web analytics

कबाड़ ल अगर कबाड़ सकऽ

(टटका खबर, शनीचर, आषाढ़ अन्हरिया दूज, 2078 विक्रमी)

देश के केंद्रीय कानून मंत्री रविशंकर प्रसाद अपना कमजोरी के सुबूत देत काल्हु घिघियात लउकलें जब ट्विटर उनुकर अकाउंट कुछ देर ला सस्पेंड कर दिहलसि. ट्वीटर एक तरह से उनुका के आ देश के कानूनो के एक तरह से चुनौती दिहले बावे कि कबाड़ ल अगर कबाड़ सकऽ. गुजरात के दोसरका मोहनदास बने का फेर में मोदी सरकार के बेंवत अइसन नइखन रहि गइल कि ऊ अपना दुश्मनन से निबट सको, अपना समर्थकन के रक्षा कर सको, पालघर के साधुवन के हत्यारन के सजा दिलवा सको, कश्मीर के हिन्दुवन का साथे न्याय कर सको, अनुच्छेद 30 हटवा सको, करोड़ों के बकाया बिजली बिल का बावजूद जामा मस्जिद के लाइन कटवा सको, दिल्ली घेर के सात महीना से बइठल आढ़तियन के दलालन के हटवा सको, मौलाना साद के पता लगवा के गिरफ्तार कर सको, देश में धर्मांतरण के बढ़त रोकवा सको, मंदिरन के कमाई पर सरकारी कब्जा हटवा सको. मोदी सरकार एही सोच से निफिकर बिया कि देश के हिन्दूवन का सोझा कवनो दोसर विकल्प नइखे. इस्लामी मानसिकता वाला नेहरू आ कांग्रेस का कार्यकाल में मुसलमान शिक्षा मंत्रियन के कारस्तानी लोग रोजे देखत बा, सेकूलर गोलन के हिन्दू विरोधी रुख रोजे देखत बा देश के हिन्दू. भाजपा के वोट ना दी त का कारसेवकन पर गोली चलवावे वाला मुलायम के गोल के वोट दी जे अबहिएँ धमकावल शुरु कर दिहले बावे कि 2022 में खेला होई आ सपा के सरकार बनला का बाद सगरी विरोधियन के हिसाब चुकता कइल जाई. ओकरा तृणमूल के खेला होबे से अतना डर ना लागे जतना डर अमित शाह आ मोदी के कायरपना से बावे.

काल्हु शुक का दिने जम्मू-कश्मीर के शोपियां जिला में सुरक्षा बल एगो आतंकी के मार गिरवलें आ लश्कर-ए-तैयबा के एगो आतंकी हरदी-गुरदी बोल दिहलसि. बतावल गइल कि खुफिया जानकारी का बाद सेना, केंद्रीय रिजर्व पुलिस बल आ पुलिस के विशेष अभियान समूह हाजीपोरा में साझा घेराबंदी आ तलाशी अभियान चलवलें त लुकाइल आतंकी गोली चलाने लगले सँ, जबाबी गोलीबारी में एगो आतंकी खेत हो गइल आ एगो दोसर आतंकी अपना एके 56 राइफल का साथे समर्पण कर दिहलसि.

रक्षा अनुसंधान आ विकास संगठन (डीआरडीओ) बियफे आ शुक का दिने अपना देशे में बनल पिनाका रॉकेट 25 बेर दगलें आ हर बेर निशाना मारे में सफल रहलें. पिनाका रॉकेट 45 किलोमीटर दूर तक के निशाना मार सकेला. (फोटो All India Radio News के ट्वीटर हत्था से)

कोरोना कहर के दुसरका लहर का दौरान दिल्ली के मुख्यमंत्री केजरीवाल के सनक से पता ना कतना लोग के मौत भइल होखी. भाजपा के कहना बा कि सुप्रीम कोर्ट का आदेश का बाद बनावत गइल एगो ऑडिट बोर्ड अपना अंतरिम रिपोर्ट में बतवले बा कि केजरावाल दिल्ली के जरुरत से चार गुना बेसी ऑक्सीजन मँगवा लिहलें. एह चलते जरुरत वाला कई राज्यन के आक्सीजन सप्लाई में बाधा आइल आ एह चलते बहुते रोगियन के मौत होखे से नकारल ना जा सके. ओने दिल्ली के उपमुख्यमंत्री सिसोदिया के कहना बा कि अइसन कवनो ऑडिट भइले नइखे. धेयान देबे जोग बा कि ऊ आक्सीजन जरुरत बढञा के बतवला के विरोध नइखन करत. जइसे कि कवनो चोर चोरी से ना नकारे बाकिर कहे कि ओह चोरी के कवनो मुकदमे नइखे भइल.

दुनिया के बाजारन से मिलल संकेतन का भरोसे देश के शेयर बाजार में काल्हु लिवाली देखल गइल. रिलायंस के शेयर गिरला का बावजूद सेंसेक्स आ निफ्टी दुनु में बढ़त दर्ज कइल गइल. सेंसेक्स 52925 अंक पर आ निफ्टी 15807 अंक पर बंद भइल.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: