Go to ...
RSS Feed

Archives for June 2021

मिशनरी मानस पुत्र अब हिन्दुत्व के प्रयोग भूमि पर झाड़ू फेरे का फेर में

सिमटत कांग्रेस के जमीन गँवे-गँवे हथियावे में लागल आआपा के जनक केजरीवाल के कम समुझल अपना के बेवकूफ बनवला जइसन होखे के चाहीं. एगो मिशनरी साजिश का तहत पहिले केजरीवाल के आगा बढ़ावल गइल आ मिशनरी मकसद पुरावे में लागल सोनिया कांग्रेस ओकरा खातिर आपन जमील खाली करत गइल. पहिले त दिल्ली के गद्दी सँउपलसि

जे जान बचावे ना आइल ऊ मान बचावे का आई

भाजपा नेतृत्व एह घरी जवना कायराना अंदाज में अपना विरोधियन का सोझा नवल नजर आवत बा ओकरा से ई साफ हो गइल बा कि ओकर नेतृत्व सत्ता पावे के साधन भर मानेला अपना समर्थकन के आ काम निकलते ओकरा ओरि से आपन आँख मूंद लेबेला. पश्चिम बंगाल के चुनाव का पहिलहीं से सभही जानत रहुवे

इजरायल के महाराष्ट्र करत नफ्ताली बेनेट बन गइलन पीएम

टटका खबर, सोमार, जेठ अँजोरिया चउथ, 2078 विक्रमी अमेरिका से इजरायल आइल विस्थापित परिवार में 25 मार्च 1972 के जनमल नफ्ताली बेनेट काल्हु 13 जून 2021 के इजरायल के 13 वाँ पीएम बन गइलन. एकरा पहिले ऊ बारह बरीस से लगातार इजरायल के पिछला पीएम बेजामिन नेतन्याहू के सरकार में पिछला साल ले मंत्री रहलन

गद्दारन के गिरोह बन गइल बिया कांग्रेस

टटका खबर, अतवार, जेठ अँजोरिया तृतिया, 2078 विक्रमी गद्दारन के गिरोह बन गइल बिया कांग्रेस. ई कहना बा भारतीय जनता पार्टी के. शनीचर का दिने भाजपा के बोलतुआ संबित पात्रा कहलन कि कांग्रेस पार्टी देशद्रोहियन के ‘क्लब’ हवे जवन ‘टूल किट’ के पालन करत हमेशा से देश के खोंखड़ करे में लागल बिया. मुंबई हमला

जान बचावे खातिर माँद में वापिस लवटे लगलें घासफूसिया

टटका खबर, शनीचर, जेठ अँजोरिया दूज, 2078 विक्रमी पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव में भाजपा के बयार बहत देखि बहुते तृणमूलिया उधियात भाजपा में शामिल होखे आवत गइलें आ भाजपा सभका के सकारत चलि गइल. बाकिर चुनाव बाद जब फेरु ममता के निर्ममता वाली सरकार बनि गइल आ साफ हो गइल कि भाजपा में बेंवत नइखे

कोरोना से एकदिन में छह हजार से अधिका मौत

(शुक, जेठ अँजोरिया एकम, 2078 विक्रमी) एने कुछ दिन से कोरोना के कहर में कमी देखत कई एक राज्यन में लॉकडाउन में ढील देबे के शुरुआत हो गइल रहुवे. एही बीच बियफे का दिन के कोरोना के आंकड़ा जान साँसत में डाल देबे वाला आइल बा. बियफे का दिने अब तक ले के सबले बेसी

राहुल गाँधी मना कर दिहलें भाजपा ज्वायन करे से

जितिन प्रसाद भाजपा में का शामिल भइलें कि सोशल मीडिया पर तरह तरह के हवा बहे लागल. एगो ट्वीट में कहल गइल कि राहुल गाँधी साफ मना कर दिहलें भाजपा ज्वायन करे से. कहलन कि ऊ भाजपा के बाहरे से समर्थन दे के खुश बाड़ें आ भाजपा में शामिल होखे के कवनो जरुरत नइखन समुझत.

संविधान के माया, कतहीं धूप कतहीं छाया

टटका खबर, बुध, जेढ चतुर्दशी, 2078 विक्रमी पहिला खबर जानीं कि दिल्ली हाई कोर्ट दिल्ली दंगन के आरोपी आसिफ इकबाल तन्हा के जमानत दे दिहलसि काहे कि ओकरा बीए के परीक्षा में आपन छूटल पेपर के परीक्षा देबे के बा. अब दोसर खबर जानीं कि सुप्रीम कोर्ट एगो बूढ़ हिन्दू प्रवाचक आसाराम बापू के जमानत

कपटी, कामचोर, भठियारा, मुनाफाखोरन के अरमान पर पानी पड़ल

टटका खबर, मंगल, जेठ अन्हरिया त्रयोदशी, 2078 विक्रमी कपटी, कामचोर, भठियारा, मुनाफाखोरन के अरमान पर पानी फेरत केन्द्र सरकार एलान कर दिहलसि कि अब देश के 18 बरीस से उपर के सगरी नागरिकन के केन्द्र का खरचा पर कोरोना वैक्सिन लगावल जाई. कोरोना वैक्सिन बनावे वाली कंपनियन के 75 प्रतिशत उत्पाद केन्द्र सरकार खरीद ली

यूपी के योगी राज में चार लाख नवहियन के सरकारी नौकरी

टटका खबर, सोमार, जेठ अन्हरिया द्वादशी, 2078 विक्रमी काल्हु अतवार का दिने यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी जानकारी दिहनी कि सभका सहजोग से कोरोना पर काबू पवला का साथही राज्य में एह कोरोना कालखण्ड में सरकार अपना आर्थिक गतिविधियन के सफल संचालन कइले बिया, पिछला चार बरीस में करीब चार लाख नवहियन के सरकारी

योगी का जन्मदिन पर विघ्न संतोषियन के एजेन्डा

टटका खबर, अतवार, जेठ अन्हरिया एकादशी, 2078 विक्रमी गोरक्षपीठाधीश्वर आ उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के काल्हु शनीचर के जन्मदिन रहुवे आ विघ्नसंतोषी एहू दिने अपना एजेन्डा पर लागल रहलें. एने कई दिन से तरह तरह के अफवाह पसारत हवा बनावे के कोशिश हो रहल बा कि केहू तरह यूपी से योगी के विदाई

टटका खबर, शनीचर, जेठ अन्हरिया दशमी, 2078 विक्रमी

मारीशस के राष्ट्रपति आ प्रधानोमंत्री रह चुकल अनिरुध जगनाथ के 91 बरीस का उमिर में 3 जून, बियफे का दिने गंगा लाभ हो गइल. उनुका सम्मान में भारत सरकार आजु शनीचर का दिने एक दिन के राष्ट्रीय शोक मनावे के एलान कइले बिया आ एह चलते राष्ट्रध्वज आधा झुका के फहरावल जाई. साथही देश भर

टटका खबर, शुक, जेठ अन्हरिया नवमी बाकी, 2078 विक्रमी

कोरोना के कहर में लगातार घटत होखे का चलते काल्हु देश में कोरोना छुताहिल मरीजन के संख्या 13 अप्रैल का बाद के सबसे कम 17 लाख 13 हजार 413 के रहल. हालांकि पिछला तीन दिन से नयका कोरोना छुताहिल मरीजन के संख्या बढ़ रहल बा आ काल्हु 1 लाख 34 हजार 154 के रहल. छुताहिल

टटका खबर, बियफे, जेठ अन्हरिया नवमी, 2078 विक्रमी

काल्हु बुध का दिने देश के शेयर बाजार में बिकवाली के दौर दिन भर चलला का बाद आखिरी आधा घंटा में जोरदार लिवाली आइल. काल्हु सेंसेक्स गिरावट का साथ 51849 अंक पर बंद भइल बाकिर निफ़्टी महज सवा अंक के बढ़ोतरी का साथ 15576 अंक पर बंद भइल. विदेशी बाजारन से मिलत संकेत बतावत बा

टटका खबर, बुध, जेठ अन्हरिया सप्तमी, 2078 विक्रमी

कोरोना के कहर झेलत देश आ समाज के हालात देखत केन्द्र सरकार काल्हु केन्द्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड के बारहवीं के परीक्षा रद्द करे के फैसला ले लिहलसि. प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी का अध्यक्षता में काल्हु मंगल का दिने भइल एगो उच्च स्तर के बइठक में ई फैसला लीहल गइल. इहो कहल गइल कि आगे जा के

टटका खबर, मंगल, जेठ अन्हरिया षष्ठी, 2078 विक्रमी

देश के विरोधी गोलन के केन्द्र बिन्दु बने का चाहत में पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी अब देश में भाजपा विरोधी सरकारन के एकजुट होखे के गोहार लगवले बाड़ी. डायलॉग मरले बाड़ी शोले वाला कि जो डर गया समझो मर गया, काश उऩुका एह डायलॉग के बंगाल के विरोधी गोल के समर्थको इशारा समुझतन

‹‹Newer Posts