web analytics

आन्हर कुकुर बतासे भूंके

अमेरिका के केन्द्रीय बैंक फेड के कहना बा कि ब्याज दर में बढ़ोतरी पहिले बतावल साल 2024 से पहिलहीं 2023 में शुरु कइल जा सकेला. आ दू बरीस बाद के एह संभावित कार्रवाई के जानकारी मिलला का बाद अमेरिका समेत करीब करीब सगरी दुनिया के शेयर बाजार में गिरावट आ गइल.

वइसे एकरा के एहू तरह से कहल जा सकेला कि रोवे के रहनी तबले अँखिए खोदा गइल. बाजार कई दिन से करेक्शन के उमेद लगवले बइठल रहुवे तब ले अमेरिका के फेड मौका दे दिहलस. आ ओहपर से एगो अउरी कहावत ठोक दीहल चाहत बानी कि एक त काली अपने गोर, ओहपर से लिहली कमरी ओढ़. आजु बियफे का दिने देश के शेयर बाजार के वायदा कारोबार के साप्ताहिक निपटान करे के रहुवे आ सट्टा लगा के बइठल लोग के आपन आपन गोटी सही खाना में बइठावे के रहुवे.

से सबकुछ मिला के लबोलुबाब इहे रहल कि आजु देश के शेयर बाजार आपन तह सरियावे में सफल रहल. अब काल्हु से फेर नया खेल शुरु होखी अगिला साप्ताहिक वायदा निपटान के आ अगिला बियफे त ओकरा साथही मासिको निपटान होखे वाला बा. अगिला शुक से नया सीरीज शुरु होखी फ्यूचर आ आप्शन के.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: