
टटका खबर, अतवार, जेठ अँजोरिया तृतिया, 2078 विक्रमी
गद्दारन के गिरोह बन गइल बिया कांग्रेस. ई कहना बा भारतीय जनता पार्टी के. शनीचर का दिने भाजपा के बोलतुआ संबित पात्रा कहलन कि कांग्रेस पार्टी देशद्रोहियन के ‘क्लब’ हवे जवन ‘टूल किट’ के पालन करत हमेशा से देश के खोंखड़ करे में लागल बिया. मुंबई हमला के हिन्दू आतंकी हमला बनावे के साजिश करे वाला कांग्रेसी नेता दिग्विजय सिंह एगो पाकिस्तानी पत्रकार से बतियावत पिछला दिने कहसन कि अगर कांग्रेस के सरकार बनी त कश्मीर में धारा 370 फेर से लागू करावे पर काम करी. दिग्गी के एह बयान पर सोनिया, राहुल, प्रियंका, राबर्ट चुप्पी साध लिहले बाड़न. एहसे जाहिर होखत बा कि कांग्रेस दिग्गी के बयान से सहमत बा. भाजपा बोलतुआ याद दिअवलन कि जब धारा 370 हटावल गइल रहे तब राहुल गांधी 25 अगस्त 2019 के ट्वीट क के अनुच्छेद 370 हटवला के भाजपा के बड़हन गलती बतवले रहलन आ कहले रहलन कि जम्मू कश्मीर में हजारों लोग मारल जा रहल बा आ कश्मीर में लोकतंत्र नइखे रह गइल. उऩुका एही बयान के आधार बनावत पाकिस्तान संयुक्त राष्ट्र में एगो डोजियर जमा कइले रहुवे.
मुसलमान आतंकियन के गिरोह लश्करे तइयबा काल्हु शनीचर का दिने उत्तरी कश्मीर का सोपोर में पुलिस नाका टुकड़ी पर हमला करि के दू गो सिपाहियन आ तीन गो नागरिकन के जान ले लिहले स. सुरक्षा बल के दावा बा कि हमला करे वालन के चिह्न लीहल गइल बा आ जल्दिए ओहनी के मार गिरावल जाई.
बहुजन समाज पार्टी का साथे गठबन्हन क के पंजाब के शिरोमणि अकाली दल के दावा बा कि अगिला चुनाव में ओकरा शानदार जीत मिली. आढ़तियन के आंदोलन के साथ देबे खातिर भाजपा से आपन गठबंधन तूड़ दिहला का बाद अकाली दल अब पंजाब के अउरियो छोटहन राजनीतिक गोलन से गठजोड़ करे का फेर में बिया. आआपा नेता आ पंजाब में नेता प्रतिपक्ष हरपाल चीमा अकाली दल आ बसपा के गठबन्हन के मजाक उड़ावत कहलन कि राज्य में शिअद आपन अस्तित्व गंवा दिहले बिया आ बसपा के कवनो वजूदे नइखे पंजाब मेंय त दू गो जीरो मिलियो के जीरो रही.
समाजवादी पार्टी के कड़क नेता रहल आजम खान के कड़की के दौर चलत बा एह घरी. जेल में बंद आजम खान इलाहाबाद हाई कोर्ट में अरजी लगवले रहलन कि जलनिगम नियुक्ति धांधली मामिला में उऩुका के अगवाह जमानत दीहल जाव. हाई कोर्ट आजम के अरजी खारिज क दिहलसि.
आजमगढ़ पहुंच के प्रदेश के औद्योगिक विकास मंत्री सतीश महाना आ मुख्य कार्यपालक अधिकारी अवनीश अवस्थी पूर्वांचल एक्सप्रेसवे के काम के निरीक्षण कइला का बाद कहलन कि एही महीना में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के ड्रीम प्रोजेक्ट पूर्वांचल एक्सप्रेसवे के काम पूरा हो जाई.
भोजपुर जिला के हसनबाजार चउकी इलाका में पचमा रेलवे क्रासिंग का नियरा एगो पानी भरल गड़ही में डूबले से तीन गो बच्चियन के मौत होखे के खबर बा.
सारण जिला के गौरा चउकी इलाका में मंझवलिया गांव में एगो आदमी के खून कर दिहल गइल बा. मोटरसाइकिल से आइल बदमाश अपना दुआर पर खड़ा एह आदमी गोली मार के भाग परइले. बाद में इलाज का दौरान उनुकर मौत हो गइल. दोसर खबर सारण के मखदुमगंज गांव के बा जहवाँ एगो औरत खाना बनावत में स्टोब फटला से लागल आग में झँउस गइल आ ओकरो अस्पताल में मौत हो गइल. सारण से तिसरका खबर बा छपरा कचहरी से थावे का बीच के रेलखंड पर मढ़ौरा टीसन से एगो बोरा मे बंद लाश बरामद कइले बिया पुलिस. लाश करीब 50 बरीस के आदमी के बा जवना के पहचान अबहीं पता नइखे लागल. सारण से एगो अउरी खबर बा कोपा इलाका के चउखड़ा गाँव के एगो लइका के नदी में डूब गइला के.
गोण्डा जिला के छपिया इलाका में एगो सनकाह आदमी एगो नाबालिग लइकी के जरा के मारे के कोशिश कइलसि आ ओकरा के छूरो घोंपलसि. लइकी के अस्पताल में इलाज होखत बा.
जौनपुर के मुंगराबादशाहपुर इलाका के नडार गांव में बनत एगो शौचालय का छत पर चढ़ि के काम देखत एगो आदमी उपर से जात हाई टेंशन बिजली के तार से छुअइला से मर गइल.
गोण्डा के तरबगंज इलाका के सुसैला गांव में फाँसी पर लतकल एगो नवहिन के लाश मिलल बा. पुलिस पता लगावे में जुटल बिया कि ई हत्या ह कि आत्महत्या.
मिर्जापुर में शनीतर का दिने अलग अलग सड़क हादसन में तीन जने के मौत हो गइल बा आ तीन जने घवाहिलो भइल बाड़े.
माँ सीता पर बने वाली फिलिम विवादन के घेरा में आ गइल बा काहेंकि एह फिलिम में सीता मईया के किरदार निभावे खातिर हिन्दू विरोधी मुसलमान अभिनेत्री करीना खान के लीहल गइल बा. सोशल मीडिया पर एकर घनघोर विरोध हो रहल बा.
तैमूर की अम्मी करीना खान को कतई न मिले सीता का रोल
देश ने चलाया #BoycottKareenaKhan सबसे बड़ा ट्रेंडhttps://t.co/ZiGBYkhSwV— Kreately.in (@KreatelyMedia) June 12, 2021