Go to ...
RSS Feed

टटका खबर, बियफे, जेठ अन्हरिया नवमी, 2078 विक्रमी


काल्हु बुध का दिने देश के शेयर बाजार में बिकवाली के दौर दिन भर चलला का बाद आखिरी आधा घंटा में जोरदार लिवाली आइल. काल्हु सेंसेक्स गिरावट का साथ 51849 अंक पर बंद भइल बाकिर निफ़्टी महज सवा अंक के बढ़ोतरी का साथ 15576 अंक पर बंद भइल. विदेशी बाजारन से मिलत संकेत बतावत बा कि आजु वायदा बाजार के साप्ताहिक निपटान का दिने बाजार तेजी का साथे खुलिहें आ निफ्टी नया ऐतिहासिक स्तर छुए खातिर बढ़ी. हालांकि निवेशकन के चाहीं कि फूंक फूंक के डेग धरसु काहे कि अइसन कवनो मूलभूत कारण नइखे जवन एह तेजी के आधार बन सको.

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार काल्हु कहलन कि राज्य के इंजीनियरिंग आ मेडिकल कॉलेजन में दाखिला खातिर कम से कम एक तिहाई सीट लइकियन खातिर आरक्षित कइल जाव. एहसे लइकियन में उछाह आई आ ऊ तकनीकी आ अध्यवसायिक शिक्षा ओर बढ़े के कोशिश करीहें.

जाँच, खोज, आ इलाज के आधार पर कोरोना छूत पर बहुते हद ले काबू पा चुकल उत्तर प्रदेश में मंगल ले पांच करोड़ से अधिका लोग के कोरोना टेस्ट करावे के रिकार्ड बन गइल बा.

बलात्कार का मामिला में गोवा पीठ से रिहाई पा चुकल तरुण तेजपाल का खिलाफ गोवा सरकार बॉम्बे हाई कोर्ट में गोहार लगवले बिया. हाई कोर्ट एह गोहार के सुने से पहिले तहलका के प्रधान संपादक रहल तरुण तेजपाल के नोटिस जारी कइले बा.

गोण्डा के वजीरगंज इलाका के टिकरी गांव में मंगल देर रात एगो दू मंजिला मकान धमाका से भस गइल. एह हादसा में ओह मकान में रहे वाला मुस्लिम परिवार के नाहियो त आठ जने के मौत हो गइल आ सात जने अउर घवाहिलो बाड़े. कहल गइल कि विस्फोट रसोई गैस सिलिण्डर में आग लगला से भइल. बाकिर घटना के जाँच करे आइल आतंकवाद निरोधक दस्ता, बम निरोधक दस्ता, स्पेशल फोरेंसिक टीमन समेत कई जांच एजेंसियन के जाँच में अबहीं ले सिलिण्डर के टुकड़ा नइखे मिलल.

अइसने एगो दोसर हादसा भदोही जिला के गोपीगंज कोतवाली इलाका के गहरपुर गांव में भइल जहवाँ पटाखा बनावत में विस्फोट हो गइला से मकान के चहारदीवारी ढह गइल आ पटाखा बनावेवाला मुसलमान कारोबारी घवाहिल हो गइल.

कौशांबी के सैनी इलाका के अटसराय गांव में एगो औरत फांसी लगा लिहले बिया. कारण का रहे एकर जाँच हो रहल बा.

सेना में भरती भइला का बाद गाजीपुर के एगो जवान के मौत सड़क हादसा में हो गइल. अगिला दिने ऊ गाजीपुर के अपना गाँव आवे वाला रहुवे.

प्रयागराज के नवाबगंज इलाका में एगो लइका के माथा पर रॉड से मार के ओकर जान ले लीहल गइल.

आजमगढ़ के बरदह इलाका के मोहम्मदपुर फेटी गांव में बाइकन पर आइल आधा दर्जन अपराधी एगो नवही के गोली मार के बत्या कर दिहले स. ओकरा बाद ताबड़तोड़ फायरिंग क के दहशत पसारत भाग निकलले स.

सारण के रिविलगंज इलाका के टेकनिवास गाँव के एगो आदमी बाइक से आवत घरी दाउदपुर बाजार का लगे भइल सड़क हादसा में घवाहिल हो गइल. बाद में इलाज का दौरान ओकर मौत हो गइल. धक्का मारे वाला वाहन के पता नइखे चलल.

जौनपुर के मुंगराबादशाहपुर इलाका के इटहरा गांव में बुध का सबेरे एक दिन पहिलहीं खरीद के लगावल इनवर्टर के स्वीच से लागल करंट के झटका से एगो नवही के मौत हो गइल.

सारण में पूर्वोत्तर रेलवे के छपरा- वाराणसी रेलखंड के गौतम स्थान टीसन का लगे बुध के सबेरे एगो अज्ञात आदमी के लाश बरामद भइल बा. ओकर हत्या छूरा घोंप के होखे के अनेसा बा. ओकर उमिर करीब 50 बरीस के होखी.

Tags: , , , , , , , , , ,

More Stories From देश-दुनिया

%d bloggers like this: