
(टटका खबर, मंगल, आषाढ़ अन्हरिया द्वादशी, 2078 विक्रमी)
भाजपा आपन थूकल चाटी कि शिवसेना से ओकर थूकल चटवाई एह पर तरह तरह के चरचा शुरु भइला के अगिले दिन काल्हु एक दर्जन भाजपा विधायकन के विधानसभा से साल भर ला निकाल बाहर कर दीहल गइल. एह लोग पर विधानसभा में बवाल काटे के आरोप बा. अबहीं ले कवनो सदन में एह तरह के बड़हन कार्रवाई याद नइखे आवत कि कबो भइल होखे. बाकिर मामिला चूंकि गैर भाजपा शासित राज्य के बा से लिब्रांडुवन के मुँह नइखे खुलत. उलटे कुछ लोग एकर प्रशंसा करत बा कि अइसने होखे के चाहीं. आ ओह लोग के ई राय तबले कायम रही जबले कवनो भाजपा शासित राज्य में एह तरह के फैसला नइखे आ जात. तब तुरते शुरु हो जाई लोकतंत्र के हत्या के रुदाली.
आरक्षण के भूत के कमजोर ना पड़े दी मोदी सरकार. अब सुप्रीम कोर्ट के फैसला बेकार करावे में लागल बिया केन्द्र सरकार. सुप्रीम कोर्ट के फैसला में कहल गइल रहुवे कि राज्य सरकारन के कवनो अधिकारे नइखे रहि गइल 102 वां संशोधन का बाद कि ऊ कवनो जाति के आरक्षण के सूची में जोड़-घटा सके. अब ई काम सिर्फ केन्द्रे सरकार कर सकेले. से ई आफत के पुड़िया अपना कपारे राखे का मुसीबत से बाँचे खातीर केन्द्र फेर अइसन संशाधन करे के तइयारी करत बिया जवना से ई अधिकार राज्य सरकारन के फेरु मिल जाव. एह बाति के जानकारी केंद्रीय मंत्री गहलोत सोमार का दिने ‘दैनिक जागरण’ से बातचीत में बतवले बाड़ें.
जिला पंचायत अघ्यक्षन के चुनाव का बाद अब ब्लाक प्रमुख पदाधिकारियन के चुनाव कार्यक्रम जारी कर दिहले बावे उत्तर प्रदेश राज्य निर्वाचन आयोग. प्रदेश के 825 क्षेत्र पंचायतन के चुनाव अधिसूचना जारी क दीहल गइल बा. सभका बेचैनी बा कि देखल जाव एह चुनाव में केकर पलड़ा भारी पड़त बा. बाकिर जिला पंचायत का तरह ब्लाक प्रमुखी के चुनाव एकतरफा नइखे होखे वाला. ब्लाक प्रमुख चुनाव के परचा दाखिला के काम 8 जुलाई के होखी. ओही दिने उपरी बेरा परचन के जाँच हो जाई आ अगिला दिने लोग आपन परचा वापिस ले पाई. एकरा बाद जहाँ दू गो भा अधिका सही परचा दाखिल भइल होखी ओहिजा 10 जुलाई के मतदान करा लीहल जाई आ ओहदिने परिणामो के एलान क दीहल जाई.
टोक्यो ओलंपिक के उद्घाटन समारोह में भारत के ध्वजवाहक रहिहें छह बेर के विश्व मुक्केबाजी चैंपियन एमसी मैरीकॉम अउर पुरुष हॉकी टीम के कप्तान मनप्रीत सिंह. एह बाति के एलान भारतीय ओलंपिक संघ काल्हु सोमार का दिने कइलसि.
काल्हु सोमार का दिने शेयर बाजार में तेजी के दिन रहुवे आ बैंकिंग अउऱ वित्तीय शोयरन के लिवाली से सेंसेक्स 3953 अंक आ निफ्टी 112 अंक के बढ़त लेके बंद भइल. 25 जून का बाद काल्हु सबले ऊँचाई पर बंद भइली स शेचर बाजार.
राष्ट्रपति रहल स्वर्गवाली प्रणव मुखर्जी के बेटा आ कांग्रेस के सांसद रहल अभिजीत मुखर्जी सोमार का दिने तृणमूल कांग्रेस के झंडा उठा लिहलें.
सुप्रीम कोर्ट के मंजूर नइखे कि कांग्रेसी टूलकिट के जाँच करावल जाव भा ओकरा पर कवनो तरह के सुनवाई में अदालत के समय बरबाद कइल जाव.
अखिलेश यादव के समाजवादी सरकार रहला का दौरान बरीस 2014 से 2017 का बीचे बनावल गइल गोमती रिवर फ्रंट में घोटाला के जाँच करत सीबीआई अब 16 गो इंजीनियरन आ 189 फर्म के मालिक ठेकेदारन के नामजद करत दुसरका एफआईआर दर्ज कइले बावे.
सोमार का दिने बिहार में कई लोग पानी में डूब गइल. सीवान से तीन जने, गोपालगंज से एक आदमी, रोहतास से दू आदमी, बेतिया से एकही परिवार के तीन बेकत के मौत होखे के खबर बा. एकरा अलावे ठनका गिरला से रोहतास में तीन जने आ सारण में एक आदमी के मौत होखे के खबर बा.
काल्हु कवनो खबर ना दिहला के अफसोस बा बाकिर अकेला आदमी बहुत अधिका कुछ कर ना पावे. रउरा लोग में से कुछ भोजपुरी आ राष्ट्र प्रेमी एह काम में लगतीं त खुशी होखीत.