web analytics

अगिला संघ प्रमुख कवनो राष्ट्रवादी मुसलमान हो सकेला

संघचालक मोहन भागवत के पुरान फोटो

(टटका खबर, शुक, आषाढ़ अमावस, 2078 विक्रमी)

जबसे संघ प्रमुख मोहन भागवत के ऊ बयान आइल बा कि देश के हिन्दू आ मुसलमान के डीएनए एके बा तबसे हिन्दू सकपकाइल बाड़ें आ मुसलमानन में उछाह देखे के मिल रहल बा. हिन्दुवन के लागत बा कि ओह लोग के घटत आबादी आ मुसलमानन के बढ़त आबादी का चलते देर सबेर ई होखहीं के बा. पहिले त भक्त मोदिए से परेशान रहलें कि उनुकर सबकर विश्वास जीते के कामना हिन्दू हितन के अनदेखी कर रहल बा. अब कोढ़ में खाज बनि के आइल बा संघ के विचारन में बदलाव.
संघ में संघ प्रमुख के चुनाव ना होखे चयन होखेला आ हर संघ प्रमुख अपना बाद बने वाला प्रमुख के नाम तीन गो लिफाफा में तीन गो पदाधिकारियन के दे के राखेलें. एहसे कवनो अचरज ना होखी अगर मौजूदा संघ प्रमुख अपना बाद कवनो राष्ट्रवादी मुसलमान के नाम प्रमुख पद खातीर चुन के रखले होखसु. वइसे संघ भक्त ई सोचि के संतोष राख सकेलें कि मुसलमान मुसलमान होला आ ओकरा में राष्ट्रवादी भा सेकूलर होखे वाला छुतहा बीमारी मौजूद ना होला. से ना त कवनो राष्ट्रवादी मुसलमान मिल पाई ना ओकरा के संघ प्रमुख बनावल जा सकी.
बाकिर शुरुआत अगिला साल होखे वाला चुनावन में देखे के मिल सकेला जब भाजपा के निकहा टिकट राष्ट्रवादी मुसलमानन के दीहल जाव. अबहीं ले त भाजपा में अपवादे रहत रहे कवनो मुसलमान के मिले वाला टिकट. यूपी में त पंचायत जिला अध्यक्षिओ में कवनो मुसलमान के मौका ना दिहलसि भाजपा. पता ना ब्लॉक प्रमुखी के चुनाव में कवनो मुसलमान के ई मौका मिलल बा कि ना. बाकिर भाजपा संघ का इशारा पर चलेला आ अब ओकरा एह बाति के धेयान में राखे के पड़ी कि मुसलमानन के देश के मुख्यधारा में समाहित करावे ला कुछ कुर्बानी देबे के जरुरत बा.
संघ प्रमुख के कवनो बयान हिन्दुवन के भइल लिंचिंग पर नइखी सुनलें, पालघर में निर्दोष साधुवन के हत्यो पर चुप्पी साध के बइठल रहुवे लंघ, बंगाल में चुनाव का दौरान आ बादो में हो रहल हिन्दुवन के हत्या पर मोहन भागवत के कवनो बयान ना आइल बाकिर गोकशी करे वालन का साथे भइल छिटपुट वारदातन पर उनुकर फतवा जरुर आ गइल कि अइसन काम करे वालन के हिन्दू ना कहल जा सके.

उत्तर प्रदेश में जमकर हिंसा, फायरिंग और सपा व भाजपा समर्थकों की झड़प के बीच क्षेत्र पंचायत प्रमुख (ब्लाक प्रमुख) की 825 सीटों के चुनाव की नामांकन प्रक्रिया गुरुवार को पूरी हो गई। देर रात तक नामांकन पत्रों की जांच होती रही। भाजपा ने 290 से अधिक सीटें निर्विरोध जीतने का दावा किया है। राज्य निर्वाचन आयोग निर्विरोध निर्वाचन की अधिकृत जानकारी शुक्रवार को प्रदान करेगा। निर्विरोध निर्वाचन के बाद बची हुई सीटों पर शनिवार 10 जुलाई को मतदान होगा।

उत्तर प्रदेश में 826 ब्लॉकन में से गोंडा के मुहेजना ब्लाक छोड़ सगरी 825 ब्लॉकन के चुनाव के काल्हु परचा दाखिला से शुरुआत हो गइल. एह मौका पर कई जगहा सपा आ भाजपा समर्थकन में मार-पीट, बवाल, आ एकाध जगहा फायरिंगो होखे के खबर बा. बाकिर एह बीच भाजपो के दावा बा कि ओकर नाहियो च 290 लोग ब्लॉक प्रमुखी चुनाव निर्विरोध चुना गइल बा. एहसे लागत बा कि भाजपा पश्चिम बंगाल के ममता बनर्जी से बहुते कुछ सिखले बिया आ अबकी खेला होखी के सपाई दावा का बदले ओकरे खेला होखत देखे के मिली. कांग्रेस त हमेशा का तरह गदहा का सिंग का तरह गायब बिया. बंगालो में ओकर नामो निशान नइखे बाचल आ प्रियंका के करामाती नेतृत्व का चलते यूपिओ में वइसने हो जाव त अचरज ना होखी. काहे कि मुसलमान ओकरा साथे नइखन रहि गइल आ भागवत का पैमाना से अराष्ट्रवादी मुसलमान सपे के साथे जइहें.

केन्दर में मोदी के नयका कैबिनेट का काल्हु पहिलका बइठक भइल आ एहमें कोरोना के तिसरका दौर के कहर से निपटे खातीर 23 हजार करोड़ से अधिका के पैकेज के एलान हो गइल. स्वास्थ्य विभाग के बजट में वर्धन त भइल बाकिर एकरा से हर्ष का जगहा मन सुख होखी नयका मंत्री मांडविया के. एलान भइल बा कि देश के 736 जिलन में बचवन ला आईसीयू बनावल जाई जवना में कुल मिला के 20 हजार बिस्तर होखी. अगर कोरोना के कहर बढ़ल त अढ़ाई से पाँच हजार बिस्तर वाला अस्पताल बनावल जाई. हर राज्य में दस हजार लीटर ऑक्सीजन स्टोरेज सिस्टम सुरक्षित राखल जाई आ जिला स्तर पर एक एक करोड़ के दवाई के इन्तजाम राखल जाई. अब लोग के बस कोरोना फइलावे में आपन लापरवाही देखवला के कमी रह गइल बा आ लोग के बेवहार देखि के लागत बा कि ऊ कमी जल्दिए दूर हो जाए वाला बा.

एही बइठक में आढ़तियन ला देश के खजाना खोले के एलानो भइल बा. मंडियन आ ओकरा संगठनन के कृषि अवसरंचना निधि में शामिल क लीहल गइल बा आ ओह संगठनन के दू दू करोड़ रुपिया तक के करजा पर ब्याज ना लागी.

जम्मू-कश्मीर के राजौरी जिला के सुंदरबनी सेक्टर में काल्हु भइल मुठभेड़ में दू गो पाकिस्तानी आतंकवादी के मार गिरावल गइल बाकिर दू गो जवानो शहीद हो गइलें.

मोदी मंत्रिमंडल में भइल बदलाव के सलामी में शेयर बाजारन में बड़हन गिरावट आइल आ दुनिया से मिलल संकेतन से मानल जा सकेला कि गिरावट आजुओ बरकरारे रही. काल्हु सेंसेक्स आ निफ्टी दुनु में करीब एक एक फीसदी के गिरावट दर्ज भइल बा.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: