
RSS Feed

Archives for June 2021

किसानन का नाम पर धोखाधड़ी करत मिललें साढ़े सात लाख लोग

(टटका खबर, बुध, आषाढ़ अन्हरिया षष्ठी, 2078 विक्रमी) पिछला सात महीना से अधिका समय से किसानन का नाम पर आढ़तियन आ दलालन के आन्दोलन चलिए रहल बा. अब उत्तर प्रदेश में साढ़े सात लाख से अधिका अपात्र प्रधानमंत्री किसान निधि के सम्मान राशि अपना खाता में मँगवावत मिलल बाड़न. अब एह लोग से वसूली होखी

ओवैसी के बात कटलन राजभर

(टटका खबर, मंगल, आषाढ़ अन्हरिया पंचमी, 2078 विक्रमी) यूपी से सौ सीट पर लड़े के ओवैसी के एलान के खंडन करत सुभासपा गोल के मुखिया ओमप्रकाश राजभर के कहना बा कि अबहीं ले भागीदारी मोर्चा में सीटन के बँटवारा पर कवनो फैसला नइखे भइल. एहसे ओवैसी के एलान महज उनुकर मनसा बतावत बा कि ऊ

सपा धिरवलसि कि अब यूपी में खेला होई

(टटका खबर, सोमार, आषाढ़ अन्हरिया चउथ, 2078 विक्रमी) यूपी में अगिला साल होखे वाला विधानसभा चुनाव का तइयारी में कारसेवकन पर गोली चलवावे वाली, काँवड़ यात्रा रोकवावे वाली, मंदिरन पर से लाउडस्पीकर उतरवावे वाली सपा अपना विरोधी वोटरन के धिरावल शुरु कर दिहले बिया कि अब यूपी में खेला होई. ओकर इशारा बंगाल का तरफ

अब रामजी तय करसु कि ऊ हनुमान के का करीहें

(टटका खबर, अतवार, आषाढ़ अन्हरिया तृतिया, 2078 विक्रमी) अपना बाबूजी रामविलास पासवान के बनावल लोक जनता पार्टी पर चाचा के कब्जा होखत देखि परेशान चिराग पासवान कहले बाड़न कि अब ई भाजपा के सोचे के बा कि ऊ केकर सहजोग करी. अबहीं ले त ऊ हर मुद्दा पर भाजपा के समर्थन करत आइल बाड़न जबकि

इटावा जिला पंचायत अध्यक्ष के पद सपा निर्विरोध जीतलसि

(टटका खबर, अतवार, आषाढ़ अन्हरिया तृतिया, 2078 विक्रमी) तीन जुलाई के होखे जा रहल उत्तर प्रदेश के जिला पंचायतन के चुनाव में सपा गोल के उमीदवार आ अखिलेश यादव के चचेरा भाई अभिषेक यादव उर्फ अंशू का खिलाफ केहू परचा दाखिल करे के हिम्मत ना कइल.कुल 75 गो जिला पंचायतन में से 17 गो जिलन

प्रेम का बहाने ‘द कन्वर्जन’ पर फिलिम बनवले विनोद तिवारी

(मुम्बई से संजय भूषण पटियाला) फिल्म निर्देशक विनोद तिवारी के आने वाली हिंदी फिलिम ‘द कन्वर्जन’ के दुसरको पोस्टर जारी हो गइल बा. एह पोस्टर से लागत बा कि फिलिम रिलीज होखे पहिलहीं विवाद करा दी. बनारस के पृष्ठभूमि पर बनल एह फिलिम में तिकोनिया प्रेम के कहानी फिलिमावल गइल बा. फिलिम अगस्त 2021 में

कबाड़ ल अगर कबाड़ सकऽ

(टटका खबर, शनीचर, आषाढ़ अन्हरिया दूज, 2078 विक्रमी) देश के केंद्रीय कानून मंत्री रविशंकर प्रसाद अपना कमजोरी के सुबूत देत काल्हु घिघियात लउकलें जब ट्विटर उनुकर अकाउंट कुछ देर ला सस्पेंड कर दिहलसि. ट्वीटर एक तरह से उनुका के आ देश के कानूनो के एक तरह से चुनौती दिहले बावे कि कबाड़ ल अगर कबाड़

चार हाथ के दूरी आ मास्क बा जरुरी

केन्द्र सरकार साफ कह दिहलसि कि जम्मू कश्मीर के राज्य के दरजो दीहल जाई आ ओहिजा मतदानो करावल जाई बाकिर ओकरा पहिले परिसीमन के काम पूरा करावे के बा. मतदान तब करावल जाई जब ओहिजा के लोग तैयार हो जाई आ माहौल ओकरा लायक बन जाई.जम्मू कश्मीर के भावी का बारे में बतियावे खातिर प्रधानमंत्री

टटका खबर, बियफे, जेठ पूर्णिमा, 2078 विक्रमी

बतिआएब बाकिर हमरे कहल माने के होखी किसानन के नाम पर फर्जी आन्दोलन चलावत नेतवन का तरह कश्मीर के गुपकारो नेतवन के कहना बा कि केन्द्र सरकार ओह लोग के कहल माने तबे बतियवला के कवनो मतलब बा. महबूबा मुफ्ती के कहना बा कि पाकिस्तानो से एह बारे में बतियावल जरुरी बा. आजु पीएम आवास

बइठक त हो गइल बाकिर बोलावल के

राकांपा नेता शरद पवार का दिल्ली वाला निवास पर आजु देश के विरोधी गोलन के बइठक त हो गइल बाकिर भरम साफ करे के पड़त बा कि बइठक बोलवले के रहुवे. कांग्रेसी गोल के शिकायत बा कि एह बइठक में ओकरा के ना बोलावल गइल रहुवे आ ई गैर-भाजपा गैर-कांग्रेसी गठजोड़ बनावे के शरद पवार

एके दिन में पचासी लाख – वेल डन इंडिया !

पूरा विश्व जब योग दिवस मनावत रहुवे तब भारत योग का साथही एगो अउर महाअभियान चला के एके दिन में नाहियो त पचासी लाख लोग के कोरोना वायरस के टीका लगा दिहलसि.दुनिया खातिर ई एगो रिकार्ड बन गइल जब एके दिन में अतना लोग के टीका लगा दीहल गइल. जान जाईं कि स्वास्थ्य के मसला

देश के विरोधी गोल अब गिरोह बना के लड़ीहें

बंगाल में ममता आ तमिलनाडु में स्टालिन के जितवावे के श्रेय लेबे वाला प्रशांत किशोर का इशारा पर नाचे ला तइयार देश के विरोधी गोलन के चुनिंदा लोगन के एगो बइठक आजु मंगल का दिने दिल्ली में बोलावल गइल बा.एह बइठक के बोलावा भाजपा से निकल के तृणमूलिया बन गइल यशवंत सिन्हा के राष्ट्र मंच

बिहार पंचायत चुनाव के उमीदवारी आ यूपी के इण्टरमीडिएट परीक्षाफल

(टटका खबर, सोमार, जेठ अँजोरिया एकादशी, 2078 विक्रमी) उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद कोरोना महामारी का चलते रद्द कइल गइल परीक्षन के परिणाम जारी करे वाला सिद्धान्त तय कर लिहले बावे. एह सिद्धान्त के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के मंजूरी मिल गइल बा. अब परिणान जल्दिए जारी हो जाए के उमीद बा. एह सिद्धान्त का हिसाब

अरविंद शर्मा यूपी भाजपा के उपाध्यक्ष बनावल गइलें

(टटका खबर, अतवार, जेठ अँजोरिया दशमी, 2078 विक्रमी) काल्हु शनीचर का दिने यूपी भाजपा के संगठन में कुछ बदलाव करत अवकाश पा चुकल आईएएस आफिसर रहल आ अब विधानपरिषद में भाजपा के पार्षद अरविंद कुमार शर्मा के प्रदेश भाजपा के उपाध्यक्ष बनावे के एलान कइल गइल. जान जाईं कि अगिला साल विधानसभा चुनाव होखे वाला

जिनिगी के दौड़ थथम गइल पद्मश्री मिल्खा सिंह के

(टटका खबर, शनीचर, जेठ अँजोरिया नवमी, 2078 विक्रमी) आखिरकार काल्हु शुक का दिने कोरोना से लड़ाई हार गइलन चार बेर एशियन गेम्स के स्वर्ण पदक विजेता रहल पद्मश्री मिल्खा सिंह. कुछ दिन पहिलहीं उनुकर पत्नी निर्मल कौर (85) के कोरोने से निधन हो गइल रहुवे आ अब परिवार पर एगो अउर दुख के पहाड़ आ

जज पर भरोसा नइखे ममता के

टूटल टँगड़ी ट जुट गइल काहें कि ऊ टूटले ना रहुवे बाकिर अब हारल चुनाव कइसे जीतीं काहें कि ऊ त हम हार गइल बानी – अइसने उहापोह में फँसल बाड़ी पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी. भाजपा के शुवेदु अधिकारी से नंदीग्राम विधानसभा सीट पर बहुते कम वोट का अन्तर से चुनाव हार गइला

आन्हर कुकुर बतासे भूंके

अमेरिका के केन्द्रीय बैंक फेड के कहना बा कि ब्याज दर में बढ़ोतरी पहिले बतावल साल 2024 से पहिलहीं 2023 में शुरु कइल जा सकेला. आ दू बरीस बाद के एह संभावित कार्रवाई के जानकारी मिलला का बाद अमेरिका समेत करीब करीब सगरी दुनिया के शेयर बाजार में गिरावट आ गइल. वइसे एकरा के एहू

ट्वीटर पर ट्वीटर का खिलाफ ट्वीटन के बाढ़ पर ट्वीटर के पैरवी

टटका खबर, बियफे, जेठ अँजोरिया सप्तमी, 2078 विक्रमी एने कई दिन से ट्वीटर पर ट्वीटर का खिलाफ ट्वीटन के बाढ़ आइल बड़ुवे. आ एह बीच ट्वीटर के पैरवीकार बन के आइल बावे एगो हैण्डल जवन नाम त रखले बा इन्टरनेट फ्रीडम फाउण्डेशन बाकिर मकसद आम जनता के फ्रीडम बचावे के ना हो के ट्वीटर जइसन

झूठ पसारे वाली फैक्टरी के कारीगर जुबैर

टटका खबर, बुध, जेठ अँजोरिया षष्ठी, 2078 विक्रमीएल्टन्यूज का नाम से झूठ पसारे के फैक्टरी चलावे वाला मुहम्मद जुबैर का खिलाफ गाजियाबाद पुलिस मामिला दर्ज कइले बिया. एकरा बाद जुबैर आपन ऊ ट्वीट हटा दिहले बावे जवना में ऊ दावा कइले रहुवे कि गाजियाबाद में ऑटो से जात एगो बूढ़ मुसलमान से जय श्रीराम कहवावे

श्रीराम मन्दिर का खिलाफ शूकर पूत-पूतनियन के नया टूलकिट

हिन्दुत्व विरोधी शूकर पूत-पूतनियन एगो नया टूलकिट का हिसाब से बयान बके में लाग गइल बाड़ें. पहिले त हर संभव कोशिश कइलें कि कवनो तरह श्रीअयोध्या धाम में हिन्दुवन के भगवान आ हिन्दुस्तान के ऐतिहासिक पुरुष श्रीराम के मन्दिर ना बन पावे. एह खातिर कांग्रेस आ ओकरा साथे मिल के चलत यूपीए सरकार त भगवान

Older Posts››