
टटका खबर, सोमार, जेठ अँजोरिया चउथ, 2078 विक्रमी
अमेरिका से इजरायल आइल विस्थापित परिवार में 25 मार्च 1972 के जनमल नफ्ताली बेनेट काल्हु 13 जून 2021 के इजरायल के 13 वाँ पीएम बन गइलन. एकरा पहिले ऊ बारह बरीस से लगातार इजरायल के पिछला पीएम बेजामिन नेतन्याहू के सरकार में पिछला साल ले मंत्री रहलन बाकिर बाद में उऩुका से अलग हो के भानुमति के कुनबा बिटोर के खुद पीएम बन गइलन. उनुका के पीएम बनावे वाली गठजोड़ में तरह तरह के विचार धारा वाला गोलन का साथही अरब आ फिलिस्तिनियन के समर्थको शामिल बाड़ें. एकरा बावजूद 120 सदस्यन वाली इजरायली संसद नेसेट में उऩुका 60 सदस्यन के समर्थन मिलल आ एगो सदस्य वोट में शामिल ना भइलन. एह तरह उनुका लगे महज एक वोट के बहुमत बा जवन कहियो घसकि सकेला. बेनेट के मंत्रीमंडल में 9 गो महिला मंत्रियन का साथे कुल 27 गो मंत्री बनावल गइल बाड़ें. बेनेट से अधिका समर्य़न त नेसेट के स्पीकर चुनाइल मिकी लेवी के मिलल जिनकर समर्थन नेसेट के 67 गो सदस्य कइलन.
नेसेट में उनुकर पहिला संबोधन का दौरान जम के हुल्लड़बाजी भइल आ उनुका के अपराधी आ झूठा ले कहल गइल. बेनेट कहलन कि अगर ई सरकार ना बनीत त दोसर चुनाव करावे के पड़ल रहीत जवना चलते इजरायली समाज में विभाजन बढ़ गइल रहीत.
अरब आ फिलिस्तिनियन से सहानुभूति राखे वालन के समर्थन का बावजूद बेनेट कहलन कि ऊ कनवो हालत में ईरान के परमाणु ताकत ना बने दीहें.
गठबन्हन के शर्त मुताबिक बेनेट सितम्बर 2023 ले पीएम रहीहें आ ओकरा बाद गठबन्हन में शामिल एश अतीद गोल के नेता यायर लेपिड के पीएम बनावल जाई.
उऩुका बाद बोलत बारह बरीस ले इजरायल के निर्बाध पीएम रहल नेतन्याहू कहलन कि एह खतरनाक सरकार के ऊ गिरा के रहीहें. कहलन कि अन्तर्राष्ट्रीय दबाव ना झेल पावे वाली ई सरकार इजरायल का हित मे नइखे.
एगो ओपिनियन पोल में पता चलल बा कि इजरायल के लोगो एह सरकार के लमहर जिनिगी के भरोसा नइखे करत. बाकिर नेतन्याहू के बापसी के डर आ चुनाव में अपना समर्थकन के नाराजगी के डर मिल के एह नापाक गठबन्हन के सरकार कुछ दिन ले चल जरुर जाई.