web analytics

कांग्रेसो के खाता खुल गइल ब्लॉक प्रमुखी का चुनाव में

(टटका खबर, अतवार, आषाढ़ अँजोरिया एकम, 2078 विक्रमी)

यूपी में कांग्रेस के नेतृत्व आजुकाल्ह प्रियंका वाड्रा का हाथ में बा. आ अपना कुशल नेतृत्व का बल पर आखिरकार ऊ कांग्रेस के खाता पंचायती चुनाव में खुलवाईए लिहली. जिला पंचायत अघ्यक्ष का चुनाव में सिफर पर सिमटल कांग्रेस आपन चार गो ब्लॉक प्रमुख जितवावे में सफल रहल. अखिलेश यादव के सपो के शानदार सफलता मिलल जब उनुका गोल के 90 उमीदवार ब्लॉक प्रमुख बन गइलें. योगी राज के गिरत प्रभाव देखे के मिलल जब बिना औपचारिक तरीका से चुनाव लड़ले बसपो के पाँच गो लोग ब्लॉक प्रमुख बन गइल. बिना कवनो दल के सहारा लिहलहूं 45 गो निर्दलीय चुनाव जीत गइलें.
आपन तमाम ताकत लगवला का बावजूद भाजपा आ ओकरा समर्थक गोलन के महज 648 गो उमीदवार जीत पवलें. जबकि चुनाव 825 गो ब्लॉक प्रमुख के भइल रहुवे.

उत्तर प्रदेश में मुख्यमंत्री @myogiadityanath जी और अध्यक्ष @swatantrabjp जी के नेतृत्व में हुए ब्लॉक प्रमुख चुनाव की 825 सीटों में से भाजपा समर्थित 648 ब्लॉक प्रमुख निर्वाचित हुए।

जिला पंचायत अध्यक्ष के चुनाव में 75 में से 67 भाजपा समर्थित अध्यक्ष बन चुके हैं।
सभी को बधाई💐 pic.twitter.com/0YQ5zIZgmc— Prashant Umrao (@ippatel) July 10, 2021

तबहियों प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एकरा के भाजपा के शानदार जीत बतावत कहलन कि उत्तर प्रदेश के ब्लाक प्रमुखी का चुनाव में भाजपा सरकार के जनहितकारी नीतियन के चलते विजय हासिल भइल बा. मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथो एह जीत के श्रेय भाजपा के टीम वर्क अउर सरकार के योजननन के दिहलन.
अपना सरकार का समय में सगरी लंगई करे वाली सपा के कहना बा कि सरकारी मशीनरी के इस्तेमाल क के ब्लाक प्रमुख पद जबरिया कब्जावल जनादेश के अपमान बा.

जार्जिया के देवी संत रानी केतविन के मुसलमान होखे से मना कइला का चलते 17 वीं शताब्दी में मार दीहल गइल रहुवे. उनुकर अवशेष बरीस 2005 में गोवा के एगो चर्च का खंडहर में मिलल रहुवे जवना के जार्जिया भेजे खातिर ओहिजा के सरकार बार बार निहोरा करत रहुवे. बाकिर भारत सरकार रुस नाराज ना होखे एह चलते ई निहोरा मानत ना रहुवे. अब भारत के विदेश मंत्री पहिला बेर जार्जिया गइल बाड़न आ एह मौका के एतिहासिक बनावे ला अपना साथे संत क्वीन केतेवान के अवशेषो के हिस्सा ओहिजा के चर्च के सँउपलन. कुछ हिस्सा भारते में राखे के फैसला लीहले बिया भारत सरकार.

उत्तरी कश्मीर के अनंतनाग जिला में शनिचर का दिने भइल मुठभेड़ में सुरक्षा बल तीन गो आतंकवादी मार गिरवलें.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: