
(टटका खबर, बुध, आषाढ़ अँजोरिया चतुर्थी, 2078 विक्रमी)
देश भर के लोगन के चेतावत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी काल्हु कहलन कि अगर सावधानी ना बरतल गइल त कोरोना महामारी के तिसरका लहर आवे से रोकल ना जा पाई. कहलन कि पर्यटन उद्योग ला त ठीक बा कि लोग हिल स्टेशनन पर उमड़ल बा बाकिर बिना मास्क लगवले आ भीड़-भाड़ में शामिल होखत लोगन के देखि के चिन्ता होखत बा. ई सभकर जिम्मेदारी होखे के चाहीं कि कोरोना के तिसरका लहर रोके में आपन सावधानी बरते.
कोराना महामारी का दौरान गरीबन के मुफ्त राशन देबे वाली प्रधानमंत्री गरीब कल्याण अन्न योजना के अब नवंबर लो बढ़ा दीहल गइल बा. एह योजना में देश के 31 गो राज्यन आ केन्द्र शासित प्रदेशन के गरीब लोग ला 198.79 लाख टन खाद्यान्न के अतिरिक्त आवंटन क दीहल गइल बा. राज्य एह आंवटन के उठावल शुरु कर दिहले बाड़े.
काल्हु एगो लमहर अरसा बाद चुनावी रणनीतिकार प्रशांत किशोर राहुल गांधी से उनुका डेरा पर भेंट करे चहुँपलन. जान जाईं कि ऊ पंजाब के मुख्यमंत्री कैप्टन अमरिंदर सिंह के चुनावी सलाहकारो हउवें एहसे अंदाजा लगावल जात बा कि पंजाब में चलत राजनीतिक लफड़ा पर चरचा कइले होखी लोग. पिछला यूपी चुनाव में कांग्रेस खातिर बनावल-चलावल गइल रणनिति कवने कामे ना आइल रहुवे जवना का बाद ऊ कहले रहलें कि अब फेरु कांग्रेस के काम ना करीहें. बाकिर कैप्टन अमरिंदर सिंह के सलाहकरा होखला का नाते उनुका ला काम कइल मजबूरी बा. कहले गइल बा कि चोर चोरी से जाई बाकिर तुम्बाफेरी ना छोड़ पाई.
जइसन कि उमीद रहुवे वइसने देश के शेयर बाजार में देखे के मिलल. ऊँचाई छुअलसि त जरुर बाकिर हरकल निवेशकन का चलते बाजार नया चाल चलत ना लउकल. आजु विदेशी बाजार से मिलल जुलल संकेत आवत बा. बाकिर रुख गिरावट जइसन लागत बा. काल्हु सेंसेक्स 52770 पर आ निफ्टी 15812 पर बंद भइल रहुवे.
नीतीश कुमार से रार ठानल लोजपा अध्यक्ष चिराग पासवान खातिर बहुते मंहग पड़ल लउकत बा. पहिले त उनुकर लोजपा एक तरह से चाचा का हाथे लाग गइल बा. जबले गोल बचावे के मुहिम जोड़ पकड़े तबले नता आफत आ गइल बा 12 जनपथ वाला बंगला के बचावल. सुने में आ रहल बा कि पिछला 30 बरीस से रामविलास पासवान के बंगला रहल ई डेरा चिराग के खाली करे के पड़ी. मंत्रियन खातिर निर्धारित एह आवास के आंवटन सांसद चिराग पासवान का नामे ना हो पाई. चाचा पशुपति नइखन चाहत कि ऊ एह बंगला में जासु. से हो सकेला कि नीतीश के जदयू अध्यक्ष आ अब मंत्री बन गइल रामचन्द्र प्रसाद सिंह का नामे एकर आंवटन हो जाव.
पूर्व मध्य रेलवे बिहार में 20 जोड़ी लोकल पैसेंजर ट्रेनन के फेरु से चलावल शुरु करे जा रहल बा. तीन जोड़ी ट्रेन त आजुवे से शुरु हो रहल बाड़ी स.