
(टटका खबर, शुक, आषाढ़ अँजोरिया सप्तमी, 2078 विक्रमी)
देशहित का विरोध में काम आ बात करे वालन के साथ देबे ला खुल के उतरल अरुण शौरी अपना वकील प्रशान्त भूषण का मार्फत सुप्रीम कोर्ट में गोहार लगवले बाड़न कि देशद्रोह कानून के असंवैधानिक करार क देव अदालत जेहसे लोग बेखौफ हो के देश का विरोध काम आ बात कर सको. जाने जोग बा कि जल्दिए मुख्यन्यायाधीश बने वाला एगो न्यायमूर्ति चन्द्रचूड़ कह चुकल बाड़न कि ब्रिटिश काल का बनल देशद्रोह वाला कानून के अब कवनो जरुरत नइखे रहि गइल.
न्यायमूर्ति अगर इहो बता दीहतन कि ओही ब्रिटिश काल के बनावल एह न्याय व्यनस्था के बनवले राखल काहे जरुरी बा. काहे ना देश के न्यायपालिको का व्यव्था में आमूल-चूल बदलाव कर के न्यायव्यवस्था के आधुनिक बना दीहल जाव. जहवाँ न्यायपालिका आ न्यायमूर्तियन के कवनो विशेषाधिकार ना होखे आ जनता के पूरा आ खुला छूट दीहल जाव कि ऊ न्यायपालिका आ न्यायमूर्तियन के खुलेआम आलोचला कर सकसु. आखिर अभव्यक्ति के आजादी देशे का खिलाफ बोले भर काहे सीमित राखल जाव ?
बंगाल में ममता के विरोथियन के होखत हत्या आ उत्पीड़न के जाँच करे ला अदालती आदेश पर बनल मानवाधिकार दल अपना पेश रिपोर्ट में कहले बा कि बंगाल में कानून ना हो के राज के कानून चलत बा आ रानी जे कह देसु भा चाहसु उहे कानून हो गइल बा. विरोधियन पर होखत अत्याचार आ उत्पीड़न से बचावे खातिर गुम्मी साध के बइठल बा प्रशासन. कुछ के त ठकुआ मार दिहले बा आ कुछ भकुआ के एह अत्याचारियने के साथ दे रहल बा.
सुने में आवत बा कि ममता बनर्जी संसद के मानसून सत्र का दौरान दिल्ली आ सकेली आ मय विरोधियन के एक जुट करे के कोशिश कर सकेली. बाकिर एगो लोचा ई बा कि ऊ इहो चाहत बाड़ी कि केन्द्र सरकार जल्दी से जल्दी बंगाल में विधान परिषद बनावे के मंजूरी दे देव. एकरा खातिर संसद के सत्र आराम से आ बिना व्यवधान चलल जरुरी बा. अगर समय रहते विधान परिषद ना बनावल जा सकल त ममता के मुख्यमंत्री वनल रहला पर सवाल खड़ा हो जाई आ मुख्यमंत्री ना रहिहें त फेरु कानून के चक्की से महीन पिसाई होखे से केहू मना ना कर पाई.
यूपी विधानसभा चुनाव से पहिले भाजपा के रणनीति बनावे विचारे खातिर आजु नयी दिल्ली में भाजपा के राष्ट्रीय कार्यकारिणई के बइठक बोलवले बाड़न. बइठक वीडियो कान्फ्रेंसिंग का जरिए शुरू हो चुकल बा.
लाख बेइज्जति होखला का बावजूद कैप्टेन पंजाब के मोर्चा नइखे छोड़े जात. पंजाब के मुख्यमंत्री कैप्टोन अमरिन्दर सिंह के मीडिया सलाहकार का मार्फत ई जानकारी सामने आइल बा. जान जाईं कि कांग्रेस उनुका धुर विरोधी नवजोत सिंह सिद्धू के कांग्रेस अध्यक्ष बनावे के सोचत बिया.
यूपी के जनसंख्या नियन्त्रण कानून का खिलाफ मुस्लिमन के राजनीति करे वाला ओवैसी काल्हु कहलन कि पिछले दिसम्बर में केन्द्र सरकार कहले रहुवे कि देश में कुल प्रजनन क्षमता घटती पर बा आ एह हालत में महज दूइए बच्चा जनमावे के बात कहल ठीक नइखे.