
बतिआएब बाकिर हमरे कहल माने के होखी
किसानन के नाम पर फर्जी आन्दोलन चलावत नेतवन का तरह कश्मीर के गुपकारो नेतवन के कहना बा कि केन्द्र सरकार ओह लोग के कहल माने तबे बतियवला के कवनो मतलब बा. महबूबा मुफ्ती के कहना बा कि पाकिस्तानो से एह बारे में बतियावल जरुरी बा. आजु पीएम आवास पर होखे वाला बइठक में नरेन्द्र मोदी से कश्मीर मसला पर चरचा करे खातीर महबूबा मुफ्ती आ फारुक अब्दुल्ला अपना पुरनके स्टैण्ड पर टिकल रहे के बात कहले बाड़न. एह बइठक में पैंथर्स पार्टी के अध्यक्ष प्रो. भीम सिंह, अपनी पार्टी के चेयरमैन सैयद अल्ताफ बुखारी, पीपुल्स कांफ्रेंस के चेयरमैन सज्जाद गनी लोन, आ मुजफ्फर हुसैन बेग का अलावे भाजपा आ कांग्रेसो के शामिल होखे के खबर बा.
एह बीच आतंकियन के कारस्तानी देखत सुरक्षा बलन के जम्मू कश्मीर मे हाई अलर्ट पर रहे के कहल गइल बा. आजु जम्मू कश्मीर में इंटरनेट सेवा के ठप राखल जा सकेला.
कश्मीरी नेतवन का हँ में हँ मिलावत कांग्रेसो के कहना बा कि जम्मू कश्मीर में पुरनका हालत बहाल कर दीहल जाव. धारा 370 के फेरु लगा दीहल जाव आ जम्मू कश्मीर के राज्य बना दीहल जाव.
बीसीसीआई टीम के हरावत न्यूजीलैंड बनल पहिलका विश्व चैंपियन
आइसीसी वर्ल्ड टेस्ट चैंपियनशिप फाइनल में बीसीसीआई के टीम के बल्लेबाजन के नाकाम रहला का टलते न्यूजीलैंड के टीम शानदार जीत हासिल कइलसि. बीसीसीआई टीम रन के बड़हन स्कोर ना खड़ा कर सकल आ हार के फजीहत झेले के पड़ल. जीते खातीर न्यूजीलैंड के महज 139 रन बनावे के कहल जवन ऊ आसानी से दूइए गो विकेट गँवा के बना लिहलसि.
एह हार के ठीकरा कप्तान विराट कोहली आ तेज गेंदबाज जसप्रीत बुमराह का मूड़ी पर फोड़ल जा रहल बा.
राहुल आजु अदालत में हाजिर होखिहें
ओह घरी कांग्रेस के अध्यक्ष रहल राहुल गांधी 13 अप्रैल, 2019 का दिने कर्नाटक के कोलार में एगो चुनाव सभा में कहले रहलन कि सोचे के बाति बा कि सगरी चोरन के नाम मोदी कइसे होला. ऊ नीरव मोदी, ललित मोदी, आ नरेंद्र मोदी के नाम गिनावत ई बाति कहले रहुवन. राहुल के एह बयान पर गुजरात के सूरत के अदालत में मानहानि के मुकदमा शुरू कइल गइल रहे. अब ओह अदालत के आदेश पर आपन आखिरी बयान दर्ज करावे खातीर राहुल गांधी अदालत का सोझा हाजिर होखीहें.
यूपी चुनाव में प्रियंका रहीहें कांग्रेस के चेहरा
अगिला साल यूपी विधानसभा चुनाव में कांग्रेस के कमान सम्हरले ओकर महासचिव प्रियंका गाँधी होखीहें योगी का मुकाबले कांग्रेस के नेता के चेहरा. ई बाति कहत
कांग्रेसी नेता सलमान खुर्शीद के कहना बा कि उहे राज्य में पार्टी के कैप्टन बाड़ी आ रहीहें. कहलन कि अबकी गठबन्हन का फेर में ना पड़ी कांग्रेस आ अकेलहीं भाजपा के मुकाबला करी.
ओने सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव पहिलहीं कह चुकल बाड़न कि उनकर गोल कांग्रेस आ बसपा जइसन गोलन से गठबन्हन ना करी आ छोट छोट गोलन के अपना साथे मिला के लड़ी.
बसपा सुप्रीमो मायावती सपा के हरवावे के एलान करत कहले बाड़ी कि एह काम ला ऊ भाजपो के साथ दे सकेली.
एह तरह से देखीं त यूपी में भाजपा के बस भाजपे हरवा सकेले आ अन्दरखाने भाजपा में एही दिसाईं काम करे में कुछ लोग लागल बा.
बिहार में सवा लाख शिक्षकन के बहाली
बिहार सरकार एलान कइले बिया कि 15 अगस्त से पहिलहीं सवा लाख शिक्षकन के बहाली के काम पूरा करा लीहल जाई. एकरा खातीर होखे वाला काउंसिलिंग के कार्यक्रम जारी हो गइल बा.
चिराग अब आशीर्वाद-संघर्ष यात्रा पर निकलिहें
लोजपा में टूट फूट का बाद अपना चाचा पशुपति पारस के उनुकर औकात देखावे खातीर अपना समर्थकन के एकजुट करे के योजना बनवले बाड़ें. एह दिसाईँ ऊ पाँच जुलाई से बिहार में जनसमर्थन जुटावे ला ‘आशीर्वाद-संघर्ष यात्रा’ शुरु करीहें. जान जाईं कि 5 जुलाई राम विलास पासवान के जयंती के दिन हवे.
मौका के फायदा उठावे का चाह में राजद नेता तेजस्वी यादव उनुका के अपना साथे आवे के बोलहटा भेजले बाड़न.
शेयर बाजार में गिरावट लवटल
पिछला चार दिन से देश के शेयर बाजार में गिरावट के रुख बन गइल बा. काल्हुओ बिकवाल भारी पड़लें आ लिवाल कोना खोजत रह गइलें. हाल तकले हर गिरावट पर लिवाली के दौर बदल के अब हर उछाल पर बिकवाली के दौर आ गइल बा. वइसे शेयर बाजार का चाल का बारे में दावा से कुछ ना कहल जा सके. रिटेल निवेशकन के बढ़त हिस्सेदारी से संस्थागत निवेशको हरान परेशान बाड़न. ओह लोग के लागत बा कि साल छह महीना में आपन हाथ जरा के ई लोग आपन जगहा धर ली. काल्हु सेंसेक्स 52306 पर आ निफ्टी 15687 पर बंद भइल.