
(टटका खबर, अतवार, आषाढ़ अन्हरिया तृतिया, 2078 विक्रमी)
तीन जुलाई के होखे जा रहल उत्तर प्रदेश के जिला पंचायतन के चुनाव में सपा गोल के उमीदवार आ अखिलेश यादव के चचेरा भाई अभिषेक यादव उर्फ अंशू का खिलाफ केहू परचा दाखिल करे के हिम्मत ना कइल.
कुल 75 गो जिला पंचायतन में से 17 गो जिलन के पंचायत अध्यक्ष पद पर भाजपा के उमीदवार निर्विरोध चुनाइल बाड़ें. एहमें से 13 गो पर त कवनो दोसर परचे ना दाखिल भइल रहे बाकिर अमरोहा, वाराणसी, गोरखपुर, आ बांदा में विरोधी उमीदवारन के परचा खारिज हो गइला का चलते भाजपा के जीत मिलल बा. मेरठ, गाजियाबाद, गौतमबुद्धनगर, मुरादाबाद, आगरा, ललितपुर, झांसी, चित्रकूट, श्रावस्ती, बलरामपुर, गोंडा, बुलंदशहर, आ मऊ में केहू दोसर परचा ना रहला से भाजपा के जीत मिलल बा.
वइसे जीत के एलान 29 तारीख के परचा वापसी का बादे कइल जाई. हो सकेला कि ओह दिन ले कुछ उमीदवार आपन परचा वापिस ले लेस. अबहीं ले भाजपा के आगरा से मंजू भदौरिया, गाजियाबाद से ममता त्यागी, मुरादाबाद से डॉ. शेफाली सिंह, बुलंदशहर से डॉ. अंतुल तेवतिया, ललितपुर से कैलाश निरंजन, मऊ से मनोज राय, चित्रकूट से अशोक जाटव, गौतमबुद्ध नगर से अमित चौधरी, श्रावस्ती से दद्दन मिश्रा, गोरखपुर से साधना सिंह, बलरामपुर से आरती तिवारी, झांसी से पवन कुमार गौतम, गोंडा से घनश्याम मिश्रा, मेरठ से गौरव चौधरी, बांदा से सुनील पटेल, वाराणसी से पूनम मौर्या अउर अमरोहा से ललित तंवर निर्विरोध जीते वाला बाड़ें. समाजवादी गोल आपन गढ़ इटावा बचा लिहलसि काहे कि ओहिजो दोसर केहू परचा ना दाखिल कइल. शुरुआते में भाजपा के मिलल शानदार सफलता से खिनखिनाइल अखिलेश यादव अपना 11 गो जिला अध्यक्षन के बरखास्त कर दिहलन. एह चुनाव में असल मुकाबला भाजपा आ सपा का बीचे होखे जा रहल बा. प्रियंका गाँधी के चेहरा के चमक का बावजूद कतहीं ओकर उमीदवारे नइखन, उनुकर सगरी धेयान विधायकी का चुनाव में लागल बा.
जाने जोग इहो बा कि उत्तर प्रदेश के तीनतल्ला पंचायती चुनाव में 3050 गो जिला पंचायत सदस्य चुनइलें जवना में सबले बेसी समाजवादी गोल के 747 सदस्य रहलें. भारतीय जनता पार्टी के 666, बहुजन समाज पार्टी के 322, कांग्रेस के 77, आम आदमी पार्टी के 64 आ 1174 निर्दलीय प्रत्याशी चुनाव जीतल रहलें.